भारत में क्रिकेट नियंत्रण बोर्ड महिला प्रीमियर लीग के दुसरका सीजन के कार्यक्रम के एलान कइले बा. दुसरका सीजन के पहिला मैच में मुंबई इंडियंस आ दिल्ली कैपिटल्स के मुकाबला होखे वाला बा. डब्लूपीएल 2024 के पहिला मैच 23 फरवरी के बेंगलुरु में खेलल जाई. डब्लूपीएल 2024 के शुरुआती मैच बेंगलुरु के एम. जिन्नास्वामी क्रिकेट स्टेडियम में खेलल जाई. जबकि 4 मार्च से फाइनल ले ई मैच दिल्ली के अरुण जेटली स्टेडियम में खेलल जाई. दुसरका सीजन के एलिमिनेटर मैच १५ मार्च के आ फाइनल मैच १७ मार्च के खेलल जाई. बताईं कब आ कहाँ कवन टीम एक दोसरा से मुकाबला करी.
बीसीसीआई महिला प्रीमियर लीग 2024 के कार्यक्रम के एलान कइले बा जवना के पहिला मैच 23 फरवरी के खेलल जाई. जबकि फाइनल मैच 17 मार्च के होखी. डब्लूपीएल 2024 में सगरी 5 गो टीम कुल 22 गो मैच खेलीहें. एकर पहिला मैच मुंबई इंडियंस आ दिल्ली कैपिटल्स का बीच होखी आ दुसरका मैच रॉयल चैलेंजर्स बेंगलुरु आ यूपी वारियर्स का बीच होखी.
महिला प्रीमियर लीग के दुसरका सीजन में डबल हेडर आ दुपहरिया के मैच ना होखी. डब्लूपीएल 2024 के सगरी मैच भारतीय समय साँझ साढ़े सात बजे से खेलल जाई. एह प्रतियोगिता के एलिमिनेटर नई दिल्ली के अरुण जेटली स्टेडियम में खेलल जाई आ ओकरा बाद 17 मार्च के फाइनल मैच होखी.