shabd-logo

पोसुआ

9 November 2023

0 देखल गइल 0

दूबि से निकहन चउँरल जगत वाला एगो इनार रहे छोटक राय का दुआर पर। ओकरा पुरुष, थोरिके दूर पर एगो घन बँसवारि रहे। तनिके दक्खिन एगो नीबि के छोट फेंड़ रहे। ओहिजा ऊखि पेरे वाला कल रहे आ दू गो बड़-बड़ चूल्हि दूनों पर करहा चढ़ल रहे। एगो में रस खउलत रहे, दुसरका में सिमसिमात रहे।

रस फफाइल देखि के चनरी पतई झोकल कम क देले रहे। ओकर नौ बरिस के लरिका भिखारिया इनारा का जगत पर बइठि के लवाही चूसत रहे। चनरी के लड़की अपना बाप बटेसरा का पाछा पतई सरकावत रहे। चनरी अपना कराह में खउलत रस के तजविजलस, फेर बोलल, "का हो, बरधमहिया ना मराई ?" बटेसरा टीन आ छनौटा लेके, करहा का किनारा खाड़ हो गइल। चार पाँच हाली छनौटा खउलत रस पर छलकवलस आ रस का किनारा फेंकत मइल महिया मारे लागल।

टीन पर छनौटा ओठंगाई के ऊ ताबरतार खइनी ठोंकलस आ ओठे दाबि के फेरु पतई झोंके लागल। ओकरा कराह के रस अब साँसियात रहे। आजु फजिरही से ऊ मरद मेहरारू ऊखि काटे, छोले, ढोवे आ पेरे में लागल बाड़न स दुपहर में त घुघुरी- 1-रस पर काम चलि गउवे, बाकी गते गते कुल्हुरे लगुए।

- का रे, अभी महिया ना आइल ?' छोटक राय के चिल्हिकल सुनते सवितरी धीरे से हुनकल, 'ए बाबू हमहूँ महिया लेब ! ' -'जो रे भिखरिया। मलिकार के घर ले बल्टी माँग लियाउ ।' चनरी

दुभकुए। बाँचल-खुचल लवाही बीगि के भिखरिया ओसारा का ओरि दउर गउए । - ए माई सुपेली लियाई ? हमहूँ महिया खाइब!' सवितरी माई का पाछा आके हुनुकुए।

-'चुप मटिलगवनी! पिटवइवे ? पहिले मालिक के घरे जाई। जो, तले सवारी में से सुपेली ओकाच लियाउ' जनरी लड़की का चेहरा के उतार-चढ़ाव नापत बोलुए। तबले भिखारिया बटेसरा का पाछा बल्टी ध के बहिन का पाछा सुपेली ओकाचे सवारि का ओर भगुए। "हरे रेसारे तोरी... आके पतई झोंकु, पाग उतर जाई ओनिया का अपना

अठराजी किहाँ जात बाड़े ?' कहि के बटेसरा बल्टी लेके चनरी का कराह में से महिया फरियावे लगुए।

"तनी सवित्तरी के पतइया पर दे दिह । चनरी के गिड़गिड़ाइल बटेसरा जइसे सुनवे ना कइलस मुड़ियो ले घुमा के ना तकलस। 'कइसन कठकरेज हउवऽ हो तू ? लड़की दुपहरे से संगे सती भइल बिया आ तोहरा रचिको मोह माया नइखे ?' बटेसरा छनौटा टीन पर धइलस आ बल्टी लेले मलिकार के घरे चल दिहलस चनरी खोसिन गुड़ेरत रहि गइल भिखरिया चोर आँखी देखत आ सुनत रहे ऊ चूल्हि झॉकल छोड़ि के उठल आ छनौटा से खउलत सीरा उठा के सबितरी का सुपेली में चुवा देहलस।

'भाग मरकिलांना! तोर दुसमन बाप आवते होई!' चनरी पाछा ताकत ओके धिरवलस। भिखरिया फेरू जाके चूल्हि झोंके लागल।

'हरे भिखरिया, सुन हेने!' छोटक राय के आवाज सुनते सुनरी के छाती धड़के लागल, आ सुरसतिया के महिया लागल अँगुरी मुँह ले जाके रूकि गइल । भिखरिया रोऔं गिरवले उठल आ ओसारा का ओर चल दिहलस

' 'अरे बेहूदा, जो तें आपन काम करु. एके हम बोलवली हैं।' ओके डाँटत छोटक राय ओकरा लइका भिखरिया से बोललें घरे जाके चाह बनावे के कहि आउ । बबुआ आइल होइहें त उनहूँ के बोला लिहे, आ सुन, तेहूँ अपना के रोटी ओटी माँगि लिहे, जो ! भिखरिया जब मूड़ी हिला के घर का ओरी चलल त कनखी से ताकत

