shabd-logo

इमली के बीया

30 October 2023

8 देखल गइल 8

लइकाई के एक ठे बात मन परेला त एक ओर हँसी आवेला आ दूसरे ओर मन

उदास हो जाला। अब त शायद ई बात कवनो सपना लेखा बुझाय कि गाँवन में जजमानी

के अइसन पक्का व्यवस्था रहे कि एक जाति के दूसर जाति से सम्बंध ऊँच-नीच पर

कायम ना रहे, ना रुपया पइसा के लेन-देन पर ओ व्यवस्था में सबकर सब प हक रहे

आ केहू ओ में दखल ना दे सके बियाहे में, जनेवे में, बाँसे के छितनी, बाँसे क डाल

बनावे वाला धरिकार बसें । ओनहन के जजमानी बॅटल रहे। जवन गाँव ओनकै जजमानी

के रहे ऊ गाँव उनुकर गाँव हो जाय, ओही किसिम के मिल्कियत ऊ मानें। एक बेर अइसन

भयल कि हमरे गाँव के जजमानी वाला धरिकार हमरे लग आयल बोलल कि बाबू एक

ठे कागज बनाय दें, हम ई गाँव पाँच बरिस खातिर बन्धक रखल चाहतानी, पाँच रुपया

में हमरा बड़ा किरोध आइल कि ई कवन गाँव के बंधक रखे वाला ! त बोलल कि बाबू

गाँव पर सबकर आपन हक होला, हम आपन हकवे नू बंधक राखतानी, दोसर आपन

हक रखो, हमके कवनो गुरेज नाई बा। खैर कागज बना देहली, ऊ गाँव बन्हकी रखलैं,

कब छोड़वलें भगवान जानें तब त हँसी आइल, आज सोचले त मन उदास हो जाला

कि का हम अपने गाँव प ओ हक के दावा क सकीलें? जवने गाँव के पानी पियलीं, जवने

गाँव के बयार साँसे में भरल, जवने के धूर-माटी में बड़ भइलीं, जवने के आगे के बगइचा

में जेठ के हलकारत लुक्कड़ के कुच्छू नाई बुझलीं ओह गाँव के का हम आपन कह

सकले ? बरिस क बरिस बीत जाला ओ गाँव में जाय के मौका न लागेला । कइसे कहीं

ऊ गाँव हमार ह आ ईहो कइसे कहीं कि ऊ गाँव हमार ना ह। ओ गाँव के लोगन के

जवन प्यार-दुलार आदर मिलल बा, कइसे कहीं कि कहे प्यार-दुलार आदर हम ना हुई।

राप्ती नदी के कछारे में बसल गाँव, नगीच से नगीच सड़क तीन कोस, आज-काल्ह के नाप-जोख में 10 कि.मी. लामे, नगीच से नगीच रेलवे स्टेशन पाँच कोस, माने लगभग सोरह किलोमीटर लामे, गाँव के पछिम ओर एक कोस प राप्ती नदी आ पुरुष और एतने दूरी पर गोर्रा, राप्तिए नदी से निकलल एक ठो शाखा बाढ़ आवे त दूनो नदिया एक हो जाय अपने गाँव के गैंड़ा नाव लागे, ऊहे सड़क ले चलि जाय। बाग-बगइचा सब पानी में डूब जाय, बाढ़ि निकल जाय त अइसन पानी खेतन में आवे कि खाद दिहले के जरूरते ना रहि जाय। उपरे उपरे अनाज छींट दें त ऊ छतियाफार उपजे बाढ़ तब एक साल आँतर देके आये। जवना साल ना आवे तवने साल रहर अइसन उपजे कि ओ में गाइ-भैंइस त लुकाइए जाय छोट मोट हथियो लुका जाय। कछारा में रहरी रहरी अदमी कोसन चल जाय, पते ना लागे गाँव के पुरुष ओर आने के बगइचा रहल। सबसे छोर प हमरे घर के बाग रहल सज्जी बिज्जू आम रहल आ बड़ा पुरान। चिनियवा आम फरे त गाड़ी के गाड़ी आमे आम, करियवा में आम कम आवे, बड़ा मोट ओकर छिलका रहे बाकिर रस बड़ा गाढ़ रहे। जरलहवा आम बड़वर रहे, आधा बिजली लगले से झुराइल रहे आ ओकरे नाते ओकर अजवे सवाद रहे। मिठवा गोपुली एक जड़ में दू आम रहल। एक ठो आम रहल जवन कच्चे मीठ रहे आ पाके त ओमें कीड़ा पर जाय, आ एक ठो मुदियवा आम रहे, छोटे होखे आ कठेसे होखे बाकिर बहुते मीठ कवनो के सवाद दोसरे के सवाद से ना मिले। गाँवो के ईहे हिसाब रहे। केहू के गुण दोसरे में ना मिले, गुण अलगे, चेहरो अलग, सुभावो अलगे, चलवो अलगे ओ बगइचा के बीच में एगो पीपरे के पेड़ रहे ओके घंटहवा पीपर कहल जाय आ ओके नीचे जात के लरिका सब डेरायें। ओही बगइचा से होके प्राइमरी स्कूल में जाय के रहे। प्राइमरी स्कूल दोसरे गाँव में रहे, ओके बीचे मरगा नाला रहे, बाढ़ में कहो नदी हो जाय। कम पानी रहे त केकरो कान्हे प, ना त लकड़ी जोड़ के नाव बना के पार कइल जाय। पता ना कहाँ के जलकुंभी आ गइल कि सुखा गइल ना त तनी-मनी पानी गर्मियों में रहे। ओही मरगवा के सटले तीन-तीन गाँव रहे दखिन सीवान प गोपलापुर, पछिम सीवान प दुलारी आ कोनाहे पछिम उत्तर दीव आ दिक्खिन के ओर कोनाहे डुमरी ।

