shabd-logo

राम भरोसे

23 November 2023

0 देखल गइल 0

काली माई तर बइठल रामधन अउर बाबूलाल आपस में बात करत रहे लोग। रामधन बोलले बाबूलाल काका तूं त अब साठ के लपेट के भइल का कभी अइसन आपत बिपत के समय देखले रहला हा।

अरे ना मरदे! आज ले खेलत कूदत जिनगी बितल रहे। मुँह में जाब लगा के मेहरारू जइसन समय घर भीतरे बीत रहल बा। दोसरा के देख के लागता करोना बढ़ल आवता अपना ओरे। बुझाता आदमी आदमी ना ह चीन से चलल भाइरस ह। अब भगवाने मालिक बाड़न।

ठीक कहताड़ काका। अरे हमरा टोला त सबका घर में एक दूगो कोठरी बा। एक रुम में पांच सात लोग रहता। अभी ले करोना गांव के नइखे छुअले। आ जाई त हमनी के का होई सोच के हाड़ काँप जाता।

चिंता मत कर। सरकार बड़ा तत्पर बा। रोज बड़का दुआर पर पेपर देखे जाइना। सरकार सब तैयारी कइले बा । विधायको जी के परसो गांवे प्रोग्राम बा। अनाज, साबुन अउर मास्क तोहरे टोला बँटिहें। कवनो दिक्कत बुझात होखे त बता दिह। काल आरा गइल रहीं। सब कागजी हवाबाजी होता। सभे कहत रहे आपन सुरक्षा अपने हाथ। सरकार के भरोसा रहब त मुआ घाली। सदर अस्पताल के हालत केकरा से छिपल बा। निजी अस्पताल त ढुकही नइखन स देत। चल हमनी गरीब के जीवन राम भरोसा चलेला आगहूं राम भरोसे चली।

सुन रामधन आज ले गांव में कवनो बड़का आफत नइखीं देखले । काली माई के छत्रछाया रहेला गांव पर। अबकियो बेरी रखिहन। चल घरे चलल जाय ढ़ेर देरी बहरा रहे के समय नइखे रह गइल।

ठीक बा चलल जाय।

रामधन सर संघतियन जोरे समय पर विधायक जी के मीटिंग स्थल पर पहुंच गइल रहन। मुखिया जी अउर बीडीओ साहब समय पर आ गइल रहन। विधायक जी दू घंटा देर से पहुंचलन। आवते मीटिंग शुरू हो गइल जे डेढ़ घंटा चलल। जेकरा में खाली चुनाव के बात भइल। करोना पर कवनो बात ना। अंत में कुछ लोग के विधायक जी के हाथे अनाज अउर मास्क दे के फोटो खिंचावल लोग।

विधायक जी के जाये के समय भींड के चीरत रामधन अउर बाबूधन दुनो भाई जब विधायक जी भीरी पहुंचे के कोशिश करत रहे त बीडीओ साहब अंगरक्षक के रोक देवे के इशारा कइलन। बाकिर विधायक जी ऊ लोग के इशारा कर पास बुला लेले।

रामधन प्रणाम करके कहले समय बड़ा विपरीत चलता जानते बानी। बड़कागांव में त महामारी के रूप में कोरोना आ गइल बा। बिदेशी ठाकुर के वेटा त पटना लेजात रस्ते में दम तोड़ देलस हा। गांव डरल बा कुछ करी अव रउवे पर भरोसा बा। तुम्हारा नाम रामधन है ना? मुझे याद है पिछले चुनाव में काफी काम किया था। तुम तो जानते हो चुनाव नजदीक है। आकर आरा डेरा पर मिल लेना।

हम कोरोना के बात करतानी रउवा कुछ उपाय करी ना त जान ना बाची।

तुमको कोरोना और जान को पड़ी है। मुझे सर पर खड़ी चुनाव की पड़ी है। देख रहे हो ना कोरोना के संकट में भी दिन रात गांव गांव दौड़ रहा हूँ अपने चुनाव के खातिर कोरोना के आड़ में। आरा आना देख लूंगा।

जान बाची तब नू चुनाव होई। जान बचावे खातिर कुछ करी।

तुम हमारी भावना को समझ नहीं रहे हो। याद है जब पहली बार तुम्हारे गांव आया था तो तुमने कहा था राम भरोसे तुम लोगों की जिंदगी चल रही है। फिर काहे चिंता करत हौ राम जी करेंगे बेड़ा पार। पर हमारो चुनाव तो तुम्हारे भरोसो है कल आरा आ जाना कहते कार में बैठ विधायक जी रवाना हो गये।

25
लेख
ठाकुर जी के मठिया
0.0
लखन जस अनुज कंचन जेह पर हमारा नाज बा, उनके हाथ में सस्नेह!
1

जहर

20 November 2023
1
0
0

जानू दा। पूरा नाम जमालुद्दीन खान। मिलकी पर के जमींदार। सांझी खा दलान पर जब बैठकी में बइठस त गाँव के हिन्दू मुसलमान सभे जुटत रहे। जुटे काहे ना, वेद कुरान से लेके रामायण महाभारत के संगे चरचा होखे। संप्र