का रे स्सारे, चुल्हिया से काहे उठले हा रे?' बटेसरा बोलल

चनरी के जीउ में जीउ परल। ऊ सोचे लागल कि हाय रे अभाग, अब रात ले गूर बनी तबले सबितरी सूते लागी कब घरे जाइब आ खाएक पकाइब ? एकर बाप राती खा गोहूँ में पानी बरावे जाई आ हम अन्हारे बगइचा का मड़ई में कई दिन से इहे होत आवत बा।

भिखारिया लवटि आइल रे सवितरी ले रोटी से खो!' सबितरी सुपेली छोड़ के हहास बन्हले दउरल। आउ

"जा हो हमार बाछी, तहरो करमे जरल रहे जे मुसहर का घरे जनमलू।' चनरी बुदबुदाइल

'का रे कुछ कहले हा?' बटेसरा पुछलस।

'कुछु ना! गुर बनावत ढेर रात हो जाई कब घरे जाइब आ कब खयका पकाइब ?'

'तोरी अठराजी मुओ, हऊ देखत नइखी दूनो रोटी खा के पानी पियत बाड़न से हम एहरे खा-पी के टीबुल पर चल जाइब।' 'हैं हैं अउर केहू थोरे बा!' चनरी रोआइन मुँह क लिहलस ।

दू घंटा रात बितला का बाद चनरी लरिकन के लिहले घरे चोहपलि । मड़ई के चाँचर में लटकल ताला में, अँचरा का खूंट में गठियावल चाभी घुसारत खा दिक बरत रहे ताला खोलत भुसुराइल, 'कूल्हि मर बिला गइल बाड़न से देख ना कइसन सत्ता परि गइल ? वाह रे देवरानी ? एकर भतार मलिकार के दुलरुआ ह कुछऊ बोलव त एही बेरा डाँक डाँक चिचियाए सुरु करी।' ऊ अन्हारे टोइ के दिया बरलस आ फुफुती में खोंसल गूर के पिड़िया मेटा में डलला का बाद बसहटा बहरा खींच लियाइल। सुरसतिया निखहरे दहि गइल त उ भिखरिया के धसोरलस, हरे मलेछवा, तू लेडवो ना बिछा सकेले! हमार रोवाइन परान हो गइल वा तोहनी से।'

भिखारिया एगो फटही कथरी लिया के बसहट का ओनचना डललस आ मुँहकुरिए ढहि गइल । थाकल-माँदल चनरी के खाएक पकावे के बेलकुल मन ना करत रहे, बाकिर होत फजिरहों लरिका खाएक माँगे सुरू करिहन स ईहे सोचि के ऊ उठल आ थरिया में दू पहँत आटा निकार के, ताबरतोर सनलस फेरू तावा सिउँठा लेले बहरा निकरि आइल फेड़ का जरी चारि गो धुवाँइल ईंटा रहे। चनरी ओके सरिया के चूल्हि बनवलस आ ऊखि के खोइया जरा के तावा चढ़ा देहलस |

आटा के बड़-बड़ लोइया काटत आ तरहत्थी पर पीटत भुसुरात रहे, "ई हरजाई सिलिया चाहित त हमरा लरिकन के दू गो रोटी ना पकाइत! हम जिनिगी भर एकरा मरद के गूह कछनी पोसनी पलनी आ अब ई भतार वाली भइल बिया! अहो मरकिलांना एक्को बेरि जो भउजी आ भइया के पूछित कब दो आई आ आड़ों लीलि दूँसि के पसरि जाई।"

.... चार-पाँच वरिस पहिले जब ऊ खेदन राय का बगइचा से खेदात रहलन स त महँगुआ सँगहों रहे राय साहब आ उनकर लड़का जब लाठी गोजी लेके ओकर छान्ह उजारे लागल त भिखरिया का बाप का संगे इहो रम्मा लेके खड़ा हो गइल। ओह घरी वटेसर छोटक राय किहाँ नोकरी ना करत रहे। भईस आ पाड़ी रखाव आ सूखल लकड़ी तूरि के दूनो भाई कस्बा में बेचे कबो-कबो चइली फरले आ छोट मोट मजूरी के के जब दू-चार रुपिया घर में आवे त बुझाव कि नियामत आइल वा । वाकि हाय रे करम ए हरजाई का आवते महँगुआ के का जाने का हो गइल.....

चनरी मोट मोट हथरोटिया सेंकि के परई में धइलस आ चूल्हि बुता के सिउँटा से तावा उठवले मड़ई में चलि आइल खायक खाँची से तोपत खा ओकरा मन परल कि लरिका बहरे वाइन से ऊ हड़बड़ाइल बहरा निकसल । उन्हनी के देहि सीति से सिमसिमा गइल रहे। दूनो के जगा के बाँहि धइले भितरी लियाइल आ पुअरा का चटाई पर ओठंगा दिहलस भिखरिया के मुँह देखि माया जागल त जोर से झकझोर के जगवलस, 'ए बबुआ, हरे हई देख तोरा के का बनवले बानी ? हइ देख जाउर आ सोहारी रे।'

भिखारिया निनियाइल आँखि उघरलस, चारू ओरि तकलस आ परई पर हथरोटिया गूर देखि के आँखि मून लेलस। चनरी भेली फोरि के रोटी पर फइलवलस आ चउँवा बना के ओकरा मुँहे डाल देहलस, 'ले रे बबुआ, लेंडुवा ! काटु, जोर से काटु !'

