shabd-logo

त्रेता के नाव

10 November 2023

0 देखल गइल 0

आदमी जिनिगी में बेवकूफी के केतने काम कइल करेला, बाकिर रेलगाड़ी

में जतरा करत खानी अखवार कीनि के पढ़ल ओह कुल्ही बेवकूफिन के माथ

हवे। ओइसे हम एके खूब नीके तरह जानत बानी, तबो मोका दरमोका हमरो से

अइसन मूर्खता हो जाइल करेले अखबार कोनि लिहला में चल्हांकी खाली एतने

भर रहे ले कि हाथ में अखबार लउकत रहला से अपना के आदमी बेकहले सुनल

बड़ साबित क सकेला| साधे-साधे अगर बर्थ पर बइठे के जगहा ना रहेला त

अगल-बगल के पसिजर लोग एने-ओने घुसुकि के जगहा दे देला । एगो चल्हाकी

हम एमें अउरी करेलों कि हम हाथ में अखबार अकसर पुराने राखल करेली, काहें

जे हम ई खूब अच्छी तरह जानेलों कि गाड़ी में कीनल टटका अखबार ना त

गाड़िए में पढ़े के मिलेला, ना घरहीं ले जाए के मिलेला लाट फारम पर बेचे

वाला हाकर का हाथ से जइसहीं अखबार रउरा हाथ में आई, बगल में बइठल

केवनो ना केवनो जाना जरूरे बोलि दोहन-भाई साहब! बस एक मिलिट

खातिर, इची माफ करबि" आ हाथ में के अखबार एह तरे झपटि के छोनि लोहन

जइसे चौल्हि पत्तल पर के पूड़ी ऊ रउरा 'हाँ' भा 'ना' के इन्तजारी ना करिहन ।

उनका एह करतव का सफलता के देखि के दोसरो के साहस बढ़ेला केहू अपनी

जगहे पर बइठले बइटल अखवार का मोटका शीर्षक के गिड़ोरि-गिड़ोर के पढ़े

लागेला, त केहू एने ओने से झाँक झूक करे लागेला ताकि दोसरा लोगन का ई

बुझाइ जाउ कि उनहूँ का अखबार के खास जरूरत बाटे। कुछ लोग उनहूँ से डेढ़

भेंटा जालन ऊ अखबार के एगो पन्ना खींच लीहन आ कहिहन- "भाई साहब,

तबले हमहूँ बीच वाला पन्ना देखि लीं। कहे के मतलब ई कि नाऊ देखते सभकर

हजामत बढ़ि जाले आ देखते देखत अखबार 'देवता के परसाद' बनि के बँटाइ

जाला माटी के देवता तिलके में ओराइ जालन आ बेचारा अखबार वाला लोगने

के मुँह बाँचत रहि जाला। अगर ऊ इचिको अउँजाहट देखाई त तुरन्ते ओके लोग

समुझावे लागी कि एतना जल्दी काहे के बा? राउर त अखबार हइए ह, घरे ले जा

सुचित से पढ़त नू रहवि। अगर उनका एह उपदेश से रउरा इचिको ढोल परली

त ऊ परोपकारियो बनि जइहन आ अपने अखबार का तारिख से ले के अन्त में

सम्पादक आ प्रकाशक के नाम बँचला का बाद ऊ दोसरा का हाथ में बढ़ाइ के

अपने बड़ बनि जइहन। 

ई बाति नइखे कि कुल्ही यात्री लोग अखबार का समाचारे खातिर खखुआइल रहेलन अखवार चाहे टटका होखे चाहे बसिया बस हाथ में रहे के चाहीं । केहू का राजनीतिक समाचारन में रुचि होले, केहू बियाह आ नोकरी के विज्ञापन टकटोरेला। केहू कार्टून आ छापा देखेला त केहू चटक मटक तिजाबी समाचार बाँचेला।

ओ दिने जइसहों हाथ में अखबार ले ले डिब्बा में ढुकलों, हमके देखते डिब्बा के भीड़ एहतरे फाटि गइलि जइसे पछुआ वहते बदरी फाटि जाले हमरा सीट पर बइठते एक जाना अधेड़ सवाल कइलन" भाई साहेब, इची अखबार बाँचि के सुनाई। केवनो नया समाचार त नइखे नू ?" उनुके के समुझावो कि अखबार में कुल्ही नये समाचार छपाला ओमें पुरान समाचार धोरे रहेला! हम हँसि दिहली फेनु ऊ पुछलन-"कहीं लड़ाई ओड़ाई त नइखे नू लागलि ?"