हमार गाँव सबके बीच में रहे आ सबसे तनी ऊँचो रहे। हमरे गाँव में सबसे नीमन बात ई रहे कि सब जाति आ व्यवसाय के लोग रहल । पाँच घर बढ़ई, चार घर लोहार, चार घर नाऊ, पाँच घर दखिनहवा चमार, एक घर चमड़ा के काम वाला चमार, तीन घर तेली, पाँच घर कलवार, तीन घर कोहार, तीन घर माली, दू घर लाला, दू घर सकलदीपी बाम्हन, एक घर पुरोहित, सबसे ढेर घर अहीरन के, मलाहन के आ मुड़ेरी लोगन के । मुड़ेरी लोग अधिकतर बंगाल में, असम में नाय चलावे, तिजारती बड़की बड़की नाय । होली के अरीब-करीब घरे आवें आ जतना दिन गर्मी रहे ओतना दिन ओनहन के बंगाल, असाम के जादू के खीसा गाँव के बयारि में लहरात रहै। उनके घर के मेहरारू कुटनी- पिसनी के काम करें। ओ में से एक मेहरारू आन्हर रहल। हमरी घरे आवे आ चाकी प दाल दरे, पिसान पीसे आ कबो-कबो हमन के कथो कहनी सुनावे बिना केकरो मदद के ऊ चलि आवे। हमरे घरे हरवाह मलाह रहत रहलन भा चमार रहलन, बाकी सिलवाह त सुखई रहले, उनके पहिले उनके बाप रहले दुल्हर सुखई काका के बड़ी रोब रहे। ऊ बाहर के बखार से महीने महीने खोराकी में अनाज लें आ बड़ा अधिकार से हिसाब माँगें । हमरे घर के पिछवारे बढ़ई के घर रहे। ओमें से हरबंस हमरा साथे पढ़तो रहले। पछिम और कहारे क घर रहे आ ओमें से रघुनन्नन हमरा साधे रहले उत्तर के घर सुन्नर लोहार के रहल ओ घरे के मटेल्हू के माई के हमरे घर में बड़ा दखल रहे हर काज परोजन में ऊहे पतुकी, घइली, कोसा, कसरा बनाके दें। दिया-दियारी में दिया बनाके दें हमहन के, माटी के जाँता जाँती, छोट गाड़ी बना के दें आ खूब लड़ें बियाहे उयाहे में मड़वा में हाथी रखाय ओ प कलसा रखाया अपना पतोह के आगे क के ऊ जब हाथी कलसा लेके आवेंत ओके परिछन होवे आ ओ परिछन में ओके नखरा देखे लायक रहे।