दू चार काटा बरियाई कटवले के बाद भिखारिया फेर सूति गइल। बाँचल रोटी के चउँवा काटत खा, चनरी के बटेसरा के खियाल आइल सभ सूतल होई आ ऊ बिहिटी लपेटले गोहूँ में पानी बरावत होई का जने कहिया ले छोटक राय क करजा उतरी ? भइँस बियाइल त उनहीं का दुआरे चलि गइल। जवन पइसा मिलल ओसे पाड़ी किना गइल सौ पचास बँचबो कइल त दवा बीरो में केहू तरे गूजर नइखे राम जाने कइसे निस्तार होई ?

आजु काहे दो चनरी के नौन नइखे आवत! भितरे भितर मन दोचित बा। आपन गरीबी आ दलिदरपन पर ओकरा भित्तर सवाल पर सवाल उठि रहल बा ! ईमानदारी के जिनिगी जीए का चलते लुटहाई आ लात-जूता, ओहू से आगा बढ़ल त जेहल। कूल्हि मुसहरने खातिर बा ।

जेहल के मन परते, ओके आपन देवर महँगुआ फेरु इयाद परल दू हाली ओकरा के पुलुस वाला घिसिरा के ले गइलन से एक बेर त ऊ दस दिन जेहले में रहे ओघरी ई हरजाई सिलिया रात होते छोटक राय का टीबुल पर निकल जाव आ भोर भइला पर आवे राय साहब दू दिन पर साँझ खा पूछे आवसु, कवनो बात नइखे नू रे ? जवन घटीबढ़ी आके घरे ले ले जइहे घबड़इला के जरूरत नइखे। हजार दू हजार जवन लागी हम बानी नू! महँगुआ के दू तीन दिन में छोड़ा लियाइब ।

महँगुआ के काल्ह फेर पुलुस वाला पुछत रहुवन से बहेंगवा दु दिन से नइखे लउकत ओ बेरी पइसा का जोर पर छूटि गइल बाकी ए बेरी धराई त ना छूटी। छोटक राय आ उनका ओकौल लइका के कवन ठेकान ? बनला के सब संघतिया होला । उप्पर से पालिस वाला बात आ भित्तर से करिया बीखि गरीबन के ढेर ददखाह वा लोग त चोरी-चकारी काहे करावेला? दोसरा के खेत कटवाई, बैल खोलवाई त का होई ? जेहल मुसहरे नू जाई ऊपर से ई हरजाई ओहिजा छिनरझप खेले जाई भक्खर पर5 सन, ओकरा से का मतलब ? 1

बटेसरा का छाती पर ओह घरी जो ऊ सवार ना रहित त ओही में इहो रहलन। बेटा के किरिया ना धरइतों, जहर माहुर खाए के धमकी ना दीर्ती त का जाने का होइत ? दोसरका हाली कहीं जाए के नउबते ना आइल छोटक राय डेरवावते रहि गइलन हम साफ-साफ कहि दिहलीं, 'मलिकार, रउवा सरन देहली ठीक बा, रो-रोऔं तूरि के राउर खेती-बारी, कटिया बिनिया, गोबर- गोसार कुल्हि करब जा, बाकि ई काम ना होई हमनी से।'

एही बोलला पर राय साहब खिझिया के चल गइलन आ बटेसरा ओकर झोंटा घिसिरा के लाते मूके खूब कचहरलस, बाकिर ऊहो अड़ि गइल रहे। ...चाहे भुजुड़ी-भुजुड़ी काटि द बाकी हम तहरा के चोरी-चकारी ना करे देव।' मन परते चनरी मुस्कियाये लागल; जइसे ओह दिन का बिदरोह पर ओकरा आजुओ गरव होखे। आ एगो ओकर देवरान सिलिया बिया ओठलाली, साड़ी- बेलाउज आ साबुन-सोटा खातिर मरद के भक्सी झोंकवावेले मरद ना रहेला त वकील बाबू से मुस्किया मुस्किया अइँठेले।

बहरा कवनो मरद के खखरला के आवाज सुनाइल चनरी सजग होके उठल दुआरि पर आवते बोली सुनाइल 'ले! धरु एकदम ताजा ताड़ी ह का बनवले बाड़े ए बेरा ?"

-मछरी आ रोटी!' ई अवाज ओकरा देवरान सिलिया के रहे।

..त ई हरजाई जगले रहलि हा! चनरी धप्प से बइठि गइल... आ ई डोमवा एह बेरा कहाँ से लवनी लेले आवडता ? काम-धाम कवनो हइए नइखे। छोटक राय के पोसुआ कुक्कुर भइल बा। भांगो मुँहझउँसा!

