रोहित शर्मा एह मैच के जीत के एमएस धोनी के बड़का रिकार्ड के बराबरी कर लिहले बाड़न. टी-20 मैच जीते का मामिला में रोहित शर्मा एमएस धोनी के बराबरी कर लिहले बाड़न. रोहित टी-20 के 41 गो मैच जीत चुकल बाड़न. रोहित अबले कप्तान का रूप में 53 गो मैच खेलले बाड़न जवना में से ऊ 41 गो जीतले बाड़न आ 12 गो हार चुकल बाड़न. एही बीच 26 गेंद बाकी रहला पर भारत 6 विकेट से सीरीज जीत लिहलस।
भारत खातिर यशस्वी जायसवाल आ शिवम दुबे एक बेर फेरु तूफानी पारी खेलले. एह मैच में मिलल जीत का साथे रोहित शर्मा अपना नाम पर बहुते महत्वपूर्ण रिकार्ड बनवले. रोहित शर्मा एह मैच के जीत के एमएस धोनी के बड़का रिकार्ड के बराबरी कर लिहले बाड़न. टी-20 मैच जीते का मामिला में रोहित शर्मा एमएस धोनी के बराबरी कर लिहले बाड़न. रोहित टी-20 के 41 गो मैच जीत चुकल बाड़न. रोहित अबले कप्तान का रूप में 53 गो मैच खेलले बाड़न जवना में से ऊ 41 गो जीतले बाड़न आ 12 गो हार चुकल बाड़न.
एकरा से पहिले एमएस धोनी भारतीय कप्तान का रूप में कुल 72 गो टी-20 मैच खेल चुकल बाड़न जवना में से उनुका 41 गो जीत मिलल बा आ 28 गो में हार के सामना करे के पड़ल. एकरा अलावे तिसरका नंबर पर विराट कोहली 50 गो मैच खेल चुकल बाड़न आ 30 गो जीते के पड़ल आ 16 गो हार के पड़ल.