shabd-logo

नाटक-खण्ड महापंडित राहुल सांकृत्यायन

8 November 2023

0 देखल गइल 0

जोंक

नोहर राउत मुखिया

बुझावन महतो किसान

: जिमदार के पटवारी

सिरतन लाल 

हे फिकिरिया मरलस जान साँझ विहान के खरची नइखे मेहरी मारै तान अन्न बिना मोर लड़का रोवै का करिहैं भगवान हे फिकिरिया मरलस जान करजा काढ़ि काढ़ि खेती कइलों, खेत सूखल धान बैल बेंचि जिमदरवा के देनी सहुआ कहे बेईमान हे फिकिरिया मरलस जान

( बुझावन महतो एगो फाटल महल धोती पहिरले खड़ा बाड़े एह घरी नोहर रात के आँख बुझावन महतो के फिल्ली पर पड़ल, ऊ झट से फिल्ली से कौनो चीजु नोच के बुझावन से कहले)

नोहर हई देख बुझावन महतो।

बुझावन - ( धथमि के) नोहर भाई! फेंक5 होने, फेंकवी करब..... पंजरा जनि ले आवs का दू करिया करिया हिलsता। हमरा

नोहर — तोहरे फिल्ली में से निकलनी हाँ, देखऽ नु हई गोड़। लोहू-लोहान भइल या ना जानी केतना बेरि से लागल रहल हा।

बुझावन - ( खून से समुच्चा फिल्ली के भोजल देखि के) जोंक लागल रहल हो, नोहर भाई हमार माथा घूमता (बइटि गइले ।)

नोहर - ( वटि के घाव के मुँह अंगुरी से दाब के) भैइसवा जोंक ह बुझावन आपन मतलब के चुकल बा। हो देखऽ नु अउटा कइसन मोट बा

बुझावन ओकरा और देखे के मन नइखे करत पाव भर खून पियले होई नोहर भाई ?

नोहरना, पाव भर ना पाव भर बहुत होला, मुदा कनवा छटाँक से का कम होई। केतना त खून बह गइल हा तोहरा मालूम ना भइल ह बुझावन ? 

बुझावन जोकि के लागल ना तु मालुम होखे। हम पोखरा में भइसिया के धोवली हाँ, मिगडाह नु तपल बा, रोहिनी के पानी बरिमि गइल बा. सं. पोखरवा में नयका पानी बहुत वा, पानी में ना जाने कहाँ से छँटी के छेटी जांक ऊपर भइल बाड़न सन

नोहर - तोहरा तनिको ना बुझाइल हा ?

बुझावन-ना नोहर भाई हम अपना अँइसिया के ढोढ़ी से चारिगो जोंक निकारि के बिगले रहली हैं, बाकी हमरा ई ना पता रहल है कि हमरो जोक लागल बा।

बुझावन - साचे नोहर भाई। नाहीं त हमार भइसिया त सरि के मुई गइल रहित, रोजे ओकरा देहि से चार गो पाँच गो बीगीले भगवान एहनी के काहे के बनौले !

नोहर- हमनी के देहि में जम्मा पूँजी नव सेर खून बतावल जाला। बुझावनत एक्के कनवा निकरला से कपार में घुमरी काहे आवेले नोहर भाई ?

नोहर—घुमरिये के पूछत बाड़s बेसी खून गिरि गइला पर अदिमों मरि जाला। गोड़ के मोटकी नस काटि द, जो खून ना बन्न होई, त आदिमी मर जाई । दुई मन के समुच्चा देहि में उहें नौ सेर खून फइलल बा ।

बुझावन- छोड़ द नोहर भाई अब बन्न हो गइल होई। नोहर [हाथ हटा के] हैं खून बन्न हो गइल। -

बुझावन -[उठि के जोंक पर हुमचि हुमचि क पाँच-छ ऐड़ी मार के] नोहर भाई! देखा केतना खून बहता ई जोंकिया सुटुकि के पातर हो गइल, बाकी मुअल ना।

नोहर जोकि के जिउ बड़ा कठकरेजी होला बुझावन! ऊ जल्दी ना नु मूर्वं । बुझावन हैं नोहर भाई लोग त कहेला कि सुखा के पीस के फेंक दीहल जाय, तबहूँ बरखा के पानी बरसते जोंक फेनु जो जाले । -

नोहर - ई हमरा नइखे मालूम, बाकी जोंकि बड़ कठकरेजी होले, ई देखतै बाड़s |

[गाँव के पटवारी सिर पर लाल टोपी-मिरजई पहिरले, कान में कलम खोंसले अइलें ।]

बुझावन- -सलाम देवान जी कहाँ घूमतानी ?

