यूक्रेन भेजले के बाद अमेरिका के रडार से उच्च जोखिम वाले हथियारन क एगो समूह गायब हो गइल हवे। एक अरब डॉलर से बेसी मूल्य के हथियारन क सटीक पता नाही लगावल गइल हवे अउर येही नाते इन्हें कानून क उल्लंघन मानल जाला। ई अमेरिकी रक्षा विभाग के महानिरीक्षक के एगो नया रिपोर्ट क निरणय हवे।रक्षा विभाग में जांचकर्ता ओन्तिस हजार एक सौ ओत्तिस हथियारन क जांचि कइले हवें जवन अमेरिका आक्रमण के बाद से यूक्रेन में मोर्चा के भेजले हवे, जेकर मूल्य करीब एक अरब डॉलर हौ। ई हथियार सज्जो उच्च जोखिम वाला हथियार हवें जइसे- टैंक रोधी रॉकेट, नाइट विजन उपकरण अउर स्टिंगर मिसाइल।
रिपोर्ट में ई नाही बतावल गइल हवे कि केतना हथियारन के खराब ट्रैकिंग के नाते कानून क उल्लंघन मानल जाला-ई खाली हथियारन के कुलि मूल्य क आकलन करे ला। जरूरी नइखे कि दुरूपयोग कइल जाव । इहो उल्लेख बा कि डिलीवर कइल गइल हथियारन के कुल संख्या के पूरा तस्वीर मिलल मुश्किल हो सकेला, काहें से कि 'इन्वेंट्री लगातार बदल रहल बा, आ सटीकता आ पूर्णता संभवतः समय के साथे अउरी कठिन ही हो जाई ।
हलांकि ई निष्कर्ष नाही निकारल गइल हौ कि कुछु हथियारन के गलती से पुनर्निदेसित कइल गइल हवे आ दुरूपयोग कइल गइल हवे बाकिर महानिरीक्षक लिखले हवें कि आकलन कइल जांचि के दायरा से बहरे हवे। हलांकि येह बाति पर जोर दीहल जाला कि कानून क उल्लंघन करत हथियार पहुंचावे क उच्च दर, जवन रडार से गायब हो गइल हवे, चोरी आ फेर से दिसा-निरदेस दिहले क खतरा बढ़ि जाला।एकरे अलावा जांचि में पता चलल हवे कि फरौरी से जून दुइ हजार तेईस के बिच्चे गैर कानूनी हथियार पहुंचावे में सत्ताईस फीसदी क कमी आइल हवे।
रक्षा विभाग के महानिरीक्षक क ई रिपोर्ट यूक्रेन के अमेरिका के समरथन के बारे में बड़हन चरचा के मद्देनजर आइल हवे। प्रतिनिधि सभा में कई गो रिपब्लिकन खास तौर से अमेरिका के आपन सीमा सुरक्षित करे खातिर यूक्रेन में हथियार भेजल रोके क ओकालति कइले हवें-जबकि यूक्रेन अउरियो मददि मांगि रहल हवे।अमरीका में जो बाइडेन क प्रसासन रूस के आक्रमण के बाद से यूक्रेन में अबले पचहत्तर अरब डॉलर से बेसी क जोगदान दे चुकल हवे।
हाई रिस्क हथियार गायब हो गइल बा ।
हाई रिस्क हथियार गायब हो गइल बा ।
हाई रिस्क हथियार गायब हो गइल बा ।