टीम इंडिया के स्टार विकेटकीपर बल्लेबाज ऋषभ पंत के वापसी का बारे में ताजा अपडेट सामने आइल बा. ऋषभ पंत के बेहतर इलाज खातिर इंग्लैंड भेज दिहल जाई. बीसीसीआई के कोशिश बा कि ऋषभ पंत पूरा तरह से ठीक हो जासु आ आईपीएल में लवट सकेलें जेहसे कि टी-20 विश्व कप में खेले के मौका बढ़ सके. एकरा से पहिले मोहम्मद शमी अउरी सूर्यकुमार यादव के भी इंग्लैंड भेजे के फैसला भईल| दक्षिण अफ्रीका दौरा का बाद से शमी आ सूर्यकुमार यादव टखने में चोट के समस्या से ग्रस्त बाड़े.
क्रिकबज के रिपोर्ट के मुताबिक मैदान प जल्दी से वापसी करे के कोशिश में लागल ऋषभ पंत इंग्लैंड जईहे। मार्च के अंत से शुरू होखे वाला इंडियन प्रीमियर लीग के 17वां सीजन में ऋषभ पंत के वापसी के पूरा संभावना बा। ऋषभ पंत दिसंबर 2022 से क्रिकेट मैदान से दूर बाड़े। दिसंबर 2022 में ऋषभ पंत के हरिद्वार जात घरी एगो दुर्घटना हो गइल रहे आ ऊ गंभीर रूप से घायल हो गइल रहले. पंत के मुंबई के अस्पताल में 45 दिन तक इलाज भईल। दुर्घटना के बाद पहिला बेर आईपीएल के दौरान ऋषभ पंत के सार्वजनिक रूप से देखल गईल।
हालांकि ओह घरी पंत के चले में बहुत परेशानी होखत रहे। एकरा बाद ऋषभ पंत कई महीना तक नेशनल क्रिकेट अकादमी में फिटनेस प काम कईले।
चोट के चलते पंत एशिया कप अवुरी विश्व कप में टीम के हिस्सा ना बन पवले। हालांकि दिल्ली कैपिटल्स के निदेशक सौरव गांगुली आईपीएल में पंत के वापसी के उम्मीद जतवले बाड़न. सौरव गांगुली कहले बाड़न कि पंत अबहीं ले अभ्यास शुरू नइखन कइले बाकिर आईपीएल से पहिले ऊ पूरा तरह से फिट हो जइहें. दिल्ली कैपिटल्स एलान कइले बिया कि पंत एह सीजन में टीम के नेतृत्व करीहें.