सिरतन लाल - मालिक के दू मन घिउ पाँच मन दही, दू गाड़ी कटहर केतना कुली दे के अबगे बिदा कइनी हाँ, तीन दिन से परसान परसान रहनी हाँ बुझावन महतो! आज इहै जाके साँस लेहनी हाँ।

बुझावन देवान जी ई पंच-पंच मन दही, दू-दू गाड़ी कटहर, एगो खस्सी हमहू देहनी हाँ, फेनू सुनतानी गाँव से बारह गो खस्सी अउर गइल हा, मालिक के छगो परानी ई कुलि लेके का करिहैं ?

सिरतन- तु नोनिये भुचेंग रहि गइला ! बड़का लोग के अपने देह ले नानु होखे, एक आदमी के पाछे पचास गो जियेला... ताँनों में ई त बबुई जी के बियाह के सरजाम तु हवे!

बुझावन – एगो बरात के सरजाम त हमरे गाँव से गइल हा, फेनु हमनी के मालिक के छप्पन गौ मौजा वाटे. ई कुल्ह रखहू के जगह त ना होई!

नोहर - हाँ जब गाँव भर के घर खाली करा दोहल जाय त छप्पन मौजा का छ से मौजा के चीज बतुस राखल जा सकैले ।

सिरतन — बुझावन महतो ! अबको चला नु तूहीं, का केहू सर्वांग के भेजबा मरदे! उहाँ दुसै ले त नोनियँ जुटिहें। -

नोहर- बाबू के घर बरात आई आ ई दुसै नोनिया जुटि के का करिहैं ?

सिरतन- फरुहा कुदार के बहुत काम रहला नोहर! बबुआजी के बियाह भइल रहल त गइल ना रहलऽ ?

नोहर ना देवान जी ! सुन ले खाये बिना गति बनि जाले, एही से ना जाई । सिरतन खाये के तकलीफ ना होले, हमरा त नइखे भइल। - -

बुझावन अपने के का होई, अपने के त बहनोइये बाड़े दरबार में... । बाकी देवान जो एक ओर से लूट लागल बा आदिमी बर बेगारी में अपना कपारे चीज बतुस लादि के दस कोस पहुँचावे जाला। मर-मजूरी त का मिली, अपना घर से सतुआ बान्हि के जाईले, इहो ना होला कि हमनी के जुरतै छुट्टी मिल जाओ। चारि दिन चिट्टियै पुरजां देवे में लगा देलें।

सिरतन एमें सरकार के कौनो दोस नइखे बुझावन महतो! दरबार में अइसहीं चलेला एगो सरकार के पाछे हजार गो आदिमी जीयेलें । बड़का के इह तु ह !

नोहर-आठ आना रुपया महीना जब तनखाह दिआई, त आदिमी का करी देवान जी ! ई त मालिक के नु सोचे के चाहीं कि रुपया आठि आना महिन्ना में हरवाही चरवाहो आजकल के दिन में ना मिली। 

बुझावन-तीन हेनुआ सेर त मडुआ वा नोहर भाई आ देबुआ सेर महुआ।

नोहर मडुओ-महुआ से गुजारा करे ता खाली खाराको में एक आदमी का डेढ़ रुपया महिन्ना लग जाई, आपन कपड़ा लत्ता आ मेहरारू लडका के त बातै फरका मालिक ई नइखे देखत ?

नोहर मुदा देवान जी अपने महरौली के बारह टोला के राजा बनि के बैटल बानी छह हजार के तहसील में रुपया पीछे दू पैसा केतना होला ?

