उत्तर कोरिया अतवार का दिने कहलसि कि ऊ रूस का साथे अउरी रणनीतिक आ सामरिक सहयोग पर सहमत हो गइल बा जेहसे कि ऊ “नया बहुध्रुवीकृत अंतर्राष्ट्रीय व्यवस्था” स्थापित कर सके काहे कि दुनु देश अपना अलग अलग मोर्चा बनावे के काम करत बाड़े जवना से अमेरिका का साथे तनाव अउरी बढ़ गइल बा.
पिछला हफ्ता मास्को में उत्तर कोरिया के विदेश मंत्री चोए सोन हुई के रूस के राष्ट्रपति व्लादिमीर पुतिन आ विदेश मंत्री सर्गेई लावरोव से भइल मुलाकात के बखान करत उत्तर के विदेश मंत्रालय कहलसि कि पुतिन प्योंगयांग जाए के आपन इच्छुकता के भी दोबारा पुष्टि कइले बाड़न आ कहले बाड़न कि ई “शुरुआती तारीख” पर आ सकेला.
उत्तर कोरिया रूस से आपन संबंध सक्रिय रूप से मजबूत करत आइल बा जवना के खास बात नेता किम जोंग उन के सितंबर में पुतिन का साथे शिखर सम्मेलन खातिर रूस यात्रा से उजागर भइल बा. किम कूटनीतिक अलगाव से बाहर निकल के आपन पैर मजबूत करे के कोशिश करत बाड़न काहे कि ऊ वाशिंगटन, सियोल आ टोक्यो का साथे गहिराह परमाणु मुठभेड़ के नेविगेट करत बाड़न.
अतवार का दिने एगो अलग बयान में उत्तर के विदेश मंत्रालय यू.एन. देश के ताजा बैलिस्टिक परीक्षण पर आपात बैठक बोलावे खातिर सुरक्षा परिषद के, जवना के सरकारी मीडिया हाइपरसोनिक वारहेड से टिपल एगो नया इंटरमीडिएट रेंज ठोस ईंधन मिसाइल बतवले बा. मंत्रालय के कहनाम बा कि, 11 जनवरी के भईल टेस्ट फायरिंग। 14 देश के रक्षा क्षमता में सुधार खातिर नियमित गतिविधियन में शामिल रहे आ कि एकरा से अपना पड़ोसी देशन खातिर कवनो खतरा नइखे.