हमरे घरे के उत्तर ओर बिरजू अहीर के भाई-बंद रहें। एक कोना में सरनाम-बिसराम रहले ओकरा सटले मलाहे के घर रहे ओमें एगो सोखा रहले बिरजू ऊहो हमार हरवाह । उनकर चार भाई में एगो टहल रहले टहल बहू आ बिसराम बहू में दिन के आँतर भले पर जाय बाकी सबेरे-सबेरे संवाद शुरू होखे त दतुअन मुँहे में रह जाय आ गारी सराप के कवनो कोटि बाकी न रह जाय। दूनो जने अपने-अपने घरे के छोर तक आ जायें। ना कबो हाथापाई भइल ना झोंटा-झोटउअल, खाली गारी संग्राम होखो आ जब दूनो थकि जायँ तब उनुकर दतुअन पूरा होखे। हमार दादा पूजा करे बइठें आ महाभारत शुरू हो त कहैं कि अब शास्त्रार्थ शुरू हो गइल। बिरजू अहीर के एक लड़िका बलराज आ फिर दू लड़का दिलराज - लखराज। दिलराज कुछ दिन ले हमरे घरे नौकरो रहले आ लालटेन बुतावे के होखे त ऊ बजाय बाती नीचे करे के मुँह से फूँक के बुतावल चाहें। ऊ रंगून कमाय गइलें आ ओहीजा अलोप हो गइलें। एसे उनुकर माई लखराज के माई के नाँव से जालन जाय लगली । ऊ हमरा मतारी के सखी रहली लखराजो संसार से चल गइले । उनके एक ठे बेटी रहल ऊ हमरा दीदी के सखी रहे। लखराज के माई के ई नियम रहै कि हम छुट्टी प आई त बढ़िया दही जमा के ले आवें। काजो परोजन के कहे दही जमावें । उनुकर हथौटी दही जमावे में मशहूर रहल। उनुकर जमावल दही के सवाद अबहीं ले जीभे में लागल बा, कवनो दही ओकरे आगे नीक ना लागे। हमरे घर के पुरुष शिवधनी अहीर के घर रहे आ दूनो के बीच में डीह बाबा रहले, जिनकर पूजा दुखहरन चमार करें। उनुकर डफली आ तासा के बिना कवनो शुभकार्य होय ना उनके बेटा हमरे ईहाँ बाद में हर चलावत रहले आ उनके घर के रमेश बहू सउरी में घगड़िन के काम करत रहली। हमार जनम उन्ही का हाथ भइल। तब छुट्टी ले त ऊहे चमाइन सउर सम्हारैं, ओकरे बाद नाउन सम्हारैं । हमार नाऊ रहले जगरोपन बड़ा सोझवा । ऊ जतने सोझवा, उनुकर मेहरारू ओतने मुँह के तेज आ रोअनी हमार जनम खिचड़ी के दिने भइल रहे आ ओ साल बाढ़ अइले के नाते तनी मनी अकाले के स्थिति रहल। आधा गाँव खिचड़ी बनल-हमरे जनम में जवन पइसा लुटावल गइल ओही से गाँव में लोग के हमरे ऊपर प्यार बहुत रहल। गाँव भर में हम बाबू कहल जाईं। अधिक उमर वाली लरिका मार्ने आ उनुकर पतोह चाहे कतनो सेयान होखें, देवरे मानें। हम साते आठ बरिस के रहली तबे देवर मानके अइस चुहल करें कि हम लजा जाईं। ओमें कई ले त बहुत ढीठ रहली हम चार साल के रहली कि नागपंचैया के दिने शिवधनी बहू पंचरंगी पहिर के निकलली हम बाबा से कहलीं कि एही से आपन बियाह करब । बाबा कहले कि कुजात हो जइबs। हम जिद पकड़लीं त शिवधनी कहले कि अच्छा भाई, आज से ई तहरे मेहरारू भइल। ऊ मेहरारू का भइल आफत हो गइल। हम पढ़े जाई ओही रास्ता से त ऊ अपना लइकन के ललकारें, देखऽ, तहार दादा जा तारें, हम तेजी से भाग जाई ओ लरिकाई के भूल के खामियाजा जले हम पढ़त रहली- हाई स्कूल, इण्टर में तले भरलीं । हम ए गोपी-प्रसंग के गोपन रखल चाहीं जवना के ऊ उधार दे । हम के बड़ा संकोच होखे। हमार बियाह भइल त शिवधनी बहू दही लेके अइली । हमरा पत्नी से भेंट भइल त कहली कि देखीं रउए हमार लहुरी सौतिन हुई। फेर लाज- संकोच चल गइल आ एक सहज हँसी-मजाक बन गइल।

गाँव के नाँव का पकड़डीहा पड़ल एकर हमरा कवनो जानकारी त ना बा, बाकिर गाँव के दखिन एगो पकड़ी के पेड़ रहल। कबो शायद बड़वर रहल होई। ओहिजा हमार खरिहान रहल, ओके दखिन काली माई के थान रहल। जइसन सज्जी जगह होला ओहिजो कवनो मूर्ति ना रहल खाली माटी के हाथी घोड़ा बदलल जाले साले साल, जवन उनके सवारी के बोध करावे ले। कुआर चइत में फूले के रथ चढ़ावल जाला। मालिए लोग के काम ह ई केहू के बियाह शादी पड़े त काली माई के थाने गइल जरूरी। काली माई, डीह बाबा, बरम बाबा हर गाँव में रहेले आ उनुकर थाने के पूजा होला। ओइजा कवनो मूर्ति ना होखे। हमरे गाँव में कवनो जमाने में बीर बाबा रहले माने यक्ष के पूजा होत रहल। हमार एगो खेत रहे, बरेतर नाम के, उहाँ एगो बरगद के पेड़ रहे। ओही बरगद के नीचे बीर बाबा के धान रहे। खीसा-कहानी में लोग उनके नाम इयाद करे। बाकिर ऊ पेड़ हमरा बचपने के खाली यादगार बन गइल रहे।

