बॉलीवुड अभिनेता सैफ अली खान के प्रशंसक तब चौंक गईले जब अचानक उनुका अस्पताल में भर्ती होखे के खबर आईल। खुलासा भईल कि फिल्म के सेट प अभिनेता के चोट लागल रहे, जवना के चलते उनुका घुटना अवुरी कंधा के हालत बहुत खराब हो गईल रहे। एकरा बाद उनुकर सर्जरी करावे के पड़ल। एह सर्जरी खातिर उनुका के मुंबई के अस्पताल में भर्ती करावल गइल. हालांकि अब सैफ अस्पताल से बाहर आके आपन हेल्थ अपडेट भी पपराजी के दे देले बाड़े। अस्पताल से बाहर अईला के बाद सोशल मीडिया प सैफ के एगो वीडियो वायरल होखता।
हालही में सैफ अली खान के एगो वीडियो सामने आइल बा जवना में उनुकर एगो हाथ प्लास्टर कइल लउकत बा. उनुका कंधा के सर्जरी के चलते इ प्लास्टर लगावल गईल बा। हालांकि एकरा अलावे अभिनेता काफी फिट देखाई देतारे। अस्पताल से लौटला के बाद सैफ अली खान पपराजी से बात कईले अवुरी उनुकर हेल्थ अपडेट देले, सैफ बतवले कि उनुकर हालत पहिले से जादे ठीक होखता। एह वीडियो में सैफ के पीछे उनुकर पत्नी करीना कपूर भी देखाई देतारी। एकरा से पहिले करीना अस्पताल में भी पूरा समय सैफ के संगे रहली।