बुझावन आ खाये पीये में एको पइसा खरच ना होये का? घर-भर के काम एही से चलैला ?

सिरतन- - अब का आमदनी वा बुझावन महतो हमरा बाबूजी के बखत देखतs, एही महरौली में सोना बरसत रहल।

नोहर महरौली में सोना अवहियो बरसता देवान जी बाकी हमनी खातिर ना, पाँच हजार के तहसील अब छह हजार हो गइल, दू-दू पुहुत के जोतलि खेत मालिक निकासि के जिराति बना लेहले, दूसै बिगहा जिरात कवहों रहल हा देवान जी ! ई हमनी का मुँह लगावल हनु ?

बुझावन -आ सुनऽतानी मोटरवाला हरनु आवडता, जौनो गाँव के हरवाहा दू महिन्ना जीअत रहते हैं, उहो बन्न भइल, ओकनी के मुँह के अन्न छूटल ! -

सिरतन-बकास के झगड़ा जिला जवार में ना उठल होइत, तना नु निकलते ? सरकार के एमें कौनो कसूर नइखे ।

नोहर-ए देवान जी ! देखत देखत आँख पाकि गइल जान पड़ता कि महरौली में जेकर जनम-करम बा, जेकरा हजार पुहुत के हाड़ इहाँ गलि गइल. से किछुओ ना, आ दस कोस लमहरा ई अमहरा के बाबू साहेब महरौली के सब कुछ बाड़ें!

सिरतन-नोहर राउत! तोहार सिकायत कई बेर हमरा कचहरी में चहुँपल ह, मोहित राउत के खियाल आवडता नाहीं त जानत नु बाड़s जिमदारी फन्ना !

नोहर-देवान जी बाबू के खियाल मति करीं, जिनगी भर एगो भँइसि के उठाना बेपइसे के लगौले रहले, आ ओही से नु अपने के छोह बनल रहल हा

सिरतन मालिक के जमीन में बसल बाड़s, उनकरा निगाह में जीअत- खात बाड़s सेतिहे ना नु दही-दूध देलs ? -

नोहर-ए देवान जी, बघउछ बाबा के चौरा अबहिन ले हमरा इहाँ हर साले पुजाला महरौली कुल्ह जंगल रहे, जब हमनी के पुरुखा अइले हमार बुझावन आ

अंडर लीग के पुरुखा जंगल काट के खेत बारी बनौले बघउछ बाबा लेले कतना सांग के बाघ मुअवलस, घर के कतना बच्चा के हुँड़ार उठा ले गइल ।

नोहर आ खेत बनावे में केतना आदिमी साँप के कटला से मू गइले, तब मू महराली गाँव बसल, जब महरौली में सोना बरिसे लागल, तब ओही सोना के लूटे खातिर अमहरा के बाबू चहुँपले अमहरा के बाबू के एको बुन्न पसीनो नइखे चुअल महरौली में।

सिरतन—विधि- - बरम्हा के रेख पर मेख मारल तोहरा हाथ में नइखे नोहर! तोहार अमहरा के गढ़ में नइखे जनम भइल नाहीं त तूहूँ दू लाख के तसील पर asons, मजिस्टर साहेब तोहरों के कुरसी दोते। आपन हसियत देख5 |

नोहर-ए देवान जी ई हमरा कहला के जवाब ना भइल। हमनी के जनम महरौली में भइल वा । हम त इहे जानीले कि मतारी के धने में दूध पहिले आवेला, तब लड़का जनम लेला। हमनी के जनम जब महरौली में भइल बा, तब महरौली हमनी के जीये खाये खातिर हवे ।

नोहर- बाबू साहेब के पतरी होई त अमहरा में होई, महरौली में ना देवान साहेब! महरौली ओही के हवे जेकर पुरुखा जंगल काटि के बाघ हुँड़ार मारि के एक अवाद कइले महरौली में सोना बरसsता - ओही हाथन के परताप से, जौनन में दस-दस गो ठेला पड़ल था।