जवने घर में हमार पैदाइस भइल ऊ कच्चा रहे। ओकर बहुत सपना अइसन इयाद रह गइल बा । खाली एक प्रसंग अवहीं ले इयाद बा। शायद हमरे मन प परल पहली छाप ह क हम ढाई-तीन बरिस के रहल होब पच्छिम ओर दलान रहे। ओही दलान में भाई-बहिन अधपाकल फरुही (इमली) खइलों । हमसे ओकर बीया घोटा गइल। हमरे दीदी के चिन्ता भइल कि इमली खइले सब रोकेला, एके बतवलो ना जा सकेला आई बियवा जामी त का होई। कई महीना ले ओ बियवा के अँखुआइले के अनेसा बनल रहल। वियवा नाई जामल, कहीं भितरे भीतर ऊ अइसने किसिम के पेड़ बन गइल जेके बारे में बतावल बहुत मुश्किल बा। हम गाँवे में ना रहीलें बाकिर ओही पेड़वा के करने गाँव हमरे भीतर रहेला ओ पेड़वा के सोर बहुत नीचे चल गइल बा, भीतर बहुत गहिरे चल

गइल बा।

आज लोग कहले प पतियाई नाई कि पिछड़लो कहायेवाला गाँव अइसन मेल-जोल गाँव हो सकेला जइसन हम देखले हई ई नाई कि राग-द्वेष ना होखे, आपस में कलह ना होखे, एक दूसरे के बारे में एहर ओहर के बात ना होखे, गोहे-बगाहे झोंटा-झोटउअल ना होखे, गारी सराप ना होखे-सज्जी रहल, अइसन - अइसन पंचाइत हमरे बाबा के सामने आवे जवने के गवाह ए दुनिया में मौजूदे ना होखे केहू कहे कि फलनी अपने नइहरे के भूत हमरे ऊपर चला देले बाटिन, केहू कहे कि ई हमरे ऊपर टोना क दिहले बा । तब टोनहिन के नाम एक ठो आतंक रहे। संजोग से हमरे गाँव में कवनो टोनहिन ना रहल, बाकिर माई - ओई दोसरे गाँव के टोनहिन के बारे में चेतावें कि ओनके नजरन में मत परिहऽ । ओसह एक धोकर वहा के भय रहे कि बड़वार झोरा में ऊ लरिकन के उठाके चल देला । जवने बगइचा से होके स्कूल जाईं ओ बगइचे के बारे में हजारन किस्सा रहे। ई सब रहल। पुराने जमाने के त जुलुम के किस्सा रहबे कइल अपना सामनहूँ हम जमींदारी के जुलुम कुछ-कुछ देखले रहीं। ई अच्छा रहल कि हमनी के ओ गाँव में जमींदार नाई रहली। बाकी के जाने कतना पुश्त से हमरे घर के बूढ़ मुखिया रहले आ हमरे बाबा के दावा रहे कि हमरे गाँव से केहू के रपट थाना में नइखे गइल। झगड़ा-फसाद के निपटारा गाँवे में हो जाय। बाबा घंटो लाग के भूत-प्रेतन के पंचाइत निपटा दें। ई जरूर रहे कि हमन के ओ गाँव में इज्जत रहे, आसो पास के गाँव में धन-दौलत के नाते ना, ना अउसे कवनो अधिकार के नाते खाली एसे जे अइसन पण्डितन के घर रहे जे केहूके दुआरे गइले ना, कवनो रजो के नेवता ना खइले, जे के कवनो घरम-करम के बारे में पूछे के होखे ऊ हमरे घरे आवे। आ ईहे नाहीं, पटवारी के कागज में कुछ गलती होय त होय, हमरे बाबा के याददाश्त में गाँव के घूर घूर के नक्शा अइसन साफ रहल आ सात-सात पुश्त के कुर्सीनामा अतना साफ रहल कि लोग उनके बात के यकीन करै नेम रहल कि बाबा सबेरे दिशा-मैदान जायँ त एक फेरा अपने सज्जी खेत के त लगाइए लें। पूरा गाँव के खेती के हिसाब लगा लें आ कहाँ का करे के बा, कवन कमी वा एकर हिदायत हरवाहे के दे दें। उनके साथे हम बहुत हिलगल रहलीं। उनही के साथे जागी सूती, ऊहे हमके महाभारत, रामायण के किस्सा सनुवल आ गाँव भर के कुर्सीनामा त सुनइबे कइले, गाँव के आस- पास के लोगन के पूरा इतिहास, 57 के बदअमली के इतिहास; जे लोग के जमींदारी रहल, सगर के बड़का घर के इतिहास पूरा सिलसिलेवार बतवले। हम काफी सेयान हो गइलीं त जनलीं कि हमार सग बाबा ना हवें, हमरे बाबा के बड़का भाई हवन