थोरिके देरि में देवरान के खिलखिलाइल आ नासा में दूनो के धसोरा- धमोरी सुरू हो गइल। चनरी कुड़बुड़ात उठल आ लड़िकन का लग्गे आके ओगि गइल।

अभी अन्दुन्हार रहे। हउँजार आ हाला सुनि के चनरी उठल बहरा निकलि के देखलस कि छोटक राय के खिलाफ पाटी वाला लोग महँगुआ के गारी- कजिहत करता दूंगो पुलुस वाला कान्हि पर बनूखि लेले ठाढ़ बाड़न स महेंगुआ भुइँया ढहल बा, ओकरा मुँह से खून चूवडता ।

खेदन राय, अवध चौधरी, रामसरन पाँड़े आ खेदन राय के दूनो लरिका लडर लेले खड़ा रहलन से खेदन राय लाते ठोकरियाइ के महँगुआ से कहत रहलन, 'का रे स्सारे ? तोर अवकात अब अतना बढ़ गइल कि गाँव का बड़कनो के नइखे छोड़त ? अब तोर गाँव छूटि जाई...!"

अतने में सिलिया छोटक राय के लड़िका ओकील साहेब के लेले पहुँचि गइल। पाछा पाछा बटेसरा आ छोटक राय का पाटो के चार पाँच अदिमी लउर लेले धावल पहुँचुअन स

- ए वकील, ई तहरे पलिवार का देन है कि हर महीना गाँव में कुछ न कुछ खुराफात होता। खेदन राय के ना रहाइल |

- एह चार सारे के हमनी का अब एइजा ना रहे देव जा' अवध चौधुरी लउर पटकलन ।

-ढेर जोर मत फाटो ए चडधरी तहन लोग का छान्ह तर नइखे बसल खेदन राय त पाँच वरिस पहिलहीं इन्हनी के उजार देहलन। उ त भला होखे बाबू के कि एह मुसहरन के निम्मन जिनिगी जीये के रस्ता देखवलन हमनी का बारी में बाड़न से, हमार काम-धाम करत बाड़न स त तोहन लोग के करेजा फाटता । ए सिपाही जो, रउवा दुअरा चलीं। बाबूजी का सोझा फैसला होई। तें का ढहल बाड़े रे महँगुआ ? उठ तोर बेटी मुओं, केहू का सेन्ह पर धराइल बाड़े? कि तोरा मड़ई में केहू के धनसुकिया चोरावल बा ?" सुदर्शन बाबू एक सुरुकिए बहुत कुछ बोलि गउअन।

महँगुआ खून पोंछत उठ गए। ओकरा अगल-बगल सुदर्शन बाबू के अदिमी केदार चौधुरी आ बलेसर चौधुरी खाड़ हो गउए लोग।

'चलीं सभे, चलीं, राय साहेब का दुआर पर चलीं सभे। रउवा सभ रपोट कइए देले बानी। महँगुआ पर केस चलवे करी। ओइसे अपुसे में समुझ-बूझ के एहिजा निपटारा हो जाव त कवन नोकसान बा ?' एगो सिपाही बोलत आपन साइकिल घुमा लेहलस दुसरको ओकरा पाछा चल देहलस।

'आरे ओइजा का फैसला होई ? उहे त कुल्हि करावत बाड़न।' खेदन राय के लड़का गाभी बोलल ।

* अछरंग जिन लगावs ढेर जरतपन ठीक ना ह ए बाबू!' ओकील सुदर्शन बाबू बोललें ।

- -'नाहीं त का लीलि घलब ?'

-ठीक त ईहो ना ह जेवन तोहन लोग करत बाड़s जा -'होस में रह5।'

'नाहीं त का क लेबs ? ऊ दिन गइल जब तहन लोग सभके डोलावऽ लोग।'

- मना कर5 खेदन काका इनके नाहीं त... ।'

"हरे स्साला बटेसरा तोर बहिन मुओ का ताकत बाड़े रे? मार5 स स्सारन के लरक के।"

सुनते बटेसरा ठेंगा चला देलस खेदन राय के लइका डगरा गइल। खेदन

गय पाछा घूमसु तले एक लउर उनहूँ का पखुरा पर गिरल सिपाही कुछ समुझ

स एकरा पहिलहीं रामसरन पाँड़े आ खेदन राय का छोटका लइका के लाठी सँगही

बटेसरा पर गिरल आ उ फिरिंगी लेखा नाचि के दरहीं उलटि गइल। चनरी रोवत

चिचियात धउरल तले दोसरका लाठी महँगुआ का कान्हि पर परल।

'खबरदार ! केहू हिलल त गोली मार देब जा!' सिपाहियन के बनूखि हाथ में आ गइल।

सभे थथमि गइल। घाही लोगन के गमछी बान्हि के उठावे लागल लोग। दूनो पाटी के लोग तरनाइल रहे। देवी पांडे डाँक-डाँक के रेकसा बोलवले आ अपना पाटी का लोग के रेकसा पर चढ़ा के चल दिहल लोग बटेसरा का मुड़तारी चनरी आ ओकर लड़का फेंकरत रहुअन स

