असम क मुख्यमंत्री हिमंत बिस्वा सरमा बाईस जनौरी के राम मंदिर अभिषेक समारोह में सामिल भइले से इनकार कइले पर काल्हि कॉग्रेस पारटी पर तंज कइलें।
उहां के कहलीं कि कॉग्रेस आपन पाप कम कइले क सुनहरा मौका गंवा दिहले हवे। उहां के इहो कहलीं कि पारटी नेवता क पात्र नाही हौ। विहिप कॉग्रेस पारटी के श्रीराम मंदिर प्राण प्रतिष्ठा महोत्सव में सामिल भइले क नेवता दे के आपन पाप कम कइले क सुनहरा मौका दिहले रहे। हलांकि हमरे विनम्र नजरिया से ऊ लोगि सुरू से ही राम मंदिर के खिलाफ अपने बिचार खातिर पहिले अइसन निमंत्रण क पात्र नाही रहलें| श्री सरमा कहलं कि राम मंदिर के खिलाफ अपने बिचार खातिर ऊ लोगि पहिले अइसन निमंत्रण क पात्र नाही रहलें।
धर्म एगो व्यक्तिगत मामला ह। बाकिर आर.एस.एस./भाजपा लमहर समय से अजोध्या में मंदिर क राजनीतिक परियोजना बनवले हौ। भाजपा अउर आरएसएस के नेता लोगिन की ओरि से अधूरा मंदिर क उदघाटन जाहिर तौर पर चुनावी फायदा खातिर आगे ले आवल गइल हवे |
पारटी के बेयान में कहल गइल हवे कि अधूरा मंदिर क उदघाटन कइल गइल हवे।
श्री सरमा कहलें कि पारटी नेवता स्वीकार कइ के हिन्दू समुदाय से माफी मांगि सकी। उहां के कहली कि येह नेवता के स्वीकार कइ के ऊ लोगि प्रतीकात्मक रूप से हिन्दू समाज से माफी मांगि सके लं। श्री सरमा सोमनाथ मंदिर के फेर से निरमाण क बिसयो उठवलें। उहां के कहलीं कि हलांकि पंडित नेहरू जइसन सोमनाथ मंदिर के साथे कइलें ओहीं कॉग्रेस नेतृत्व राम मंदिर के साथे अइसने कइलस। इतिहास उनकरा के हिन्दू बिरोधी पारटी के रूप में जज करत रही।
कॉग्रेस पारटी के येह घोसणा से हफ्ता से चलि रहलि येह अटकलन के खतम कइ दिहल गइल हौ कि पारटी क नेता लोगि राम मंदिर उदघाटन समारोह में सामिल होइहें कि नाही | ई समारोह दसकन से भाजपा के चुनावी घोसणा पत्र क हिस्सा रहल हवे अउर दुइ हजार चउबिस के चुनाव परचार में पारटी खातिर एगो बड़हन मुद्दा होखले क ओम्मेद हौ। ई तीनो नेता पश्चिम बंगाल क मुख्यमंत्री ममता बनर्जी अउर मार्क्सवादी कम्युनिस्ट पारटी क महासचिव सीताराम येचुरी के साथे सामिल हवें जे पहिलहीं येह नेवता के अस्वीकार कइ चुकल हवें।