ओ समय हमरे गाँव में बाजार ना लागत रहे। बाजार सोमारे सोमार बगल के गाँव बिसुनपुरा लागत रहे आ सोमार के बाजार कइले के नजारो एगो नजारा रहे। जगह-जगह देखे में आवे कि ओ गाँव के मेहरारू ए गाँव के मेहरारु से अँकवार लेके भेंटत बाड़ी आ जरिके में गोहरी के आग मतिन सुनगत बाटिन । दुई चार बून आँसू गिरा के फेर हँस- हँस के इनके उनके बारे में नीमन बाउर बतियावत बाटिन बजार गइले के एगो उमंगे अलग | अपने छोटके दादा के साथे बजारे जाई आ घुघो गाँव के हलुआई मिठाई बेचे आवे। उनके से गुड़ के बताशा लेई ऊ गुड़ के बताशा हम फेर अब कहीं गाँव में देखला नाई। बड़े-बड़े शहरन में गुड़ के फैशन आवडता बाकिर गुड़के बताशा के सोन्हाई अब केहू का जानी, गाँव के सोन्हाई अब केहू का जानी! ई सोन्हाई आवेला मनई के हाथे के कवनो परस से, ऊ परस अब गायब हो गइल, मनई मन से अगर मटियो छुवे त ऊ सोना हो जाई आ अगर कुभाव से सोनवो छुए त माटी हो जाई । गडओ त बटले बा भूगोलो में बा, सन 57 के इतिहासों में बा, बाकिर गाँव में जवन रिश्ता के पारस परस रहल ऊ नाई बा। हालांकि, चाहे हमार भरमे होखे, हम आठ-दस साल पहिले गया जाय के पहिले गाँवे गइल रहीं, गाँव के पितरन के नेवते के रहल कि चल सभे गया, त गाँव में कवनो घर ना बचल जहाँ के लोग अछत देबे ना आइल होखे देखलों कि जवन चेहरा फूले मतिन खिलल रहले तवन मुरझा गइल। जहाँ बतीसी झलकत रहल उहाँ गाल पंचक गइल। जवना हाथे में पछेला रहल ऊ हाथ सून हो गइल। शिवधनी बहू आधा पागल हो गइल रहली। नया नया लड़का अइले जिनके चेहरा से उनके बापे के चेहरा याद आइल आ उनके बापे के नाँवे से बोलवल गाँव के लोग के अजगत लागे कि हमके सबकर नाँव इयाद बा नाँव कइसे न याद रहो? हर नाँव के साथ कवनो न कवनो खट-मीठ-तींत बात टॅकल बा।

एक बेर हम कोशिश कइलों कि गाँव में अपने प्रयत्न से पंचायती व्यवस्था विध- विधान से हो जाय। आठ-नौ गाँव के बड़ पंचायत बनवली, बिना कवनो सरकारी सहायता के पंचायत के चुनाव आ कार-बार दुइ साल चलवल लेकिन ऊ सपना अस टूट गइल। हम अपने जवानी के जोश में ई ना समझलीं कि जवन ऊपरी ठाट-बाट से हेल-मेल से विधान बनेला ओमें कवनो सत नाइँ रहेला जवन पुश्त दर पुश्त से चल आइल बा ऊ अबो कवनो ना कवनो रूप में चलत बा। मण्डल के नगाड़ा के बावजूद काहे से कि ओकरे बिना कुछ नाइँ चली। अइसन नाइँ होत त अतना घरे क अच्छत हमरे अँजुरी में कइसे आवत ! आखिर सबके भरोसा रहल कि हम पुरान मनइन के अबो इयाद रखीलें, चाहे ऊ शिवभजन बढ़ई हों, गंगादीन अहीर हों, मुंशी बलराम लाल हों, शिवशरण हजाम हों, अपने बौड़मपन बदे अलग छाप लिहले राजा हों, कानून छाँटे वाला लोचन मलाह हों, दुकानदारी में उस्ताद रामदास हों, रघुबीर आ उधई के बहिर जोड़ी हो, अपना खइले के अनुपात में भार ढोवे वाला बीपत कोहार हों, सबके आगे अलग किसिम के बुद्धि के बात करे वाला शिवधनी अहीर हों, सबकर कहीं अलग-अलग रूप आ सबकर कहीं अलग-अलग रिश्ता मन में टॉकल बा ओही तरें लखराज के माई, रामअवध के माई, बिहारी के माई, दुनमुन फुआ, भनमतिया के माई, एक ओर आ दुसरी ओर चुहुल करे वाली ओ समय के दूदू तीन-तीन लरिकन के महतारी, बाकिर गाँव के रिश्ता में भौजी लागे वालिन के सहज स्नेह के रूप, उनके चुहल, उनके एक से एक दावा- ईहे सब जोर-