ओइसे अखवार हमरा हाथ में जरूर रहे बाकिर गाड़ी पकड़े का फेर में हमरा एतना एतना धउरे के परल रहे कि हँफला का मारे बोले के हिम्मत ना करति रहे। हम गँव से उनुका और अखबार बढाइ के उनसे छुट्टी लिहल चहलों ताकि ऊ अपना मन मोताबिक अखबार बाँचि लेसु । बाकिर ऊ काहे के ? ऊ अखबार के दोसरा और बढ़ावत कहलन -'अच्छा जाये दोहीं, एगो बाति बताई, हमार सरकार रातो दिन एतना जोर लगवले बा, बाकिर हमरा देश से चोरी-डकैती, खून-खराबा, भ्रष्टाचार दिनो दिन बढ़ते जाता जान5 तानी काहें ?'

हम किछु कहीं तबले बगल में बइठल एक जाना, जे दोसर ओर मुँह कइके चिनियाबदाम तउलवावत रहन, पास में धइल अखबार पर चीनिया बदाम आ नून धड़के तपाक से कहलन - "हम बतावत बानी महराज ई कुल्हि त्रेता का नाव के नू प्रभाव हवे एही से सभकर बेड़ा पार हो रहल बा।"

'सभकर बेड़ा त भगवान पार लगावेलन ई त्रेता के नाव' कइसन बलाइ आ गइलि ?" हम अचरज से पुछलीं। "

"त हम कब कहत बानी कि भगवान बेड़ा पार ना लगावेलन। उनहीं के नू ई कुल्ही महिमा हवे कि आजु गदहो हलुआ खा रहल बाड़न स।"- चिनियाबदाम निकिआवत ऊ कहलन ।

'अब भगवान कहाँ बाड़न भइया? अब त गते गते सभकर विसवास भगवान पर से उठल जात बा ठेकान नइखे कि धरती पर रोजे केतना अधर्म होत बाटे, केतना अत्याचार होत बाटे ? अगर भगवान होइतन त चुपचाप धोरे बइठल रहितन। "- पाछा बइठल एक जाना वृद्ध खड़नी फाँकत कहलन । "

अखबार पर धइल नून के जीभि पर चीखत पहिलका जाना कहल शुरू कइलन - " महराज ! गुस्ताखी माफ करबि भगवान आजुओ बाड़न आ जे जीवे धन उनुके पूजता ओकरा खातिर ऊ कल्पवृक्ष खानी बरिसत बाड़न हैं अन्तर एतने बा कि सभे समय आ स्थान का मोताबिक धर्म आ भगवान का बदलल रूप के पहिचान नइखे पावत।"

"धर्म आ भगवान के बदलल रूप ? एकर माने ?"- बुढ़ऊ पूछलन। 'जी सरकार, धर्म आ भगवान के रूप स्थान आ समय का मोताबिक बदलत रहेला।" ऊ कहलन। "ईहे हमरी भारतीय संस्कृति के पुरान परम्परा हवे हमनी का 'कृष्ण' आ'काली' के पुराना जमाना से शक्तिशाली मानि के पूजत आवडतानी जा। आजु का जुग में ऊहे 'कृष्ण' आ 'काली' 'बिलेक' का रूप में अवतार ले ले बाड़न त ओह 'बिलेक' के हमनी का पूजत नइखों जा, उलुटे ओके तूरे का फेर में परल बानी जा। एसे कल्यान थोरे होखी? जे बिलेक के पूजत बा, ऊ सुखी आ सम्पन्न वा 'विलेक' ओकरा खातिर 'कल्पवृक्ष' बनल बा ।"

उनुकर बाति सुनि के डिब्बा भर के लोग हँसे लागल। चिनियाबदाम निकिया के बोकला फूँकि के उंचिलावत ऊ कहलन-"वाह! एमें हँसे के बाति का बा ? जेवन सही बाति बा कहडतानी अइसहीं हम त्रेता का नाव' का बारे में किछु कहीं त रउरा सभे हँसे लागबि।"

बाति उनकर किछु अटपटाह जरूर लागति रहे बाकिर रहलि जरूर मजेदार। हमनी का आपन हँसी बिलकुले रोकि दिहलों जा आ चिरौरी करत कहलीं जा- "महराज ! रउरा अनेरे अनकुस मानतानी हमनी का रउरा पर नाहीं, अपना नादानी पर हँसत बानी जा। असल में 'त्रेता के नाव' हवे केवन चीजु ? रउरा एह शंका के त मिटाई।"

जब ओह महराज का एह बाति के पूरा-पूरा बिसवास हो गइल कि अब हमरी चल्हाँकी के सिक्का सभ पर पूरा-पूरा जमि गइल बा त चिनियाबदाम के बोकला सभका पर उधियाइ के गरदन मटकावत कहलन-" देखीं सभे, हम ई नखों कहते कि रउरा सभे नास्तिक बानी आ ईश्वर के नइखीं मानत बाकिर एतना हम जरूर कहवि कि रउरा सबै पूरा लकीर के फकीर बानी जेवन पोथी आज से हजार दू हजार बरिस अगते के लिखलि बा ओकरा कहनी के हमनी का जस के तस मानि लेत बानी जा। कहीं, बात सही कहत बानी किना ?"

