रवि शास्त्री बीसीसीआई अवार्ड भारतीय टीम के मुख्य कोच रहल रवि शास्त्री के बीसीसीआई के तरफ से लाइफ टाइम अचीवमेंट अवार्ड से सम्मानित कइल गइल बा. साल 2019 के बाद पहिला बेर बीसीसीआई इ पुरस्कार दिहलस। कार्यक्रम में भारत आ इंग्लैंड के टीम मौजूद रहे। भारतीय टीम के ओपनर शुबमन गिल के साल 2023 के सर्वश्रेष्ठ क्रिकेटर के टैग मिलल.
भारतीय टीम के मुख्य कोच रहल रवि शास्त्री के बीसीसीआई के तरफ से लाइफ टाइम अचीवमेंट अवार्ड से सम्मानित कइल गइल बा. साल 2019 के बाद पहिला बेर बीसीसीआई इ पुरस्कार दिहलस। कार्यक्रम में भारत आ इंग्लैंड के टीम मौजूद रहे। भारतीय टीम के ओपनर शुबमन गिल के साल 2023 के सर्वश्रेष्ठ क्रिकेटर के टैग मिलल जबकि मोहम्मद शमी के साल 2019-20 के सर्वश्रेष्ठ क्रिकेटर के पुरस्कार मिलल.
बता दीं कि बीसीसीआई के अध्यक्ष रोजर बिन्नी आ बीसीसीआई के सचिव जय शाह भारतीय कोच रहल रवि शास्त्री के लाइफ टाइम अचीवमेंट अवार्ड से सम्मानित कइलन. एह दौरान भारतीय टीम के सभ खिलाड़ी ताली बजा के रवि शास्त्री के पुरस्कार के जश्न मनवले।