सुप्रीम कोर्ट के तय समय सीमा के बाद बिल्किस बानो मामला के सभे 11 दोषी आत्मसमर्पण क देले बाड़े। गुजरात के पंचमहल जिला के गोधरा सब जेल में रविवार के देर रात सभे आत्मसमर्पण क देले।
ए मामला में गुजरात सरकार सभ अपराधी के सजा पूरा होखे से पहिले रिहा क देले रहे। सुप्रीम कोर्ट कहले रहे कि गुजरात सरकार के ए मामला में छूट देवे के अधिकार नईखे, एहसे इ मान्य नईखे।
स्थानीय अपराध शाखा निरीक्षक एन.एल. देसाई कहले कि, 'अतवार के देर रात सभ 11 दोषी जेल अधिकारी के सोझा आत्मसमर्पण क देले।'
सुप्रीम कोर्ट 8 जनवरी के एगो महत्वपूर्ण फैसला देले रहे, जवना में गुजरात सरकार के ओर से ए मामला में 11 दोषी के दिहल छूट के रद्द क दिहल गईल रहे।
एकरा संगे-संगे कोर्ट 2022 में स्वतंत्रता दिवस प समय से पहिले रिहा भईल दोषी के दु सप्ताह के भीतर आत्मसमर्पण करे के निर्देश देले रहे।
कुछ दिन पहिले सुप्रीम कोर्ट अपराधियन के आत्मसमर्पण करे खातिर अधिका समय देबे के याचिका खारिज कर दिहले रहुवे आ रविवार ले आत्मसमर्पण करे के कहले रहुवे.