"ऊ कइसे ? हमके त बुझात नइखे।"- पाछा बइठल बुढ़ऊ बोललन । "देखीं, बात अगर अइसन ना रहित त रउरा सभे का अबले त्रेता का नाव' बुझत में कठिनाई ना होइत जे रोजे रउरा सभे का आपन करामात देखावति वा, ओह त्रेता का नाव' का बारे में रउरा सबै अनजान रहीं, ई कम अचरज के वाति नइखे।"- अब उहाँ के प्रवचन प्रारम्भ हो गइल आ हमार अखबार खाली हो गइल रहे हम ओके उठाइ के अपना झोरा में धइ लिहल चहलीं। बाकिर उहाँ का अवहीं अखबार खातिर सजगाहे रहलीं। उहाँ का प्रवचन रोकि दिहली आ कहलों" अवहाँ अखबार राखीं मति एतना जल्दी का वा? ई गाड़ी में पंखा ससुरा चले के नाम नइखे लेत देई अखबार एही के पंखा बनावल जाउ।"

एह तरे हाथ में आइल अखवार फेनू पंखा का काम में आवे लागल। हमनी के उत्सुकता बढ़ते जाति रहे। हम पुछलीं- " हैं त रउरा त्रेता का नाव' का बारे में नू कहत रहलीं हा "

"हैं, ऊहे त बतावे जात बानी 'त्रेता युग' में अयोध्या में राजा दशरथ कीहां रामचन्द्र जी के जन्म भइल रहे। ई त रउरा सभे जानत नू बानी ?"- ऊ पुछलन।

"हाँ, हाँ, भलाई के नइखे जानत।" सभे एह बात के समर्थन कइल। "त फिर सुनीं सभे"-कहि के उहाँ का दोसरा का सुविधा असुविधा के बिना ध्यान दिहले, गोड़ ऊपर उठाइ के पलहथी मारि के आराम से बइटि गइलों आ कहे लगलों-

"खाली शास्त्रन में पढ़ि पढ़ि के सभे लोग लकीर के फकीर बनल बाटे। अगर थोरहू बूधी आ तर्क के सहारा लिहले होइत सभे त देश के अइसन दुर्गति नाहीं भइलि रहिति। अब ईहे अखबारे के लीहीं न एमें का कुल्ही साचे बाति छपल बाटे ? कतो केवनो दुर्घटना होला दू सौ आदमी मुएलन त दू आदमी मुअल देखावल जाला। छापल बाति के हमहन ब्रह्म वाक्य मानि लेई ले जा जवानी बाति के केवनो कीमत ना राखे लीं सभे हवा में कहल एह कान से सुनलीं ओह कान से उड़ि गइल। एगो वैदिक युग रहे जब कुल्ही बात सुनिए के मानि लिहल जाव। "

देखनीं कि डहरि बदलत जाति बा। एसे बीचे में टोकि के कहलीं- 'महाराज! रउरा जल्दी आपन बाति समुझाई, ना त टीसन निशिचात जात बा सभे उतरि जाई त राउर ई पँवारा कोरवरे रहि जाई, सुनी के ? " "

"एही से त हम चुप रहली। आजु काल्हि के आदिमी त मशीन बनि गइल बा। रोजी रोटी का सिवा दुनिया का केवनो काम से ओह लोगन का केवनो मतलब नइखे रहत। धर्म आ शास्त्र का विवेचना करे के ओ लोगन का मोके कहाँ बा?'' – उनका भाषण के रेकाड चलते रहे तबले गाड़ी खड़ा हो गइल। खिड़िकी में से झाँक के देखलीं त अजीब तमासा रहे। गाड़ी केवनो टीसन पर ना खड़ा रहे। रेलवई का दूनों ओर नाला में पानी खूब लबालब भरल रहे। फइलावाँ पक्की सड़क पर दू ठो रोडवेज के बस खड़ा रहली स। पुलिस के पियादा चारू ओर से हाथ में डंडा ले ले ट्रेन के घेरि ले ले रहलन स गाड़ी के ठहरत कहीं कि ढेर जाना पानी में छपाक से कूदि परलन केहू एने गिरल, केहू ओने गिरल केहू के टॉंग टूटल, केहू के भुभुन फूटल। केहू भागि के ऊखि का खेत में लुकाइल । केहू हाँफत हाँफत पुलिस का चपेट में आ गइल पुछला पर पता चलल कि मजिस्ट्रेट चेकिंग होत बा। डिब्बा में हमनियों का टिकट चेकर आइल सभे अपना अपना बगली में से टिकट निकासि के सहेजे लागल, जइसे टी०सी० नाहीं पाकिटमार डिब्बा में समा गइल होखो । 

