प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी आजु महाराष्ट्र में नासिक के कालाराम मंदिर में स्वच्छता अभियान में हिस्सा लिहलें। एकरे अलावा उहां के जनता से अजोध्या में राम मंदिर के अभिषेक समारोह के तइयारी में देसव्यापी मंदिरन में स्वच्छता अभियान में सामिल भइले क आग्रह कइलीं।
आकाशवाणी, गोरखपुर दिनांक- 22 जनवरी 2024 भोजपुरी समाचार स्वच्छता के अपने संकल्प के अनुरूप प्रधानमंत्री श्री मोदी आजु अजोध्या में भगवान राम के प्राण-प्रतिस्ठा के अनेसा में धारमिक महत्व के जगहिनि के साफ-सुथरा करे बदे स्वच्छता अभियान क सुरूआत कइलें। अपने प्रतिबद्धता क परदरसन करत उहां के व्यक्तिगत रूप से श्री कालाराम मंदिर के हाता क सफाई कइलीं, सथहीं सज्जो भारतीयन के धारमिक महत्व के सज्जो जगहिनि पर स्वच्छता बनावे रखले खातिर प्रोत्साहित कइलीं।
कालाराम मंदिर में स्वच्छता अभियान के बाद प्रधानमंत्री श्री मोदी नासिक के रामकुण्ड में पूजा-अर्चना में लागल रहलें। युवा कार्यक्रम के दौरान प्रधानमंत्री श्री मोदी भारत के नौजवानन के योग अउर आयुर्वेद क दूत के रूप में परिकल्पना करत हमरे लोकतंत्र में पहिली बेरि मतदाता बनल मतदाता लोगिन के नया ऊर्जा क संचार कइले के क्षमता पर जोर दिहलें। प्रधानमंत्री मोदी के स्वच्छता अभियान में सामिल भइले क ई पहिला मौका नइखे। उहां के एहसे पहिले नागरिकन में जागरूकता बढ़ावे खातिर सफाई के पहल में हिस्सा ले चुकल हई।