2

ठाकुर जी के मठिया

20 November 2023
0
0
0

संउसे गांव में मिठाई बंटात देख के ललन बिदेशी ठाकुर से पुछलन कि केकर बायन बंटाता हो। बिदेशी कहलन सुननी हा ना बड़का गउवाँ के बेटा अवधेश कलक्टर बनले हा ओकरे मिठाई बंटाता। रउवा त जानते बानी दिल्ली रह के त

3

रजमतिया

20 November 2023
0
0
0

रजमतिया ठेठ देहाती औरत। ओकर मरद उमेश पासवान कतरास कोलियरी में मजदूर के काम करत रहे। जीद क के गांवे से मरद के साथे कतरास आ गइल। दूगो लइकन के साथे परिवार के गाड़ी कसहूँ चलत रहे। कोलियरी ओह घड़ी निजी मलक

4

फूलवा

20 November 2023
1
0
0

छूट्टी के दिन एतवार के ड्राइंग रूम में बइठल ललन पेपर देखत रहन कि कॉलबेल के आवाज कान में पड़ल। उठ के दरवाजा खोललन त गांव के रामदास कहार पर नजर पड़ल। बड़ा सबेरे सबेरे। आव आव भीतरिये चल आव। बोरवो भीतरए ढ

5

सुनैना भउजी

21 November 2023
0
0
0

सुनैना बियाहे उतरली तऽ बियाह के घर भरल मिलल। कहीं तील धरे के जगह ना। हँसी ठिठोली के माहौल, काली पुजाई, चउठारी के रसम में दिन कइसे कट जात रहे पता ना चल पावत रहे। चार पांच दिन में सब हित नाता के जाते गा

6

हरित नायिका

21 November 2023
0
0
0

सुमन मुंडा, परसाबाद ग्राम वन संरक्षण अउर प्रबंधन समिति के अध्यक्ष, सरायकेला जिला परिषद सदस्य, राष्ट्रीय वृक्ष मित्र 2018 पुरस्कार से पुरस्कृत, 'हरित भूमि' गैर सरकारी संगठन की अध्यक्षा। सुमन के आज इहे

7

राधा

21 November 2023
0
0
0

राधा अउर सतीश साथे पढ़त रहे लोग। ऊ दूनों के दोस्ती कब प्रेम में बदल गइल ई दुनों के पता ना चलल। साँच भी ह प्रेम त आराधना ह जे आराध्य से कब एक कर देला ई पता कहाँ चलेला। दूनों साथे जीये मुये के कसम ले

8

सुगिया गिरी मुरझाय

21 November 2023
0
0
0

सुगिया रामनाथ कँहार के चउथकी बेटी । उहे रामनाथ जे हमरा पटीदार कौशल भाई किहां बनिहार रहन। सुगिया के माई हमरो घर के गोबर गोइठा के साथे बरतन पानी के काम देखत रहे। रामनाथ उमिर में बड़ रहन एह नाता उनका के

9

नूर मियां

21 November 2023
0
0
0

काल ढ़ेर दिन पर आरा से गांव गइल रहीं। भोरे बधार से फर फराकित होके लौटत खा रस्ता में ललन पांडे से भेट हो गइल। प्रणाम पंडित जी। कब आसन आइल हा जजमान। काल साँझी खा अइनी। ई का सुनतानी नूर मियां के बारे

10

श्रद्धा के फूल

21 November 2023
0
0
0

रामचरन अपना गांव के हाई स्कूल के नउवा वर्ग के विद्यार्थी रहन। बात सन बहतर के ह। बड़ा गरीब घर के लड़िका बाकिर पढ़े में वर्ग के अउवल विद्यार्थी। वर्ग में सदा प्रथम आवत रहन। बलराम गुरूजी वर्ग शिक्षक रहीं

11

ऊपरी कमाई

21 November 2023
0
0
0

राजनाथ ग्रेजुएशन कइला के बाद कम्पटीशन के तैयारी पटना रहके करत रहन। पढ़े में शुरू से बढ़िया रहन। साल बितत बितत एक्साइज इंस्पेक्टर के परीक्षा पास करके बम्बई पोर्ट पर योगदान दे देलन। नौकरी लागते उनकर

12

दिवान जी

22 November 2023
0
0
0

झुनीलाल। संउसे गांवे ना जवारो दिवान जी के नाम से जानत रहे। केकरो घरे एक धुर जमीन नापे के होखे, दू भाई के बीच बँटवारा होखे भा केकरो जमीन के इतिहास जाने के होखे त ओकरा खातिर गांव के लोग दिवान जी के धरत

13

गुरही जिलेबी

22 November 2023
0
0
0

अब कहाँ चलता? बाकी इयाद बा नू गांवे के छठ मेला होखे भा मस्जिद त के ईद मेला चाहे कचनथ के शिरात मेला हमनी के गुरही जिलेबी खातिर साथे जात रहीं जा। ललन पटना अपना डेरा पर रमेश, जे गांवही के लइकाई के इयार र