सबै देखल उजर धप्प-धप्प खद्दर के कुरता धोती पहिरले, खाझा टोपी लगवले एक जना फस्ट किलास का डिब्बा में से उतरि के एने ओने के तमाशा देखत रहलन। उनुका टिनोपाली वेश-भूषा के देखते सभे उनुका बारे में तरह-तरह के कल्पना करे लागल। केहू उनुके बहुत बड़ लीडर मानल। केहू एम०पी० या एम० एल०ए० जानल केहू गाँधी आश्रम के 'भाईजी' कहल। खैर अपना-अपना सूझ-बूझ का मोताबिक सभे आपन आपन विचार बतावल जब टी०सी० हमनी का डिब्बा में से उतरि के दोसरा डिब्बा का ओर चलल त उहाँ का हमनी का डिब्बा में चढ़ि के पैखाना में दूकि गइली आ भीतर से सिटिकिनी चढ़ा दिहलीं । थोरकी देर में कुल्हो थिरथपना हो गइल आ गाड़ी चलि दिहलसि आ हमनी का डिब्बा में महराज जी आपन भाषण शुरू कइलन "जब रामचन्द्र जी लछुमन आ सीता जी का संगे संगे वन का ओरि चललन त डहरि में गंगाजी के पार करे के परल मलहवा से जेवन बातिचीत भइल तेवन त रउरा सभे जनते बानी, हैं, नइया खातिर जेवन बरदान भगवान रामचन्द्र जो दिहनी ओके शायद रउरा सभे अबहीं ले नइखी जानत।" 

"हैं, हैं, ओही के बतावल जाउ।"- हमनी का उत्सुक होके कहलीं जा।

"जब भगवान रामचन्द्रजी मल्लाह के सन्तुष्ट कइ लिहलन त बेचारी नइया पानों में उदास होके उनुका ओरि टुकुर टुकुर तिकवति रहे। भगवान का ओह पर दया आ गइलि। ऊ कहलन - "जा कलयुग में जब रामराज होखी त तोहरो उद्धार हो जाई तू अब पानी में ना रहबू। अब सभकर पानी तू ही बचइबू । अब ले सभ तोहरा छाती पर चढ़त रहल हवे, अब तू ही सभका कपार पर चढ़बू तोहरे से ओह लोगन के बेड़ा पार होखी।"

बेचारी नइया हाथ जोरि के खड़ा हो गइल आ कहे लागलि "महाराज ! हमरा निअर अभागिन करिया कुच कुच सरल काठ के नाव के भला के कपार पर चढ़ाई ?"

"नाव के बाति सुनि के भगवान का हँसी आ गइलि । ऊ कहलन- पागल कहीं के, तू हमरा गोड़ का धूरी के महातम नइखू जानति । पत्थल के चट्टान अगर ओसे मेहरारू हो सकति वा, त का तू करिया से गोर नइखू हो सकति भारी से हल्लुक ना हो सकेलू ? अरे गोर के केवन कहे तू त अइसन उज्जर धप्प धप्प हो जइबू कि डहरी चलत लोग एक क्षण खातिर खड़ा होके तोहार तमाशा देखी। 

भगवान के ई बरदान साच भइल। त्रेता के उहे नाव आजु सभका कपार पर चढ़ि के सभसे पुजवावति वाटे आजु ओही के जादू सबका कपार पर चढ़ि के बोलत बा।"

"राउर बुझौवल बुझात नइखे महराज !"- हम कहलीं । ऊ किछु कहहीं जात रहलन तबले एगो पुलिस डिब्बा में ढूकल । ऊ पैखाना के दरवाजा पीटे लागल हमनी का बतलवलीं कि एक जाना अगते से ओमें गइल