'ए चउधरी, देखs हो मूवल कि जियल? हम जा तानी बाबू जी के खबर करें। अब त इन्हनी के वार्ड हेठ करहों के परी' आ सुदर्सन बाबू फलगरे आगा बढ़ि गइलन।

साड़ी फारि के बटेसरा का कपारे बान्हत चनरी चिचियात रहे. 'अरे हमार रमऊ हो रमऊ ! एही से कहत रहनी कि बड़कवन का बीचे जिन पर महँगुआ तोहरों के ले बितल ए हमार रमऊ !' चउधरी ताबरतोर कई अँजुरी पानी बटेसरा का मुँहे छिरिकुअन त बटेसरा कहरत आँखि खोलुवे, 'मलिकार अइलन कि ना ?' आ फेर ओकर आँख बन हो गउए । महँगुओ एकोर डगराइल रहुए बाकी ऊ

बेहोस ना रहुए। सिलिया ओकरा चानी पर तेल चाँपत, सुसुकत रहुए। मोटरसाइकिल के आवाज सुनि के महँगुआ सिलिया से पुछुए, 'मलिकार हउँए का रे ?"

'ए चउधरी, इन्हनी के लाद पात के अस्पताले लियावs, हमनी के तबले थाना में जात बानी जा।' ई छोटक राय के दबंग आवाज के कमाल रहुए कि दूनो सिपाही लोग चट्ट से सलाम करुए।

रउव सभ के बहुत किरपा बा हमनी पर हम एके इयाद राखब!" सिपाहियन का ओरी ताकि के छोटक राय अतने बोलुअन आ मोटरसाकिल चल देहुए। पाछा से दूनो सिपहियो साइकिल बढ़ावत हुरपेटुअन स, 'अरे ससुरा जल्दी चलs स!'

दूनो चउधरी लोग बटेसरा के टाँगि के रेकसा पर बइठउए लोग दोसरका ओरी से सिलिया का कान्ही हाथ धइले महँगुओ आके पवदान पर बइठि गए। चटधरी चनरी के हुरपेटुअन, "चल स जल्दी अस्पताल, एकर घाव बहुते गहिर बा, खून रुकत नइखे। राम जाने का होई ?" आ चनरी पगलाइल रेकसा का पाछा धउरे लगए। ओकर दूनी लइको ओकरे सँगे फेंकरत धउरत रहुअन स | 

35
लेख
पुरइन-पात
0.0
भोजपुरी के प्रमुख साहित्यकार डॉ. अरुणेश नीरन अपना सम्मोहक रचना से साहित्यिक परिदृश्य पर अमिट छाप छोड़ले बाड़न. अपना अंतर्दृष्टि वाला कहानी खातिर विख्यात ऊ अइसन कथन बुनत बाड़न जवन भोजपुरी भाषी क्षेत्रन के समृद्ध सांस्कृतिक टेपेस्ट्री से गुंजायमान बा. नीरन के साहित्यिक योगदान अक्सर सामाजिक गतिशीलता के बारीकियन में गहिराह उतरेला, जवन मानवीय संबंधन आ ग्रामीण जीवन के जटिलता के गहन समझ के दर्शावत बा। उनकर लेखन शैली भोजपुरी संस्कृति के सार के समेटले बा, पारंपरिक तत्वन के समकालीन विषय के साथे मिलावत बा। डॉ. अरुणेश नीरन के भोजपुरी भाषा आ धरोहर के संरक्षण आ संवर्धन खातिर समर्पण उनुका काम के निकाय में साफ लउकत बा. एगो साहित्यिक हस्ती के रूप में उहाँ के अतीत आ वर्तमान के बीच सेतु के रूप में खड़ा बानी, ई सुनिश्चित करत कि भोजपुरी साहित्य के अनूठा आवाज उहाँ के अंतर्दृष्टि वाला कलम के तहत पनपत आ विकसित होखत रहे।
1

स्वस्ती श्री

4 November 2023
1
0
0

भोजपुरी क्षेत्र की यह विशेषता है कि वह क्षेत्रीयता या संकीर्णता के दायरे में बँध कर कभी नहीं देखता, वह मनुष्य, समाज और देश को पहले देखता है। हिन्दी भाषा और साहित्य के विकास में भोजपुरी भाषी लोगों का अ

2

कविता-खण्ड गोरखनाथ

4 November 2023
0
0
0

अवधू जाप जप जपमाली चीन्हों जाप जप्यां फल होई। अजपा जाप जपीला गोरप, चीन्हत बिरला कोई ॥ टेक ॥ कँवल बदन काया करि कंचन, चेतनि करौ जपमाली। अनेक जनम नां पातिंग छूटै, जयंत गोरष चवाली ॥ १ ॥ एक अपोरी एकंकार जप