सिरतन — तोहरा अकिल से सोचें के होई, तब नु ? मुदा अन्हरा के आगे राव आपन दीदा खावें। गँवार के बुधिए केतना ? नोहर लूट के बुधि नु नइखे खून चूसे के बुद्धि नइखे, बाकी माटी के 1

सांना इहे हथवा बनावेला देवान जी छह हजार मालगुजारी द, तीन हजार बबुनी के विवाह में द, दु हजार मोटर के चिट्ठा में द, पाँच से हाथी के चिट्ठा में द सालभर बेगारी करत करत मृअ हेई मालिक के सवारी आइल, हेई पटवारी, हेई सवार, हेई सिपाही पियादा, हेई गोराइत बराहिल दुत् तोरी के ! कमाई हमनी के, आ हरियो ना होवे पाई, जही आवत सही कुपुटी के खा लेता।

सिरतन- - घास जंतने कटाले नोचाले औतने फुनगी फेंकेले नोहर! तोहरा लोगन के एतना ना देव के पड़ित त इतना कमइवो ना करतऽ ।

नोहर - कमाकमा के मुवहीं भर काम हमनी का ह आ हमनी के कमाई में आगि लगावे वाला उहाँ अमहरा में केहू बइठल बा बबुआ के बरात गइल 

रहल त के हजार आदिमी गइल रहले ? पाँच हजार त अतिशबाजी में उड़ावल गइल। बनारस, लखनऊ आ कलकत्ता तक के दस गो नामी नामी तवायफ गइल रहली, ई केकरा कमाई से देवान जी ?

सिरतन अपना भाग से नोहर राउत! कमायेवाला कमाला, भाग वाला खाला! "करम प्रधान विस्व करि राखा जे जस करे से तस फल चाखा" बाबू साहेब ओह जनम में करम कइले बाड़े। "तप चकि राज" भइल बा तू ओह जनम के पापी हवऽ, उहे भांगत बाड़। केहूका हिरिस कइला से ना किछओ होला ।

नोहरत हमनी जे ई घाम में खेतो कोड़त जोतत मुईले, बरखा में दिन भर भीजोंले, धान रोपीले, बास सोहीले, जाड़ा-पाला में कठुआते खेत में सती होईलेई करम किछुओ नइखे ?

बुझावन - हमरा सोझवा अदिमी के बुधि में त इहे आवत वा कि भगवान जेकरा के जौना गाँव में जनम दिहले, भगवान का ओर से ऊ गाँव ओकरे लिखा गडल • बाकी कागज पत्तर के बात से भगवान का ओर से नइखे लिखा के आइल । महरौली के कचहरी से छपरा के कचहरी ले देखले नु बानी, कइसन कागज में ईमानदारी राखल जाले ।

नोहर- बुझावन! जे धरती माता के पाछे आपन खून पसीना एक करेला, उहे ईमानदारी के अन्न खाला नाहीं त ई जिमदार बड़का जोंक हवे बाप रे बाप! हमनी के देहि में इचको रकत ना रहि गइल, हाड़ो चाम एक जगह राखल मुसकिल बाटे, आ ओने गुलछर्रा उड़ता।


35
लेख
पुरइन-पात
0.0
भोजपुरी के प्रमुख साहित्यकार डॉ. अरुणेश नीरन अपना सम्मोहक रचना से साहित्यिक परिदृश्य पर अमिट छाप छोड़ले बाड़न. अपना अंतर्दृष्टि वाला कहानी खातिर विख्यात ऊ अइसन कथन बुनत बाड़न जवन भोजपुरी भाषी क्षेत्रन के समृद्ध सांस्कृतिक टेपेस्ट्री से गुंजायमान बा. नीरन के साहित्यिक योगदान अक्सर सामाजिक गतिशीलता के बारीकियन में गहिराह उतरेला, जवन मानवीय संबंधन आ ग्रामीण जीवन के जटिलता के गहन समझ के दर्शावत बा। उनकर लेखन शैली भोजपुरी संस्कृति के सार के समेटले बा, पारंपरिक तत्वन के समकालीन विषय के साथे मिलावत बा। डॉ. अरुणेश नीरन के भोजपुरी भाषा आ धरोहर के संरक्षण आ संवर्धन खातिर समर्पण उनुका काम के निकाय में साफ लउकत बा. एगो साहित्यिक हस्ती के रूप में उहाँ के अतीत आ वर्तमान के बीच सेतु के रूप में खड़ा बानी, ई सुनिश्चित करत कि भोजपुरी साहित्य के अनूठा आवाज उहाँ के अंतर्दृष्टि वाला कलम के तहत पनपत आ विकसित होखत रहे।
1