बाड़न ।

"हँ, हैं हमनी का उनहीं के त खोजत बानी जा। अबहिए ऊहाँ का फस्ट किलास का डिब्बा में बइठल रहली हा आपन बकसा आ विस्तरा छोड़ि के ना जाने कहँवा गायब हो गइल बाड़न, " पुलिस बतलवलसि ।

"त एमें केवन बाति वा ऊहाँ का जा के फेनु बकसा ले लेहवि । फस्ट किलास के पाखाना गंदा होखी एही से हमनी का डिब्बा में गइल बाड़न।"—हम कहलीं ।

"बाकिर बकसवा में बाटे का? इची हमनियों का देखल चाहत बानी जा।"- पियादा कहलसि आ फेनू केवाड़ी पीटे लागल। बड़ी देर का बाद केवाड़ी खुललि गाड़ी जब अगिला टीसन पर बेलमलि त सिपाही लोग उनुके फस्ट किलास का डिब्बा में ले गइल लाटफारम के सगरे भीड़ डिब्बा का आगा बिदुराइ गइलि। गाड़ी देर ले बेलमि गइलि हमनियों का उतरि के डिब्बा का ओरि गइलीं जा देखलीं जा महाशयजी के हाथ में हथकड़ी परि गइलि रहे। बकसा में गाँजा भरल रहे। हेठा गिरल केवनो चीजुके उठाइ के हमनी के कथावाचक जी कहे लगलन-"देखीं सभे, ई हवे त्रेता के नाव' जेवन अब तक इनिकर बेड़ा बार कइलसि हवे। कपार पर से गिरते इनिके ले डूबलि । "

सभ केहू देखल उनुका हाथ में 'खाझा टोपी' रहलि, जेवन थोरकी देर अगते उनका कपार पर रहुए, बाकिर अउँजाहट में कपार से हेठा गिरि गइल रहे । हमनी के कथावाचक जी अखबार से ओकर धूरि पोंछत रहलन।

'त्रेता के नाव' देखि के सभका हँसी आ गइलि

35
लेख
पुरइन-पात
0.0
भोजपुरी के प्रमुख साहित्यकार डॉ. अरुणेश नीरन अपना सम्मोहक रचना से साहित्यिक परिदृश्य पर अमिट छाप छोड़ले बाड़न. अपना अंतर्दृष्टि वाला कहानी खातिर विख्यात ऊ अइसन कथन बुनत बाड़न जवन भोजपुरी भाषी क्षेत्रन के समृद्ध सांस्कृतिक टेपेस्ट्री से गुंजायमान बा. नीरन के साहित्यिक योगदान अक्सर सामाजिक गतिशीलता के बारीकियन में गहिराह उतरेला, जवन मानवीय संबंधन आ ग्रामीण जीवन के जटिलता के गहन समझ के दर्शावत बा। उनकर लेखन शैली भोजपुरी संस्कृति के सार के समेटले बा, पारंपरिक तत्वन के समकालीन विषय के साथे मिलावत बा। डॉ. अरुणेश नीरन के भोजपुरी भाषा आ धरोहर के संरक्षण आ संवर्धन खातिर समर्पण उनुका काम के निकाय में साफ लउकत बा. एगो साहित्यिक हस्ती के रूप में उहाँ के अतीत आ वर्तमान के बीच सेतु के रूप में खड़ा बानी, ई सुनिश्चित करत कि भोजपुरी साहित्य के अनूठा आवाज उहाँ के अंतर्दृष्टि वाला कलम के तहत पनपत आ विकसित होखत रहे।
1

स्वस्ती श्री

4 November 2023
1
0
0

भोजपुरी क्षेत्र की यह विशेषता है कि वह क्षेत्रीयता या संकीर्णता के दायरे में बँध कर कभी नहीं देखता, वह मनुष्य, समाज और देश को पहले देखता है। हिन्दी भाषा और साहित्य के विकास में भोजपुरी भाषी लोगों का अ

2

कविता-खण्ड गोरखनाथ

4 November 2023
0
0
0

अवधू जाप जप जपमाली चीन्हों जाप जप्यां फल होई। अजपा जाप जपीला गोरप, चीन्हत बिरला कोई ॥ टेक ॥ कँवल बदन काया करि कंचन, चेतनि करौ जपमाली। अनेक जनम नां पातिंग छूटै, जयंत गोरष चवाली ॥ १ ॥ एक अपोरी एकंकार जप

3

भरथरी - बारहमासा

4 November 2023
0
0
0

चन्दन रगड़ी सांवासित हो, गूँथी फूल के हार इंगुर माँगयाँ भरइतो हो, सुभ के आसाढ़ ॥ १ ॥ साँवन अति दुख पावन हो, दुःख सहलो नहि जाय। इहो दुख पर वोही कृबरी हो, जिन कन्त रखले लोभाय ॥ २ ॥ भादो रयनि भयावनि हो, ग