3

भरथरी - बारहमासा

4 November 2023
0
0
0

चन्दन रगड़ी सांवासित हो, गूँथी फूल के हार इंगुर माँगयाँ भरइतो हो, सुभ के आसाढ़ ॥ १ ॥ साँवन अति दुख पावन हो, दुःख सहलो नहि जाय। इहो दुख पर वोही कृबरी हो, जिन कन्त रखले लोभाय ॥ २ ॥ भादो रयनि भयावनि हो, ग

4

कबीरदास

4 November 2023
1
0
0

झीनी झीनी बीनी चदरिया | काहे के ताना काहे के भरनी, कौने तार से बीनी चदरिया | इंगला पिगला ताना भरनी, सुषमन तार से बीनी चदरिया | आठ कँवल दल चरखा डोलै, पाँच तत्त गुन तीनो चदरिया | साई को सियत मास दस लागे

5

धरमदास

4 November 2023
0
0
0

सूतल रहली मैं सखिया त विष कइ आगर हो । सत गुरु दिहलेंड जगाइ, पावों सुख सागर हो ॥ १ ॥ जब रहली जननि के अंदर प्रान सम्हारल हो । जबले तनवा में प्रान न तोहि बिसराइव हो ॥ २ ॥ एक बूँद से साहेब, मंदिल बनावल

6

पलटू साहेब

4 November 2023
0
0
0

कै दिन का तोरा जियना रे, नर चेतु गँवार ॥ काची माटि के घैला हो, फूटत नहि बेर । पानी बीच बतासा हो लागे गलत न देर ॥ धूआँ कौ धौरेहर बारू कै पवन लगै झरि जैहे हो, तून ऊपर सीत ॥ जस कागद के कलई हो, पाका फल डा

7

लक्ष्मी सखी

4 November 2023
0
0
0

चल सखी चल धोए मनवा के मइली ॥ कथी के रेहिया कथी के घइली । कबने घाट पर सउनन भइली ॥ चितकर रेहिया सुरत घड़ली । त्रिकुटी भइली ॥ ग्यान के सबद से काया धोअल गइली । सहजे कपड़ा सफेदा हो गइली ॥ कपड़ा पहिरि लछिमी

8

बाबू रघुवीर नारायण बटोहिया

4 November 2023
1
0
0

सुन्दर सुभूमि भैया भारत के देसवा से मोरे प्रान बसे हिम-खोह रे बटोहिया एक द्वार घेरे राम हिम कोतवलवा से तीन द्वार सिधु घहरावे रे बटोहिया जाहु जाहु भैया रे बटोही हिन्द देखि आउ जहवाँ कुहकि कोइलि बोले रे

9

हीरा डोम

4 November 2023
0
0
0

हमनी के राति दिन दुखवा भोगत वानों हमन के साहेब से मिनती सुनाइबि हमनों के दुख भगवनओ न देखता जे हमनीं के कबले कलेसवा उठाइब जा पदरी सहेब के कचहरी में जाइब बेधरम होके रंगरेज बानि जाइवि हाय राम! धरम न छोड

10

महेन्दर मिसिर

4 November 2023
0
0
0

एके गो मटिया के दुइगो खेलवना मोर सँवलिया रे, गढ़े वाला एके गो कोंहार कवनो खेलवना के रंग बाटे गोरे-गोरे मोर सँवलिया रे कवनो खेलवना लहरदार कवनो खेलवना के अटपट गढ़निया मोर सँवलिया रे, कवनो खेलवना जिउवामा

11

मनोरंजन प्रसाद सिन्हा - मातृभाषा आ राष्ट्रभाषा

6 November 2023
0
0
0

दोहा जय भारत जय भारती, जय हिन्दी, जय हिन्द । जय हमार भाषा बिमल, जय गुरू, जय गोविन्द ॥ चौपाई ई हमार ह आपन बोली सुनि केहू जनि करे ठठोली ॥ जे जे भाव हृदय के भावे ऊहे उतरि कलम पर आवे ॥ कबो संस्कृत, कबह

12

कौना दुखे डोली में रोवति जाति कनियाँ

6 November 2023
0
0
0

भारत स्वतन्त्र भैल साढ़े तीन प्लान गैल बहुत सुधार भैल जानि गैल दुनियाँ चोट के मिलल अधिकार मेहरारून का किन्तु कम भैल ना दहेज के चलनियाँ एहो रे दहेज खाती बेटिहा पेरात बाटे तेली मानों गारि-गारि पेर

13

महुआबारी में बहार

6 November 2023
0
0
0

असों आइल महुआबारी में बहार सजनी कोंचवा मातल भुँइया छूए महुआ रसे रसे चूए जबसे बहे भिनुसारे के बेयारि सजनी पहिले हरका पछुआ बहलि झारि गिरवलसि पतवा गहना बीखो छोरि के मुँड़ववलसि सगरे मथवा महुआ कुछू नाहीं

