shabd-logo

हनुमानजी के आरती

12 January 2024

0 देखल गइल 0

आरती करऽ मन वीर हनुमान के । हउँवे अवतार देव शंकर सुजान के ।। 

अति बलवान गुण ज्ञान के निधान। रात दिन करेले ई रामगुण गान ।। 

हिया में बसवले अपना श्री भगवान के। आरती करऽ मन वीर हनुमान के ।। 

रामजी के दूत हउँवे अंजनी के पूत । केशरी कुमार हउँवं अति मजबूत ।। 

गुरुजी बनवले आपन सुरुज भगवान के। आरती करऽ मन वीर हनुमान के ।। 

अजर-अमर भइले सिया का आशिष से। नाता आपन जोड़ लेले रामजगदीश से ।।

 राम काज करे खातिर भूल गइले मान के। आरती करऽ मन वीर हनुमान के ।।

 लाइके सजीवन बुटी लखन के जिअवले। देइके अंगूठी प्राण सिया के बचवले ।। 

विरह से पार कइले भरत सुजान के । आरती करऽ मन वीर हनुमान के ।। 

भूषण के गुरु, हनुमान जी महान । रामजी के ढ़ोवेले ई बनके विमान ।। 

सुनके हो जाले खुश राम गुणगान के। आरती करऽ मन वीर हनुमान के ।।

 जे हनुमान जी के आरती गाई। सब सख जिनगी में सहजे में पाई ।। 

चढ़के विमान जाई रामजी का धाम क। आरता करऽ मन वीर हनुमान के ।।

ॐॐॐ

3
लेख
भूषण हनुमत-गाथा
0.0
"भूषण हनुमत गाथा" हिन्दी साहित्य के एगो महाकाव्य कथा ह जवना में हिन्दू पौराणिक कथा के पूज्य हस्ती हनुमान जी के वीरकर्म के बखान बा। एह काव्य रचना में हनुमान जी के ताकत, भक्ति, आ अटूट निष्ठा के जश्न मनावल गइल बा, खास कर के महाकाव्य रामायण में उनुकर अहम भूमिका. श्लोकन में उनकर दिव्य चरित्र के सार आ महाकाव्य कथ्य के क्रम में उनकर गहिराह प्रभाव के खूबसूरती से समेटल गइल बा, जवन भक्ति, साहस आ निस्वार्थ सेवा के प्रतीक ह।
1

भूषण हनुमत-गाथा

12 January 2024
0
0
0

दोहा सीता राम सुरसती सदभाव भरीं, मंगल करीं गणेश । गौरी शंकर सुरुजदेव, रक्षा करीं भवेश ॥१॥ सोता राम दोहा गोता राम सोता राम गुरुदेवन के देव कपि, महाबीर हनुमान । लिखत बानीं राउर गाथा, मंगलदायक मान

2

हनुमानजी के आरती

12 January 2024
0
0
0

आरती करऽ मन वीर हनुमान के । हउँवे अवतार देव शंकर सुजान के ।।  अति बलवान गुण ज्ञान के निधान। रात दिन करेले ई रामगुण गान ।।  हिया में बसवले अपना श्री भगवान के। आरती करऽ मन वीर हनुमान के ।।  रामजी के

3

कवि-परिचय

12 January 2024
0
0
0

नाम : विद्या भूषण सिंह उर्फ कवि जी जनम तिथि : 02 जनवरी, 1961 माता : श्रीमती सभा देवी पिता : स्व० फुलेना सिंह (कीर्तनकार) पत्नी : स्व० सरोज देवी जेकरा सहयोग, सेवा आ समर्पण से जीवन रथ के पहिया निरंत

---

एगो किताब पढ़ल जाला

अन्य भाषा के बारे में बतावल गइल बा

english| hindi| assamese| bangla| bhojpuri| bodo| dogri| gujarati| kannada| konkani| maithili| malayalam| marathi| nepali| odia| punjabi| sanskrit| sindhi| tamil| telugu| urdu|