4

कबीरदास

4 November 2023
1
0
0

झीनी झीनी बीनी चदरिया | काहे के ताना काहे के भरनी, कौने तार से बीनी चदरिया | इंगला पिगला ताना भरनी, सुषमन तार से बीनी चदरिया | आठ कँवल दल चरखा डोलै, पाँच तत्त गुन तीनो चदरिया | साई को सियत मास दस लागे

5

धरमदास

4 November 2023
0
0
0

सूतल रहली मैं सखिया त विष कइ आगर हो । सत गुरु दिहलेंड जगाइ, पावों सुख सागर हो ॥ १ ॥ जब रहली जननि के अंदर प्रान सम्हारल हो । जबले तनवा में प्रान न तोहि बिसराइव हो ॥ २ ॥ एक बूँद से साहेब, मंदिल बनावल

6

पलटू साहेब

4 November 2023
0
0
0

कै दिन का तोरा जियना रे, नर चेतु गँवार ॥ काची माटि के घैला हो, फूटत नहि बेर । पानी बीच बतासा हो लागे गलत न देर ॥ धूआँ कौ धौरेहर बारू कै पवन लगै झरि जैहे हो, तून ऊपर सीत ॥ जस कागद के कलई हो, पाका फल डा

7

लक्ष्मी सखी

4 November 2023
0
0
0

चल सखी चल धोए मनवा के मइली ॥ कथी के रेहिया कथी के घइली । कबने घाट पर सउनन भइली ॥ चितकर रेहिया सुरत घड़ली । त्रिकुटी भइली ॥ ग्यान के सबद से काया धोअल गइली । सहजे कपड़ा सफेदा हो गइली ॥ कपड़ा पहिरि लछिमी

8

बाबू रघुवीर नारायण बटोहिया

4 November 2023
1
0
0

सुन्दर सुभूमि भैया भारत के देसवा से मोरे प्रान बसे हिम-खोह रे बटोहिया एक द्वार घेरे राम हिम कोतवलवा से तीन द्वार सिधु घहरावे रे बटोहिया जाहु जाहु भैया रे बटोही हिन्द देखि आउ जहवाँ कुहकि कोइलि बोले रे

9

हीरा डोम

4 November 2023
0
0
0

हमनी के राति दिन दुखवा भोगत वानों हमन के साहेब से मिनती सुनाइबि हमनों के दुख भगवनओ न देखता जे हमनीं के कबले कलेसवा उठाइब जा पदरी सहेब के कचहरी में जाइब बेधरम होके रंगरेज बानि जाइवि हाय राम! धरम न छोड

10

महेन्दर मिसिर

4 November 2023
0
0
0

एके गो मटिया के दुइगो खेलवना मोर सँवलिया रे, गढ़े वाला एके गो कोंहार कवनो खेलवना के रंग बाटे गोरे-गोरे मोर सँवलिया रे कवनो खेलवना लहरदार कवनो खेलवना के अटपट गढ़निया मोर सँवलिया रे, कवनो खेलवना जिउवामा

11

मनोरंजन प्रसाद सिन्हा - मातृभाषा आ राष्ट्रभाषा

6 November 2023
0
0
0

दोहा जय भारत जय भारती, जय हिन्दी, जय हिन्द । जय हमार भाषा बिमल, जय गुरू, जय गोविन्द ॥ चौपाई ई हमार ह आपन बोली सुनि केहू जनि करे ठठोली ॥ जे जे भाव हृदय के भावे ऊहे उतरि कलम पर आवे ॥ कबो संस्कृत, कबह

12

कौना दुखे डोली में रोवति जाति कनियाँ

6 November 2023
0
0
0

भारत स्वतन्त्र भैल साढ़े तीन प्लान गैल बहुत सुधार भैल जानि गैल दुनियाँ चोट के मिलल अधिकार मेहरारून का किन्तु कम भैल ना दहेज के चलनियाँ एहो रे दहेज खाती बेटिहा पेरात बाटे तेली मानों गारि-गारि पेर

13

महुआबारी में बहार

6 November 2023
0
0
0

असों आइल महुआबारी में बहार सजनी कोंचवा मातल भुँइया छूए महुआ रसे रसे चूए जबसे बहे भिनुसारे के बेयारि सजनी पहिले हरका पछुआ बहलि झारि गिरवलसि पतवा गहना बीखो छोरि के मुँड़ववलसि सगरे मथवा महुआ कुछू नाहीं

