गांव के पूरब दखिन के कोण पर थप थप ऊजर दू महल्ला कोठी। गजाधर चौधरी के निवास स्थल। नाम-सुख सागर।
गजाधर बाबू मुखिया पति। नावाडीह पंचायत के मुखिया श्रीमती सुनीता देवी के पति। खुद अपने मुखिया पति के अलावा भोजपुर जिला परिषद के उपाध्यक्ष।
ई परिचय तऽ दुनों बेकत के भइल। अब मिलीं सभ परिवार से। छोटका भाई ददन चौधरी नावाडीह पैक्स के अध्यक्ष। भतीजा करण चौधरी के नाम से गांव के जन वितरण प्रणाली के अनुज्ञप्ति। बेटा संतन सिंह विधायक प्रतिनिधि अउर युवा जदयू के राज्य सचिव। करण चौधरी के औरत श्रीमती ललिता चौधरी गांव जलछाजन समिति के अध्यक्षा। करण चौधरी के बेटा मनरेगा कार्यकर्ता।
पंचायत सेवक श्री शिवजी तिवारी अउर मिडिल स्कूल के प्रधानाध्यापक राधेश्याम प्रसाद गजाधर चौधरी के माननीय वार्षिक मेहमान। श्री तिवारी के जिम्मे पूरा गांव के सही गलत मनरेगा कार्ड के संधारण के जिम्मेवारी के साथे ग्राम सभा के खानापूर्ति के औपचारिकता के पूरा करावे के जिम्मेवारी।
गांव के विभिन्न संस्था के सत्यापन हेतु पहुंचे बीडीओ साहब के नावाडीह में एक ही दरवाजा पर सब समिति के सदस्य मिल गइलन। वे गजाधर बाबू के प्रशंसा करत कहलन राउर तऽ आदर्श गांव बा कतहीं कवनो झंझट ना। ना तऽ हर गांव में तऽ मारामारी के नौबत लाग जात बा।
गजाधर बाबू बीडीओ साहब के जात खा गाड़ी में एक बोरा बासमती अउर एक बोरा रहर के दाल रखवावत पाकिट में एगो मोट लिफाफा रखत बोललन कि सोमवार के आके ब्लाक पर मिल लेब। हुजूर के नजरें इनायत बनल रहे, ध्यान राखब।
बीडीओ साहब के अनुशंसा पर गांव प्रबंधन समिति नावाडीह के जिला में प्रथम स्थान देत मुखिया श्रीमती सुनीता देवी के शाल अउर प्रशस्ति पत्र देके जिलाधिकारी द्वारा सम्मानित कइल गइल। साथ ही नावाडीह के आदर्श गांव के सम्मान से नवाजल गइल।