14

राम जियावन दास 'बावला'

6 November 2023
0
0
0

गाँव क बात गीत जनसरिया के होत भोरहरिया में, तेतरी मुरहिया के राग मन मोहइ । राम के रटनियाँ सुगनवा के पिजरा में, ओरिया में टैंगल अँगनवा में सोहइ । माँव-गाँव करैला बरुआ मड़इया में गइयवा होकारि के मड़इया

15

सपना

6 November 2023
0
0
0

सूतल रहली सपन एक देखली मनभावन हो सखिया फूटलि किरिनिया पुरुष असमनवा उजर घर आँगन हो सखिया अँखिया के नीरवा भइल खेत सोनवा त खेत भइलें आपन हो सखिया गोसयाँ के लठिया मुरड्या अस तूरली भगवलीं महाजन हो सखिया

16

इमली के बीया

6 November 2023
0
0
0

लइकाई के एक ठे बात मन परेला त एक ओर हँसी आवेला आ दूसरे और मन उदास हो जाला। अब त शायद ई बात कवनी सपना लेखा बुझाय कि गाँवन में जजमानी के अइसन पक्का व्यवस्था रहे कि एक जाति के दूसर जाति से सम्बंध ऊँच-नीच

17

कोजागरी

6 November 2023
0
0
0

भारत के साहित्य में, इतिहास भी पुराणन में, संस्कृति भा धर्म साधना में, कई गो बड़हन लोगन के जनम आ मरण कुआर के पुनवासी के दिन भइल बाटे। कुआर के पुनवासी- शरदपूर्णिमा के ज्योति आ अमृत के मिलल जुलल सरबत कह

18

पकड़ी के पेड़

7 November 2023
0
0
0

हमरे गाँव के पच्छिम ओर एक ठो पकड़ी के पेड़ बा। अब ऊ बुढ़ा गइल बा। ओकर कुछ डारि ठूंठ हो गइल बा, कुछ कटि गइल बा आ ओकर ऊपर के छाल सुखि के दरकि गइल बा। लेकिन आजु से चालीस बरिस पहिले ऊहो जवान रहल। बड़ा भ

19

मिट- गइल-मैदान वाला एगो गाँव

7 November 2023
0
0
0

बरसात के दिन में गाँवे पहुँचे में भारी कवाहट रहे। दू-तीन गो नदी पड़त रही स जे बरसात में उफनि पड़त रही स, कझिया नदी जेकर पाट चौड़ा है, में त आँख के आगे पानिए पानी, अउर नदियन में धार बहुत तेज कि पाँव टि

20

हजारीप्रसाद द्विवेदी

7 November 2023
0
0
0

अपने सभ हमरा के बहुत बड़ाई दिहली जे एह सम्मेलन के सभापति बनवलीं। एह कृपा खातिर हम बहुत आभारी बानी हमार मातृभाषा भोजपुरी जरूर वा बाकिर हम भोजपुरी के कवनो खास सेवा नइखों कइले हम त इहे समझली ह जे अपने सभ

21

भगवतशरण उपाध्याय

7 November 2023
0
0
0

अखिल भारतीय भोजपुरी साहित्य सम्मेलन, सीवान के अधिवेशन के संयोजक कार्य समिति के सदस्य, प्रतिनिधि अउर इहाँ पधारल सभे जन-गन के हाथ जोरि के परनाम करतानी रउआँ जवन अध्यक्ष के ई भारी पद हमरा के देके हमार जस

22

आचार्य विश्वनाथ सिंह

8 November 2023
0
0
0

महामहिम उपराष्ट्रपति जी, माननीय अतिथिगण, स्वागत समिति आ संचालन- समिति के अधिकारी लोग, प्रतिनिधिगण, आ भाई-बहिन सभे जब हमरा के बतावल गइल कि हम अखिल भारतीय भोजपुरी साहित्य सम्मेलन का एह दसवाँ अधिवेशन के

23

नाटक-खण्ड महापंडित राहुल सांकृत्यायन

8 November 2023
0
0
0

जोंक नोहर राउत मुखिया बुझावन महतो किसान : जिमदार के पटवारी सिरतन लाल  हे फिकिरिया मरलस जान साँझ विहान के खरची नइखे मेहरी मारै तान अन्न बिना मोर लड़का रोवै का करिहैं भगवान हे फिकिरिया मरलस जान करज

24

गबरघिचोर

8 November 2023
0
0
0

गलीज : गाँव के एगो परदेसी युवक गड़बड़ी : गाँव के एगो अवारा युवक घिचोर : गलीज बहू से पैदा गड़बड़ी के बेटा पंच : गाँव के मानिन्द आदमी  गलीज बहू : गलीज के पत्नी आ गबरघिचोर के मतारी जल्लाद, समाजी, दर्शक