14

राम जियावन दास 'बावला'

6 November 2023
0
0
0

गाँव क बात गीत जनसरिया के होत भोरहरिया में, तेतरी मुरहिया के राग मन मोहइ । राम के रटनियाँ सुगनवा के पिजरा में, ओरिया में टैंगल अँगनवा में सोहइ । माँव-गाँव करैला बरुआ मड़इया में गइयवा होकारि के मड़इया

15

सपना

6 November 2023
0
0
0

सूतल रहली सपन एक देखली मनभावन हो सखिया फूटलि किरिनिया पुरुष असमनवा उजर घर आँगन हो सखिया अँखिया के नीरवा भइल खेत सोनवा त खेत भइलें आपन हो सखिया गोसयाँ के लठिया मुरड्या अस तूरली भगवलीं महाजन हो सखिया

16

इमली के बीया

6 November 2023
0
0
0

लइकाई के एक ठे बात मन परेला त एक ओर हँसी आवेला आ दूसरे और मन उदास हो जाला। अब त शायद ई बात कवनी सपना लेखा बुझाय कि गाँवन में जजमानी के अइसन पक्का व्यवस्था रहे कि एक जाति के दूसर जाति से सम्बंध ऊँच-नीच

17

कोजागरी

6 November 2023
0
0
0

भारत के साहित्य में, इतिहास भी पुराणन में, संस्कृति भा धर्म साधना में, कई गो बड़हन लोगन के जनम आ मरण कुआर के पुनवासी के दिन भइल बाटे। कुआर के पुनवासी- शरदपूर्णिमा के ज्योति आ अमृत के मिलल जुलल सरबत कह

18

पकड़ी के पेड़

7 November 2023
0
0
0

हमरे गाँव के पच्छिम ओर एक ठो पकड़ी के पेड़ बा। अब ऊ बुढ़ा गइल बा। ओकर कुछ डारि ठूंठ हो गइल बा, कुछ कटि गइल बा आ ओकर ऊपर के छाल सुखि के दरकि गइल बा। लेकिन आजु से चालीस बरिस पहिले ऊहो जवान रहल। बड़ा भ

19

मिट- गइल-मैदान वाला एगो गाँव

7 November 2023
0
0
0

बरसात के दिन में गाँवे पहुँचे में भारी कवाहट रहे। दू-तीन गो नदी पड़त रही स जे बरसात में उफनि पड़त रही स, कझिया नदी जेकर पाट चौड़ा है, में त आँख के आगे पानिए पानी, अउर नदियन में धार बहुत तेज कि पाँव टि

20

हजारीप्रसाद द्विवेदी

7 November 2023
0
0
0

अपने सभ हमरा के बहुत बड़ाई दिहली जे एह सम्मेलन के सभापति बनवलीं। एह कृपा खातिर हम बहुत आभारी बानी हमार मातृभाषा भोजपुरी जरूर वा बाकिर हम भोजपुरी के कवनो खास सेवा नइखों कइले हम त इहे समझली ह जे अपने सभ

21

भगवतशरण उपाध्याय

7 November 2023
0
0
0

अखिल भारतीय भोजपुरी साहित्य सम्मेलन, सीवान के अधिवेशन के संयोजक कार्य समिति के सदस्य, प्रतिनिधि अउर इहाँ पधारल सभे जन-गन के हाथ जोरि के परनाम करतानी रउआँ जवन अध्यक्ष के ई भारी पद हमरा के देके हमार जस

22

आचार्य विश्वनाथ सिंह

8 November 2023
0
0
0

महामहिम उपराष्ट्रपति जी, माननीय अतिथिगण, स्वागत समिति आ संचालन- समिति के अधिकारी लोग, प्रतिनिधिगण, आ भाई-बहिन सभे जब हमरा के बतावल गइल कि हम अखिल भारतीय भोजपुरी साहित्य सम्मेलन का एह दसवाँ अधिवेशन के

23

नाटक-खण्ड महापंडित राहुल सांकृत्यायन

8 November 2023
0
0
0

जोंक नोहर राउत मुखिया बुझावन महतो किसान : जिमदार के पटवारी सिरतन लाल  हे फिकिरिया मरलस जान साँझ विहान के खरची नइखे मेहरी मारै तान अन्न बिना मोर लड़का रोवै का करिहैं भगवान हे फिकिरिया मरलस जान करज

24

गबरघिचोर

8 November 2023
0
0
0

गलीज : गाँव के एगो परदेसी युवक गड़बड़ी : गाँव के एगो अवारा युवक घिचोर : गलीज बहू से पैदा गड़बड़ी के बेटा पंच : गाँव के मानिन्द आदमी  गलीज बहू : गलीज के पत्नी आ गबरघिचोर के मतारी जल्लाद, समाजी, दर्शक

