बिहार के पूर्व मुख्यमंत्री कर्पूरी ठाकुर के भारत रत्न देवे के फैसला भईल बा। उ बिहार के पूर्व मुख्यमंत्री रहले अवुरी पिछड़ा वर्ग के हित के वकालत करे खाती जानल जात रहले। कर्पूरी दू बेर बिहार के उपमुख्यमंत्री, दू बेर मुख्यमंत्री अवुरी दशकों तक विपक्षी पार्टी के विधायक अवुरी नेता रहले। 1952 में पहिला विधानसभा में चुनाव जीतला के बाद उ कबो बिहार विधानसभा के चुनाव में ना हारल।
बिहार के पूर्व मुख्यमंत्री कर्पूरी ठाकुर के भारत रत्न देवे के फैसला भईल बा। उ बिहार के पूर्व मुख्यमंत्री रहले अवुरी पिछड़ा वर्ग के हित के वकालत करे खाती जानल जात रहले।
कर्पूरी ठाकुर एक बेर बिहार के उपमुख्यमंत्री, दु बेर मुख्यमंत्री अवुरी दशकों तक विपक्षी पार्टी के विधायक अवुरी नेता रहले। 1952 में पहिला विधानसभा में चुनाव जीतला के बाद उ कबो बिहार विधानसभा के चुनाव में ना हारल।
बता दीं कि सोमवार के ही जदयू कर्पूरी ठाकुर के भारत रत्न देवे के मांग कईले रहे। केसी त्यागी कहले रहले कि कर्पूरी ठाकुर एगो जननेता रहले अवुरी उ समाज खाती बहुत काम कईले। त्यागी कहले रहले कि केहु सिर्फ अईसने जननेता ना बनेला। करपूरी ठाकुर ईमानदारी, सादगी आ उच्च राजनीतिक मूल्यन के अनुकरणीय व्यक्तित्व हउवें. समाज के अंतिम व्यक्ति के विकास के मुख्यधारा से जोड़े के चिंता में उनकर पूरा जिनगी बीतल।