स्वस्ती श्री

4 November 2023
1
0
0

भोजपुरी क्षेत्र की यह विशेषता है कि वह क्षेत्रीयता या संकीर्णता के दायरे में बँध कर कभी नहीं देखता, वह मनुष्य, समाज और देश को पहले देखता है। हिन्दी भाषा और साहित्य के विकास में भोजपुरी भाषी लोगों का अ

2

कविता-खण्ड गोरखनाथ

4 November 2023
0
0
0

अवधू जाप जप जपमाली चीन्हों जाप जप्यां फल होई। अजपा जाप जपीला गोरप, चीन्हत बिरला कोई ॥ टेक ॥ कँवल बदन काया करि कंचन, चेतनि करौ जपमाली। अनेक जनम नां पातिंग छूटै, जयंत गोरष चवाली ॥ १ ॥ एक अपोरी एकंकार जप

3

भरथरी - बारहमासा

4 November 2023
0
0
0

चन्दन रगड़ी सांवासित हो, गूँथी फूल के हार इंगुर माँगयाँ भरइतो हो, सुभ के आसाढ़ ॥ १ ॥ साँवन अति दुख पावन हो, दुःख सहलो नहि जाय। इहो दुख पर वोही कृबरी हो, जिन कन्त रखले लोभाय ॥ २ ॥ भादो रयनि भयावनि हो, ग

4

कबीरदास

4 November 2023
1
0
0

झीनी झीनी बीनी चदरिया | काहे के ताना काहे के भरनी, कौने तार से बीनी चदरिया | इंगला पिगला ताना भरनी, सुषमन तार से बीनी चदरिया | आठ कँवल दल चरखा डोलै, पाँच तत्त गुन तीनो चदरिया | साई को सियत मास दस लागे

5

धरमदास

4 November 2023
0
0
0

सूतल रहली मैं सखिया त विष कइ आगर हो । सत गुरु दिहलेंड जगाइ, पावों सुख सागर हो ॥ १ ॥ जब रहली जननि के अंदर प्रान सम्हारल हो । जबले तनवा में प्रान न तोहि बिसराइव हो ॥ २ ॥ एक बूँद से साहेब, मंदिल बनावल

6

पलटू साहेब

4 November 2023
0
0
0

कै दिन का तोरा जियना रे, नर चेतु गँवार ॥ काची माटि के घैला हो, फूटत नहि बेर । पानी बीच बतासा हो लागे गलत न देर ॥ धूआँ कौ धौरेहर बारू कै पवन लगै झरि जैहे हो, तून ऊपर सीत ॥ जस कागद के कलई हो, पाका फल डा

7

लक्ष्मी सखी

4 November 2023
0
0
0

चल सखी चल धोए मनवा के मइली ॥ कथी के रेहिया कथी के घइली । कबने घाट पर सउनन भइली ॥ चितकर रेहिया सुरत घड़ली । त्रिकुटी भइली ॥ ग्यान के सबद से काया धोअल गइली । सहजे कपड़ा सफेदा हो गइली ॥ कपड़ा पहिरि लछिमी

8

बाबू रघुवीर नारायण बटोहिया

4 November 2023
1
0
0

सुन्दर सुभूमि भैया भारत के देसवा से मोरे प्रान बसे हिम-खोह रे बटोहिया एक द्वार घेरे राम हिम कोतवलवा से तीन द्वार सिधु घहरावे रे बटोहिया जाहु जाहु भैया रे बटोही हिन्द देखि आउ जहवाँ कुहकि कोइलि बोले रे

