shabd-logo

की सउदी अरब अबहिनों इजराइल के साथे सम्बन्ध सामान्य करी?

11 January 2024

1 देखल गइल 1


article-image

ब्रिटेन में सउदी अरब क राजदूत प्रिंस खालिद बिन बंदर कहले हवें कि उनकर देस गाजा युद्ध के बाद इजराइल के साथे सम्बन्ध स्थापित कइले में रूचि रक्खे ला, बाकिर फिलिस्तीनी राज्य के निरमाण के दृस्टिकांण से कउनहूं सम्भावित समझौता जरूर कइल जाये के चाही। 

प्रिंस खालिद बिन बंदर बीबीसी के बतवलें कि हमास सात अक्टूबर के इजराइल पर हमला कइले से पहिले उनकर देस अमेरिका के नेतृत्व में भइल समझौता के करीब हौ। हलांकि हमला के बाद ई बातचीत ठप हो गइल। उहां के कहलीं कि सउदी अरब गाजा में मारल गइल लोगिन के दुखद आंकड़ा के बवजूदो इजराइल के साथे सम्बन्ध बनवले में बिस्वास करे ला, बाकिर ऊ फिलिस्तीनी लोगिन के कीमति पर नाही होई। सउदी राजदूत गाजा मुद्दा पर मानवता के विफलता क चेतावनी दिहले हवें। उहां के कहलीं कि अन्तर्राष्ट्रीय समुदाय युद्ध रोके बदे पुरहर कार नाही कइले हौ। उहां के ईहो कहलीं कि ऊ चाहत हवें कि ब्रिटेन येह मुद्दा पर आपन रूख मध्यम देखे अउर चाहत हवे कि ब्रिटेन इजराइल के साथे ओइसने व्यवहार करे जइसन ऊ अउरियो देसन के साथे करे ला। 

'पच्छिमी देस इजराइल से आंख मूंद लिहलें' 

उहां के कहली कि इजराइल की ओरि आंखि मूंड़ल असली समेस्या हवे काहें से कि ई सान्ती की ओरि आंखि मूंदले जइसन हवे। सउदी अरब इस्लामिक दुनिया अउर अरब दुनिया क अगुआ हवे। सउदी अरब ओन्नईस सौ अड़तालिस में इजराइल के स्थापना के बाद से कब्बो औपचारिक रूप से इजराइल के अस्तित्व के मान्यता नाही दिहले हौ।  हलांकि बिसेसज्ञन क मानल हवे कि सम्बन्ध सामान्य कइले क समझौता इजराइल अउर पूरा दुनिया खातिर एगो महत्वपूर्ण घटना होई।  सितम्बर के आखीर में सउदी अरब क युवराज मोहम्मद बिन सलमान अमेरिकी टेलीविजन के दीहल गइल एगो साक्षात्कार में घोसणा कइले रहलें कि रोजे हमनी (सउदी अरब) येह समझौता के करीब पहुंचि रहल हई। 

युवराज मोहम्मद बिन सलमान कहलें कि फिलिस्तीनी मुद्दा बहुते महत्वपूर्ण हौ अउर कउनहूं समझौता से फिलिस्तीनियन क जिनगी असान हो जाई। उहां के ई घोसणा नाही कइलीं कि ई समझौता स्वतंत्र फिलिस्तीनी राज्य के स्थापना के दिसा में प्रगति पर निरभर करी।  

आयुष के अउरी किताब

1

मालदीव के बेचैनी बढ़ावे वाला लक्षद्वीप में ‘मित्र’ इजरायल कवन काम करे वाला बा?

9 January 2024
0
0
0

 लक्षद्वीप बनाम मालदीव विवाद  लक्षद्वीप के यात्राके कुछ तस्वीरसाझा करत प्रधानमंत्रीनरेंद्र मोदी जनतासे उहाँ घूमेके गोहार लगवले।पीएम मोदी के इ अपीलमालदीव के एतना नाराज कदिहलस कि उहाँ के नेताभारत अवुरी

2

हिंदी दिवस

10 January 2024
0
0
0

 प्रस्तावना   हिन्दी दिवस भारतीय इतिहास क एगो महत्वपूर्ण अउर गौरवसाली दिन हवे, जवन हर सालि चउदह सितम्बर के मनावल जाला। ई दिन हमनी के मातृभाषा हिन्दी के महत्व के याद दिलावे आ बढ़ावा देवे खातिर बा। हिन

3

की सउदी अरब अबहिनों इजराइल के साथे सम्बन्ध सामान्य करी?