जार के गाँव हवे आ ओही के आपन गाँव कहि सकले। जहाँ छप्पर रहन उहाँ पक्का

मकान उठ गइल, जे दुब्बर रहल से जब्बर हो गइल, जे बोल नाइँ पावत रहे से बड़का

नेता हो गइल । ई सब गाँव के नक्शा चाहे होखे, गाँव ना ह आ गाँव होइवो करे त आपन

गाँव ना है। अब सड़क हमरे बगइचा से होत अउर आगे चल गइल, गोर्रा पर पक्का पुल

पर गइल, गाँव में कई ठे चाय के दोकान हो गइल, कौनो समय रहल कि दूध आ माठा

बिकात रहल। अब सितुही भर दूधे के चाय बिकाता । कवनो समय रहल कि जाति रोटी-

बेटी ले रहल। हमरे गाँव से उजर के दूसरे गाँव में बसल एगो पठान चाचा रहलें। एक

दूसरे के खेयाल अइसन रहे कि ऊ हमन खातिर एक ठो अलग ओसारा में जगह, भोजन

बनावे के बर्तन भांड़ समेत रखलें रहन। हमरे घर के बियाहे में आके कार-बार सम्हार

आ अब सुन ताटीं कि गाँव बदल गइल बा, गाँव में विजुली पहुँच गइल बा, गाँव के

दखिन वान्ह बन्हा गइल बा, अब बाढ़ आवे ना अब गाँव में साँवा कोदो टाँगुन ना होला ।

अब गाँव में कवनो कोल्हू ना बा ऊख ना पेराला आ गुड़ पकावे वाला कड़ाहा में आलू

भंटाना पकावल जाला, पाक कड़ा प जवन घिंटउड़ा गुड़ होखे, ओकर कहीं नाँव ना केहू

जानेला दूध डेयरी में चलि जाला। लखराज के माई के दही सपना हो गइल। गाँव में

दुआरे दुआरे बहुत कम पोंछ लउकेले । बैलगाड़ियो अब एकाध ठो टूटल टाटल पड़ल

होइहें। ई हो सही बा कि अब ओतनी भुखमरी ना होले, बाकिर गाँव से अब चौताल उठ

गइल। पचइया के दंगल उठ गइल । केहू चिक्का नइखे खेलत। कबड्डी त अब राष्ट्रीय खेल

में शुमार हो गइल । गुल्ली-डंडा के पता ना कवनो निशान बचल बा कि नाई। अब पटरी

सेल्हा से कहाँ चमकावल जात होई! कहाँ खड़िया के रोशनाई बा! का ओ प नरकुल के

कलम से लिखल जात होई बड़का सुन्नर सुन्नर अच्छर का ई सब बीत गइल का कबो

ई सब बीती ? हमरे लेखे पकड़डीहा त अबो 'सदा अनंद रहे एही द्वारे' के असीस बा आ

कदम के गाँछ चाहे कट गइल होखे 'झुलुहा पड़े कदम के डढ़िया में अबो गाँव के

रेखियाउठान उमिर जियतार गीत बनके गूंजेला । हम पकड़डीहा के निवासी हुई, ई कहसे

कहीं! खाली घर बा, दुआर बा एसे कइसे कहीं! एतना जरूर कहब कि पकड़डीहा हमरे

भीतर बा, ओकर कब्जा ताजिन्दगी बरकरार रही। ओकरे साधे-साथे उहाँ रहे वाला लोगन

के हको ओइसने बनल रही। ऊ हक हम कतना दे पाइब ना कह सर्की, बाकिर ओ हक

के हम देनदार हई, ई समुझ के हम अपना के ओ लोग के बनिस्पत अधिका भाग वाला

मानले जेकर कवनो जर सोर नइखे रह गइल आ जेकरे ऊपर केहू के हक नाई बनत बा।

अउरी कॉमिक्स-मीम किताब

20
लेख
हमार गाँव
0.0
भोजपुरी के नयकी पीढ़ी के रतन 'मयंक' आ 'मयूर' के जे अमेरिको में भोजपुरी के मशाल जरवले आ अपने गाँव के बचवले बा
1