9

हीरा डोम

4 November 2023
0
0
0

हमनी के राति दिन दुखवा भोगत वानों हमन के साहेब से मिनती सुनाइबि हमनों के दुख भगवनओ न देखता जे हमनीं के कबले कलेसवा उठाइब जा पदरी सहेब के कचहरी में जाइब बेधरम होके रंगरेज बानि जाइवि हाय राम! धरम न छोड

10

महेन्दर मिसिर

4 November 2023
0
0
0

एके गो मटिया के दुइगो खेलवना मोर सँवलिया रे, गढ़े वाला एके गो कोंहार कवनो खेलवना के रंग बाटे गोरे-गोरे मोर सँवलिया रे कवनो खेलवना लहरदार कवनो खेलवना के अटपट गढ़निया मोर सँवलिया रे, कवनो खेलवना जिउवामा

11

मनोरंजन प्रसाद सिन्हा - मातृभाषा आ राष्ट्रभाषा

6 November 2023
0
0
0

दोहा जय भारत जय भारती, जय हिन्दी, जय हिन्द । जय हमार भाषा बिमल, जय गुरू, जय गोविन्द ॥ चौपाई ई हमार ह आपन बोली सुनि केहू जनि करे ठठोली ॥ जे जे भाव हृदय के भावे ऊहे उतरि कलम पर आवे ॥ कबो संस्कृत, कबह

12

कौना दुखे डोली में रोवति जाति कनियाँ

6 November 2023
0
0
0

भारत स्वतन्त्र भैल साढ़े तीन प्लान गैल बहुत सुधार भैल जानि गैल दुनियाँ चोट के मिलल अधिकार मेहरारून का किन्तु कम भैल ना दहेज के चलनियाँ एहो रे दहेज खाती बेटिहा पेरात बाटे तेली मानों गारि-गारि पेर

13

महुआबारी में बहार

6 November 2023
0
0
0

असों आइल महुआबारी में बहार सजनी कोंचवा मातल भुँइया छूए महुआ रसे रसे चूए जबसे बहे भिनुसारे के बेयारि सजनी पहिले हरका पछुआ बहलि झारि गिरवलसि पतवा गहना बीखो छोरि के मुँड़ववलसि सगरे मथवा महुआ कुछू नाहीं

14

राम जियावन दास 'बावला'

6 November 2023
0
0
0

गाँव क बात गीत जनसरिया के होत भोरहरिया में, तेतरी मुरहिया के राग मन मोहइ । राम के रटनियाँ सुगनवा के पिजरा में, ओरिया में टैंगल अँगनवा में सोहइ । माँव-गाँव करैला बरुआ मड़इया में गइयवा होकारि के मड़इया

15

सपना

6 November 2023
0
0
0

सूतल रहली सपन एक देखली मनभावन हो सखिया फूटलि किरिनिया पुरुष असमनवा उजर घर आँगन हो सखिया अँखिया के नीरवा भइल खेत सोनवा त खेत भइलें आपन हो सखिया गोसयाँ के लठिया मुरड्या अस तूरली भगवलीं महाजन हो सखिया

16

इमली के बीया

6 November 2023
0
0
0

लइकाई के एक ठे बात मन परेला त एक ओर हँसी आवेला आ दूसरे और मन उदास हो जाला। अब त शायद ई बात कवनी सपना लेखा बुझाय कि गाँवन में जजमानी के अइसन पक्का व्यवस्था रहे कि एक जाति के दूसर जाति से सम्बंध ऊँच-नीच

17

कोजागरी

6 November 2023
0
0
0

भारत के साहित्य में, इतिहास भी पुराणन में, संस्कृति भा धर्म साधना में, कई गो बड़हन लोगन के जनम आ मरण कुआर के पुनवासी के दिन भइल बाटे। कुआर के पुनवासी- शरदपूर्णिमा के ज्योति आ अमृत के मिलल जुलल सरबत कह