25

किसान- भगवान

8 November 2023
1
0
0

बाबू दलसिंगार राय बड़ा जुलुमी जमींदार रहलन। ओहू में अंगरेजी पढ़ल- लिखल आ वोकोली पास एगो त करइला अपने तीत दूसरे चढ़ल नीवि पर बाबू साहेब के आपन जिमिदारी जेठ वाली दुपहरिया का सुरुज नियर तपलि रहे। हरी- बंग

26

मछरी

9 November 2023
0
0
0

ताल के पानी में गोड़ लटका के कुंती ढेर देर से बइठल रहे गोड़ के अँगुरिन में पानी के लहर रेसम के डोरा लेखा अझुरा अझुरा जात रहे आ सुपुली में रह-रह के कनकनी उठत रहे, जे गुदगुदी बन के हाड़ में फैल जात रहे।

27

भँड़ेहरि

9 November 2023
0
0
0

रामदत्त के मेहरारू गोरी रोज सवेरे नदी तीरे, जहाँ बान्ह बनावल गइल बा, जूठ बर्तन माँजे आ जाले जब एहर से जाये के मोका मिलेला ओकरा के जरूर देखी ला। अब ओखरा संगे संगे ओकरा बर्तनो के चीन्हि लेले बानी एगो पच

28

रजाई

9 November 2023
0
0
0

आजु कंगाली के दुआरे पर गाँव के लोग फाटि परल वा एइसन तमासा कव्वी नाहीं भइल रहल है। बाति ई बा कि आजु कँगाली के सराध हउवे। बड़ मनई लोगन के घरे कवनो जगि परोजन में गाँव-जवार के लोग आवेला, नात- होत आवेलें,

29

तिरिआ जनम जनि दीहऽ विधाता

9 November 2023
0
0
0

दिदिआ क मरला आजु तीनि दिन हो गइल एह तोनिए दिन में सभ कुछ सहज हो गइल नइखे लागत जइसे घर के कवनो बेकति के मउअति भइल होखे। छोट वहिन दीपितो दिदिआ के जिम्मेदारी सँभारि लेलसि भइआ का चेहरा पर दुख के कवनो चिन्

30

पोसुआ

9 November 2023
0
0
0

दूबि से निकहन चउँरल जगत वाला एगो इनार रहे छोटक राय का दुआर पर। ओकरा पुरुष, थोरिके दूर पर एगो घन बँसवारि रहे। तनिके दक्खिन एगो नीबि के छोट फेंड़ रहे। ओहिजा ऊखि पेरे वाला कल रहे आ दू गो बड़-बड़ चूल्हि दू

31

तिसरका कुल्ला

10 November 2023
0
0
0

एहर तीनतलिया मोड़ से हो के जो गुजरल होखव रउआ सभे त देखले होखब कि मोड़ के ठीक बाद, सड़क के दहिने, एकदिसाहें से सैकड़न बर्हम बाबा लोग बनल बा.... बहम बाबा के बारे में नइखीं जानत ? अरे नाहीं जी, ब्रह्म आ

32

यैन्कियन के देश से बहुरि के

10 November 2023
0
0
0

बहुत साल पहिले एगो किताब पढ़ले रहलीं राहुल सांकृत्यायन जी के 'घुमक्कड़ शास्त्र' जवना में ऊ लिखले रहलन कि अगर हमार बस चलित त हम सबका घुमक्कड़ बना देतीं। 'अथातो घुमक्कड़ जिज्ञासा' से शुरू क के ऊ बतवले र

33

गहमर : एगो बोधिवृक्ष

10 November 2023
1
0
0

केहू केहू कहेला, गहमर एतना बड़हन गाँव एसिया में ना मिली। केह केहू एके खारिजो कइ देला आ कहला दै मदंवा, एसिया क ह ? एतना बड़ा गाँव वर्ल्ड में ना मिली, वर्ल्ड में बड़ गाँव में रहला के आनन्द ओइसही महसूस ह

34

त्रेता के नाव

10 November 2023
0
0
0

आदमी जिनिगी में बेवकूफी के केतने काम कइल करेला, बाकिर रेलगाड़ी में जतरा करत खानी अखवार कीनि के पढ़ल ओह कुल्ही बेवकूफिन के माथ हवे। ओइसे हम एके खूब नीके तरह जानत बानी, तबो मोका दरमोका हमरो से अइसन मू

35

डोण्ट टाक मिडिले-मिडिले

10 November 2023
1
0
0

आगे जवन हम बतावे जात हईं तवन भोजपुरियन बदे ना, हमरा मतिन विदेशियन बदे हौ त केहू कह सकत हौ कि भइया, जब ईहे हो त अंग्रेजी में बतावा, ई भोजपुरी काहे झारत हउअ ? जतावल चाहत हउअ का कि तोके भोजपुरी आवेला

---

एगो किताब पढ़ल जाला

अन्य भाषा के बारे में बतावल गइल बा

english| hindi| assamese| bangla| bhojpuri| bodo| dogri| gujarati| kannada| konkani| maithili| malayalam| marathi| nepali| odia| punjabi| sanskrit| sindhi| tamil| telugu| urdu|