14

फाटल मिरजई

22 November 2023
0
0
0

नया जन बन। तू जानेलू बाबू भइया आपस में एक दोसरा से कपड़ा हित नाता घरे जाये खातिर अदल बदल लेला बाकिर तोहरा के ना नू दी। मुँह ओहिजे खोले के चाही जहाँ बात रह जाय। जइसे सब होता ओसही एगो मिरजई किना जाई त

15

कोरोना के कहर

22 November 2023
0
0
0

अजी सुनती हो कमलेशवा के माई। भोरे भोरे रउवा त कवनो काम नइखे हमरा नाक में काहे दम कइलेबानी। आरे मार बढ़नी कोरोना के रे एगो त ऊ आफत में जान डललही बा ऊपर से दिन भर रउवा आ कमलेशवा के टोपासी अलगे बा। अरे ई

16

भूख

22 November 2023
0
0
0

रमेसर बाबूजी के तबियत दिन प दिन बिगडत देख बजारी प जा के डॉक्टर से देखावे खातिर निकल गइलन। फिस खातिर डोमन साव से दू सै रूपया कर्जा दस रूपया सूद प लेके पाकिट में रख लेले रहन। लाकडाउन में सब अस्पताल बंद

17

गाँव के सपना

22 November 2023
0
0
0

रोजी रोटी खातिर महेश गाँव छोड़ के चार बरिस पहिले सूरत चल गइल रहन। बाद में अपना विधवा माई के भी ओहिजे बोला लेले रहन। माई भी दू चार घर में चौका बरतन करत रही। महेश एगो सुता कारखाना में मजूरी करत रहन। केह

18

बेटी

22 November 2023
0
0
0

जनार्दन सिंह बाहर से आवते अभी दुआर पर पैर रखले रहन कि घरवे के बगल में उनके बाप दादा के बसावल काशी कहार के घरे बड़ा हल्ला गुल्ला अउर अफरा तफरी के माहौल बुझाइल। कुछ समझ ना आइल त हाथ मुँह धो के खरास मिटव

19

लोक लाज

23 November 2023
0
0
0

सुशीला के विदा करते रामनरेश घरे आ के चीताने धम से पड़ गइलन। माथा के लकीर साफ कहत रहे कि बेटी के हाथ पीयर करे अउर ओकरा के बड़का घर में भेजे के खुशी से अधिक गम दू बिगहा खेत बेचला के बादो डेढ़ लाख के माथ

20

गांव प्रबंधन समिति

23 November 2023
0
0
0

गांव के पूरब दखिन के कोण पर थप थप ऊजर दू महल्ला कोठी। गजाधर चौधरी के निवास स्थल। नाम-सुख सागर। गजाधर बाबू मुखिया पति। नावाडीह पंचायत के मुखिया श्रीमती सुनीता देवी के पति। खुद अपने मुखिया पति के अलावा

21

राम भरोसे

23 November 2023
0
0
0

काली माई तर बइठल रामधन अउर बाबूलाल आपस में बात करत रहे लोग। रामधन बोलले बाबूलाल काका तूं त अब साठ के लपेट के भइल का कभी अइसन आपत बिपत के समय देखले रहला हा। अरे ना मरदे! आज ले खेलत कूदत जिनगी बितल रहे

22

आफत

23 November 2023
0
0
0

दिनेश अपना पलानी में खटिया पर परल कहरत सुखिया काका से कहले कब अइला हा? आँख लाग गइल रहे पता ना चलल हा। बा? चलले आवत बानी। आके अभी बइठबे कइनी हा। कइसन तबियत कइसन कहीं। तू त जानते बाड़। गरीबी आ बुढ़ापा

23

हरियर गाछ

23 November 2023
0
0
0

भोजपुर जिला में पोआर अउर बसौली दूगो गांव बा। दुनो गांव के सीवान एक दुसरा से मिलेला। पोआर भूमिहार अउर बसौली राजपूत बहुल गांव ह। दुनो गांव आपस में बड़ा मिलके रहत रहे। शादी बियाह में नेवता हँकारी चलत रहे

24

नाक

23 November 2023
0
0
0

छोटकी आ बड़की दूगो बहुरिया रही सं बड़का बाबा अँगना। दूनो के बियाह में गइल रहनीं बाराती। जयमाल के समय दूनो के बियाह के बेरा लोग कहत रहे कि ललनवा दूनो बेटन के बियाह खूबसूरती देख के कइले बा तिलक लेके ना।

25

फागू भगत ससुरारी में

23 November 2023
1
0
0

गाँव के बहरी निकले के पहिले बीचली गली के अंत में फागू भगत के किराना के दुकान। दुकान आज के मिनी मॉल। चुड़ी, कपड़ा, पूजा सामग्री, पारचून से आटा चुड़ा मिल तक एक छत के नीचे। फागू भगत दुकान के बहरी चबूतरा

---

एगो किताब पढ़ल जाला

अन्य भाषा के बारे में बतावल गइल बा

english| hindi| assamese| bangla| bhojpuri| bodo| dogri| gujarati| kannada| konkani| maithili| malayalam| marathi| nepali| odia| punjabi| sanskrit| sindhi| tamil| telugu| urdu|