18

पकड़ी के पेड़

7 November 2023
0
0
0

हमरे गाँव के पच्छिम ओर एक ठो पकड़ी के पेड़ बा। अब ऊ बुढ़ा गइल बा। ओकर कुछ डारि ठूंठ हो गइल बा, कुछ कटि गइल बा आ ओकर ऊपर के छाल सुखि के दरकि गइल बा। लेकिन आजु से चालीस बरिस पहिले ऊहो जवान रहल। बड़ा भ

19

मिट- गइल-मैदान वाला एगो गाँव

7 November 2023
0
0
0

बरसात के दिन में गाँवे पहुँचे में भारी कवाहट रहे। दू-तीन गो नदी पड़त रही स जे बरसात में उफनि पड़त रही स, कझिया नदी जेकर पाट चौड़ा है, में त आँख के आगे पानिए पानी, अउर नदियन में धार बहुत तेज कि पाँव टि

20

हजारीप्रसाद द्विवेदी

7 November 2023
0
0
0

अपने सभ हमरा के बहुत बड़ाई दिहली जे एह सम्मेलन के सभापति बनवलीं। एह कृपा खातिर हम बहुत आभारी बानी हमार मातृभाषा भोजपुरी जरूर वा बाकिर हम भोजपुरी के कवनो खास सेवा नइखों कइले हम त इहे समझली ह जे अपने सभ

21

भगवतशरण उपाध्याय

7 November 2023
0
0
0

अखिल भारतीय भोजपुरी साहित्य सम्मेलन, सीवान के अधिवेशन के संयोजक कार्य समिति के सदस्य, प्रतिनिधि अउर इहाँ पधारल सभे जन-गन के हाथ जोरि के परनाम करतानी रउआँ जवन अध्यक्ष के ई भारी पद हमरा के देके हमार जस

22

आचार्य विश्वनाथ सिंह

8 November 2023
0
0
0

महामहिम उपराष्ट्रपति जी, माननीय अतिथिगण, स्वागत समिति आ संचालन- समिति के अधिकारी लोग, प्रतिनिधिगण, आ भाई-बहिन सभे जब हमरा के बतावल गइल कि हम अखिल भारतीय भोजपुरी साहित्य सम्मेलन का एह दसवाँ अधिवेशन के

23

नाटक-खण्ड महापंडित राहुल सांकृत्यायन

8 November 2023
0
0
0

जोंक नोहर राउत मुखिया बुझावन महतो किसान : जिमदार के पटवारी सिरतन लाल  हे फिकिरिया मरलस जान साँझ विहान के खरची नइखे मेहरी मारै तान अन्न बिना मोर लड़का रोवै का करिहैं भगवान हे फिकिरिया मरलस जान करज

24

गबरघिचोर

8 November 2023
0
0
0

गलीज : गाँव के एगो परदेसी युवक गड़बड़ी : गाँव के एगो अवारा युवक घिचोर : गलीज बहू से पैदा गड़बड़ी के बेटा पंच : गाँव के मानिन्द आदमी  गलीज बहू : गलीज के पत्नी आ गबरघिचोर के मतारी जल्लाद, समाजी, दर्शक

25

किसान- भगवान

8 November 2023
1
0
0

बाबू दलसिंगार राय बड़ा जुलुमी जमींदार रहलन। ओहू में अंगरेजी पढ़ल- लिखल आ वोकोली पास एगो त करइला अपने तीत दूसरे चढ़ल नीवि पर बाबू साहेब के आपन जिमिदारी जेठ वाली दुपहरिया का सुरुज नियर तपलि रहे। हरी- बंग

26

मछरी

9 November 2023
0
0
0

ताल के पानी में गोड़ लटका के कुंती ढेर देर से बइठल रहे गोड़ के अँगुरिन में पानी के लहर रेसम के डोरा लेखा अझुरा अझुरा जात रहे आ सुपुली में रह-रह के कनकनी उठत रहे, जे गुदगुदी बन के हाड़ में फैल जात रहे।

27

भँड़ेहरि

9 November 2023
0
0
0

रामदत्त के मेहरारू गोरी रोज सवेरे नदी तीरे, जहाँ बान्ह बनावल गइल बा, जूठ बर्तन माँजे आ जाले जब एहर से जाये के मोका मिलेला ओकरा के जरूर देखी ला। अब ओखरा संगे संगे ओकरा बर्तनो के चीन्हि लेले बानी एगो पच