इमली के बीया

30 October 2023
1
0
0

लइकाई के एक ठे बात मन परेला त एक ओर हँसी आवेला आ दूसरे ओर मन उदास हो जाला। अब त शायद ई बात कवनो सपना लेखा बुझाय कि गाँवन में जजमानी के अइसन पक्का व्यवस्था रहे कि एक जाति के दूसर जाति से सम्बंध ऊँच-न

2

शिवप्रसाद सिंह माने शिवप्रसाद सिंह के गाँव

30 October 2023
0
0
0

हमरा त आपन गँठए एगो चरित्र मतिन लागेला जमानिया स्टेशन पर गाड़ी के पहुँचते लागेला कि गाँव-घर के लोग चारो ओर से स्टेशनिए पर पहुँच गइल बा हमरा साथे एक बेर उमेश गइले त उनुका लागल कि स्टेशनिए प जलालपुर के

3

घर से घर के बतकही

30 October 2023
0
0
0

राप्ती आ गोरी नदी की बीच की कछार में बसल एगो गाँव डुमरी-हमार गाँव। अब यातायात के कुछ-कुछ सुविधा हो गइल बा, कुछ साल पहिले ले कई मील पैदल चल के गाँवे जाय के पड़े। चउरी चउरा चाहे सरदार नगर से चलला पर दक्

4

हिन्दी भुला जानी

30 October 2023
0
0
0

पर किस तरह मिलूँ कि बस मैं ही मिलूँ,  और दिल्ली न आए बीच में क्या है कोई उपाय !                                                -'गाँव आने पर जहाँ गंगा आ सरजू ई दूनो नदी के संगम बा, ओसे हमरे गाँव के

5

का हो गइल गाँव के !

30 October 2023
0
0
0

गाजीपुर जिला के पूर्वी सीमान्त के एगो गाँव ह सोनावानी ई तीन तरफ से नदी- नालन से आ बाढ़ बरसात के दिन में चारो ओर से पानी से घिरल बा। एह गाँव के सगरो देवी देवता दक्खिन ओर बाड़न नाथ बाबा आ काली माई आमने-स

6

कब हरि मिलिहें हो राम !

31 October 2023
0
0
0

गाँव के नाँव सुनते माई मन परि जाले आ माई के मन परते मन रोआइन पराइन हो जाला। गाँव के सपना माइए पर टिकल रहे। ओकरा मुअते नेह नाता मउरा गइल। ई. साँच बात बा, गाँव के माटी आ हवा पानी से बनल मन में गाँवे समा

7

भागल जात बा गाँव

31 October 2023
0
0
0

भारत के कवनो गाँव अइसन हमरो गाँव बा। तनिएसा फरक ई वा कि हिन्दी प्रदेश के गाँव है। आजकाल्ह पत्रकार लोग हिन्दी पट्टी कहत बाने एगो अउर फरक बा। हमार गाँव बिहार की पच्छिमी चौहद्दी आ नेपाल देश की दक्खिनी

8

जेहि सुमिरत सिधि होय

31 October 2023
0
0
0

साकिन जीवपुर, पोस्ट देउरिया, जिला गाजीपुर। देवल के बाबा कीनाराम के परजा हुई। गाँव में राज कॉलिन साहेब के जरूर रहे, उनकर नील गोदाम के त पता नाहीं चलल, लेकिन हउदा आजो टूटल फूटल हालत में मिल जाई बिना सिव

9

थोरे में निबाह

31 October 2023
0
0
0

छोटहन एगो गाँव 'महलिया' हमार गाँव उत्तर प्रदेश के देवरिया जिला के सलेमपुर तहसील में बसल ई गाँव । कवनो औरी गाँव की तरे, न एकर बहुत बड़हन इतिहास न कवनो खास खिंचाव । एहीलिए न एकर कबो खास चर्चा भइल, ना सर

10

इयादि के धुनकी के तुक्क-ताँय

1 November 2023
0
0
0

हमार गाँव दुइ ठो ह दोहरीघाट रेलवई के पीछे उँचवा पर एक ठे गाँव ह 'पतनई'- घाघरा के किनारे ओहीं जदू से बलिया ले नहर गइल है। जात क राही में नील के खेती क पुरान चीन्हा मिले। एक ठो नाला बा आ ओकरे बाद खेत रह