11 January 2024
0
0
0

ब्रिटेन में सउदी अरब क राजदूत प्रिंस खालिद बिन बंदर कहले हवें कि उनकर देस गाजा युद्ध के बाद इजराइल के साथे सम्बन्ध स्थापित कइले में रूचि रक्खे ला, बाकिर फिलिस्तीनी राज्य के निरमाण के दृस्टिकांण से

4

हिमंत बिस्वा सरमा कहले हवें कि कॉग्रेस राम मंदिर के नेवता क पात्र नाही रहे।

11 January 2024
0
0
0

असम क मुख्यमंत्री हिमंत बिस्वा सरमा बाईस जनौरी के राम मंदिर अभिषेक समारोह में सामिल भइले से इनकार कइले पर काल्हि कॉग्रेस पारटी पर तंज कइलें।  उहां के कहलीं कि कॉग्रेस आपन पाप कम कइले क सुनहरा म

5

हिमंत बिस्वा सरमा कहले हवें कि कॉग्रेस राम मंदिर के नेवता क पात्र नाही रहे।

11 January 2024
0
0
0

असम क मुख्यमंत्री हिमंत बिस्वा सरमा बाईस जनौरी के राम मंदिर अभिषेक समारोह में सामिल भइले से इनकार कइले पर काल्हि कॉग्रेस पारटी पर तंज कइलें।  उहां के कहलीं कि कॉग्रेस आपन पाप कम कइले क सुनहरा म

6

अफगानिस्तान में छौ दसमलव एक तीव्रता क भूकम्प आइल, उत्तर भारत में भूकंप क झटका महसूस कइल गइल।

11 January 2024
0
0
0

अफगानिस्तान के हिन्दूकुश क्षेत्र में छौ दसमलव एक तीव्रता क भूकम्प अइले के बाद दिल्ली-राष्ट्रीय राजधानी क्षेत्र अउर उत्तर भारत के कुछु हिस्सन में काल्हि भूकंप क झटका महसूस कइल गइल। भारतीय समयानुसार दुप

7

म्यांमार से चारि सौ सोरह सैनिक सुरक्षा के दौरान भारत में प्रवेस कइलें | मारतीय सेना प्रमुख

12 January 2024
0
0
0

थल सेना प्रमुख जनरल मनोज पांडे के हिसाबि से म्यामां में ससस्त्र जातीय समूहन अउर सरकारी बलन के बिच्चे लड़ाई के नाते ओह देस क चारि सौ सोरह सैनिक भारत पार कइ गइलें। उहां के ईहो बतवलीं कि भारतीय सेना

8

शंकराचार्य काहे ना जात बाड़न। कॉग्रेस प्रधानमंत्री से पुछले हौ कि अधूरा राम मंदिर क उदघाटन कइले क कवन हड़बड़ी बाटे।

12 January 2024
0
0
0

राम मंदिर अभिषेक समारोह के नेवता के नामंजूर कइले पर भाजपा के आलोचना के बिच्चे कॉग्रेस काल्हि जवाबी हमला करत प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी से पुछले हौ कि मंदिर के निरमाण के समय एकर लोकारपण कइले क कवन

9

प्रधानमंत्री श्री मोदी स्वच्छता अभियान खातिर जोर देवे बदे नासिक में कालाराम मंदिर परिसर क सफाई कइलें।

12 January 2024
0
0
0

प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी आजु महाराष्ट्र में नासिक के कालाराम मंदिर में स्वच्छता अभियान में हिस्सा लिहलें। एकरे अलावा उहां के जनता से अजोध्या में राम मंदिर के अभिषेक समारोह के तइयारी में देसव्याप

10

हरियाणा में एम्बुलेंस के गड्ढा से टकरा गइले से मृत घोसित मनई फेर से जिन्दा हो गइल।

13 January 2024
0
0
0

हरियाणा में एगो चमत्कारी घटना भइल, जहवां डॉक्टर लोगि मृत घोसित कइल गइल अस्सी बरिस के एगो मनई के एम्बुलेंस के सड़कि पर गड्ढा से टकरा गइले से फेर से जीवंत हो गइल। दर्शन सिंह बरार नांव के येह मनई क येह स

11

मकर संक्रांति

13 January 2024
0
0
0

मकर संक्रांति एगो हिन्दू परब हवे जवन भारत के कई गो हिस्सन में मनावल जाला। एह परब के मकर संक्रांति के नाम से जानल जाला काहे कि एह दिन सूर्य आपन गति बदल के मकर राशि में प्रवेश करेला। ई परब भारत के अ

12

हाई रिस्क हथियार गायब हो गइल बा ।

13 January 2024
0
0
0

यूक्रेन भेजले के बाद अमेरिका के रडार से उच्च जोखिम वाले हथियारन क एगो समूह गायब हो गइल हवे। एक अरब डॉलर से बेसी मूल्य के हथियारन क सटीक पता नाही लगावल गइल हवे अउर येही नाते इन्हें कानून क उल्लंघन

13

चीन के साथे सामान्य संबंध सम्भव नइखे अगर...' सीमा मुद्दा के बिच्चे विदेश मंत्री जयशंकर

13 January 2024
0
0
0

बिदेस मंत्री एस. जयशंकर कहले हवें कि सीमा पर गतिरोध के बिच्चे चीन के अउरियो सम्बन्ध के सामान्य रूप से आगे बढ़ले क ओम्मेद नाही करे के चाही। कूटनीति जारी रहे ला अउर कबो-कबो कठिन परिस्थितियन क समाधान

---

एगो किताब पढ़ल जाला

अन्य भाषा के बारे में बतावल गइल बा

english| hindi| assamese| bangla| bhojpuri| bodo| dogri| gujarati| kannada| konkani| maithili| malayalam| marathi| nepali| odia| punjabi| sanskrit| sindhi| tamil| telugu| urdu|