28

रजाई

9 November 2023
0
0
0

आजु कंगाली के दुआरे पर गाँव के लोग फाटि परल वा एइसन तमासा कव्वी नाहीं भइल रहल है। बाति ई बा कि आजु कँगाली के सराध हउवे। बड़ मनई लोगन के घरे कवनो जगि परोजन में गाँव-जवार के लोग आवेला, नात- होत आवेलें,

29

तिरिआ जनम जनि दीहऽ विधाता

9 November 2023
0
0
0

दिदिआ क मरला आजु तीनि दिन हो गइल एह तोनिए दिन में सभ कुछ सहज हो गइल नइखे लागत जइसे घर के कवनो बेकति के मउअति भइल होखे। छोट वहिन दीपितो दिदिआ के जिम्मेदारी सँभारि लेलसि भइआ का चेहरा पर दुख के कवनो चिन्

30

पोसुआ

9 November 2023
0
0
0

दूबि से निकहन चउँरल जगत वाला एगो इनार रहे छोटक राय का दुआर पर। ओकरा पुरुष, थोरिके दूर पर एगो घन बँसवारि रहे। तनिके दक्खिन एगो नीबि के छोट फेंड़ रहे। ओहिजा ऊखि पेरे वाला कल रहे आ दू गो बड़-बड़ चूल्हि दू

31

तिसरका कुल्ला

10 November 2023
0
0
0

एहर तीनतलिया मोड़ से हो के जो गुजरल होखव रउआ सभे त देखले होखब कि मोड़ के ठीक बाद, सड़क के दहिने, एकदिसाहें से सैकड़न बर्हम बाबा लोग बनल बा.... बहम बाबा के बारे में नइखीं जानत ? अरे नाहीं जी, ब्रह्म आ

32

यैन्कियन के देश से बहुरि के

10 November 2023
0
0
0

बहुत साल पहिले एगो किताब पढ़ले रहलीं राहुल सांकृत्यायन जी के 'घुमक्कड़ शास्त्र' जवना में ऊ लिखले रहलन कि अगर हमार बस चलित त हम सबका घुमक्कड़ बना देतीं। 'अथातो घुमक्कड़ जिज्ञासा' से शुरू क के ऊ बतवले र

33

गहमर : एगो बोधिवृक्ष

10 November 2023
1
0
0

केहू केहू कहेला, गहमर एतना बड़हन गाँव एसिया में ना मिली। केह केहू एके खारिजो कइ देला आ कहला दै मदंवा, एसिया क ह ? एतना बड़ा गाँव वर्ल्ड में ना मिली, वर्ल्ड में बड़ गाँव में रहला के आनन्द ओइसही महसूस ह

34

त्रेता के नाव

10 November 2023
0
0
0

आदमी जिनिगी में बेवकूफी के केतने काम कइल करेला, बाकिर रेलगाड़ी में जतरा करत खानी अखवार कीनि के पढ़ल ओह कुल्ही बेवकूफिन के माथ हवे। ओइसे हम एके खूब नीके तरह जानत बानी, तबो मोका दरमोका हमरो से अइसन मू

35

डोण्ट टाक मिडिले-मिडिले

10 November 2023
1
0
0

आगे जवन हम बतावे जात हईं तवन भोजपुरियन बदे ना, हमरा मतिन विदेशियन बदे हौ त केहू कह सकत हौ कि भइया, जब ईहे हो त अंग्रेजी में बतावा, ई भोजपुरी काहे झारत हउअ ? जतावल चाहत हउअ का कि तोके भोजपुरी आवेला

---

एगो किताब पढ़ल जाला

अन्य भाषा के बारे में बतावल गइल बा

english| hindi| assamese| bangla| bhojpuri| bodo| dogri| gujarati| kannada| konkani| maithili| malayalam| marathi| nepali| odia| punjabi| sanskrit| sindhi| tamil| telugu| urdu|