11

पकड़ी के पेड़

1 November 2023
0
0
0

हमारे गाँव के पच्छिम और एक ठो पकड़ी के पेड़ बा। अब ऊ बुढ़ा गइल बा । ओकर कुछ डारि ठूंठ हो गइल बा, कुछ कटि गइल बा आ ओकर ऊपर के छाल सूखि के दरकि गइल बा। लेकिन आजु से चालीस बरिस पहिले कहो जवान रहल। बड़ा भा

12

जइसन कुलि गाँव तइसन हमरो

1 November 2023
0
0
0

ग्राम-थरौली तप्पा बड़गों पगार परगना-महुली पच्छिम तहसील सदर जिला- बस्ती। एक दूँ दूसरको नक्सा बाय ब्लाक-बनकटी आ अब त समग्र विकास खातिर 'चयनित' हो गइल गाँव । चकबंदी में बासठ के अव्वल रहल, अबहिन ओकर तनाजा

13

मिट- गइल - मैदान वाला एगो गाँव

1 November 2023
0
0
0

बरसात के दिन में गाँवे पहुँचे में भारी कवाहट रहे दू-तीन गो नदी पड़त रही स जे बरसात में उफनि पड़त रही स, कझिया नदी जेकर पाट चौड़ा है, में त आँख के आगे पानिए पानी, अउर नदियन में धार बहुत तेज कि पाँव टिक

14

गहमेर : एगो बोढ़ी के पेड़

2 November 2023
1
0
0

केहू -केहू कहेला, गहमर एतना बड़हन गाँव एशिया में ना मिली केहू -केहू एके खारिज कर देता आ कहेला दै मर्दवा, एशिया का है? एतना बड़ा गाँव वर्ल्ड में ना मिली, वर्ल्ड में बड़ गाँव में रहला क आनन्द ओइसहीं महस

15

बनै बिगरै के बीच बदलत गाँव

2 November 2023
0
0
0

शंभुपुर शुभ ग्राम है, ठेकमा निकट पवित्र ।  परम रम्य पावन कुटी, जाकर विमल चरित्र ।।  आजमगढ़ कहते जिला, लालगंज तहसील |  पोस्ट ऑफिस ठेकमा अहे, पूरब दिसि दो मील ।।  इहै हौ 'हमार गाँव', जवने क परिचय एह

16

कवने गाँव हमार !

2 November 2023
0
0
0

सभे लोगिन अइसन आज कई दिन से हमरा अपना गाँव के बारे में कुछु लिखे आ बतावे के मन करता । बाकी कवना गाँव के आपन कहीं, इहे नइखे बुझात। मन में बहुते विचार आवडता एह विचारन के उठते ओह पर पाला पड़ जाता। सोचऽता

17

बाबा- फुलवारी

2 November 2023
0
0
0

ई बाति 1971 के है रेडियो पर एगो गीति अक्सर बजल करे-'मैं गोरी गाँव की तेरे हाथ ना आऊँगी।' तनी सा फेर- -बदल कके एगो अउरी स्वर हमरी आगे पीछे घूमल करे- 'मैं गौरी गाँव की, तेरे हाथ ना आऊँगी।' बाति टटका दाम

18

हींग के उधारी से नगदी के पाउच ले

3 November 2023
0
0
0

बहुत बदलि गइल बा हमार गाँव। कइसे? त देख शहीद स्मारक, शराबखाना, दू ठे प्राइमरी स्कूल, एक ठे गर्ल्स स्कूल, एक ठे मिडिल स्कूल, एक ठे इंटर कालेज, डाकखाना आ सिंचाई विभाग के नहर त पहिलहीं से रहल है। एक ठे छ

19

शहर में गाँव

3 November 2023
1
0
0

देवारण्य देवपुरी। देवरिया। बुजुर्ग लोग बतावे कि देवरिया पहिले देवारण्य रहे। अइसन अरण्य, जेमें देवता लोग वास करें। सदानीरा यानी बड़ी गण्डक के ओह पार चम्पारण्य, एह पार देवारण्य उत्तर प्रदेश आ बिहार के

20

जइसे रे घिव गागर प्रकाश उदय

3 November 2023
0
0
0

जे गाँव के गँवार हम दू गाँव के, हम डबल गँवार।  कि दो ओहू से बढ़ के पढ़े के नाँव प गाँवे से चल के जवना शहर कहाय वाला आरा में अइलीं तवन गाँवो से बढ़ के एगो गाँव। अगले बगल के गाँवा गाँई के लोग- बाग से ब

---

एगो किताब पढ़ल जाला

अन्य भाषा के बारे में बतावल गइल बा

english| hindi| assamese| bangla| bhojpuri| bodo| dogri| gujarati| kannada| konkani| maithili| malayalam| marathi| nepali| odia| punjabi| sanskrit| sindhi| tamil| telugu| urdu|