25

किसान- भगवान

8 November 2023
1
0
0

बाबू दलसिंगार राय बड़ा जुलुमी जमींदार रहलन। ओहू में अंगरेजी पढ़ल- लिखल आ वोकोली पास एगो त करइला अपने तीत दूसरे चढ़ल नीवि पर बाबू साहेब के आपन जिमिदारी जेठ वाली दुपहरिया का सुरुज नियर तपलि रहे। हरी- बंग

26

मछरी

9 November 2023
0
0
0

ताल के पानी में गोड़ लटका के कुंती ढेर देर से बइठल रहे गोड़ के अँगुरिन में पानी के लहर रेसम के डोरा लेखा अझुरा अझुरा जात रहे आ सुपुली में रह-रह के कनकनी उठत रहे, जे गुदगुदी बन के हाड़ में फैल जात रहे।

27

भँड़ेहरि

9 November 2023
0
0
0

रामदत्त के मेहरारू गोरी रोज सवेरे नदी तीरे, जहाँ बान्ह बनावल गइल बा, जूठ बर्तन माँजे आ जाले जब एहर से जाये के मोका मिलेला ओकरा के जरूर देखी ला। अब ओखरा संगे संगे ओकरा बर्तनो के चीन्हि लेले बानी एगो पच

28

रजाई

9 November 2023
0
0
0

आजु कंगाली के दुआरे पर गाँव के लोग फाटि परल वा एइसन तमासा कव्वी नाहीं भइल रहल है। बाति ई बा कि आजु कँगाली के सराध हउवे। बड़ मनई लोगन के घरे कवनो जगि परोजन में गाँव-जवार के लोग आवेला, नात- होत आवेलें,

29

तिरिआ जनम जनि दीहऽ विधाता

9 November 2023
0
0
0

दिदिआ क मरला आजु तीनि दिन हो गइल एह तोनिए दिन में सभ कुछ सहज हो गइल नइखे लागत जइसे घर के कवनो बेकति के मउअति भइल होखे। छोट वहिन दीपितो दिदिआ के जिम्मेदारी सँभारि लेलसि भइआ का चेहरा पर दुख के कवनो चिन्

30

पोसुआ

9 November 2023
0
0
0

दूबि से निकहन चउँरल जगत वाला एगो इनार रहे छोटक राय का दुआर पर। ओकरा पुरुष, थोरिके दूर पर एगो घन बँसवारि रहे। तनिके दक्खिन एगो नीबि के छोट फेंड़ रहे। ओहिजा ऊखि पेरे वाला कल रहे आ दू गो बड़-बड़ चूल्हि दू

31

तिसरका कुल्ला

10 November 2023
0
0
0

एहर तीनतलिया मोड़ से हो के जो गुजरल होखव रउआ सभे त देखले होखब कि मोड़ के ठीक बाद, सड़क के दहिने, एकदिसाहें से सैकड़न बर्हम बाबा लोग बनल बा.... बहम बाबा के बारे में नइखीं जानत ? अरे नाहीं जी, ब्रह्म आ

32

यैन्कियन के देश से बहुरि के

10 November 2023
0
0
0

बहुत साल पहिले एगो किताब पढ़ले रहलीं राहुल सांकृत्यायन जी के 'घुमक्कड़ शास्त्र' जवना में ऊ लिखले रहलन कि अगर हमार बस चलित त हम सबका घुमक्कड़ बना देतीं। 'अथातो घुमक्कड़ जिज्ञासा' से शुरू क के ऊ बतवले र

33

गहमर : एगो बोधिवृक्ष

10 November 2023
1
0
0

केहू केहू कहेला, गहमर एतना बड़हन गाँव एसिया में ना मिली। केह केहू एके खारिजो कइ देला आ कहला दै मदंवा, एसिया क ह ? एतना बड़ा गाँव वर्ल्ड में ना मिली, वर्ल्ड में बड़ गाँव में रहला के आनन्द ओइसही महसूस ह

34

त्रेता के नाव

10 November 2023
0
0
0

आदमी जिनिगी में बेवकूफी के केतने काम कइल करेला, बाकिर रेलगाड़ी में जतरा करत खानी अखवार कीनि के पढ़ल ओह कुल्ही बेवकूफिन के माथ हवे। ओइसे हम एके खूब नीके तरह जानत बानी, तबो मोका दरमोका हमरो से अइसन मू

35

डोण्ट टाक मिडिले-मिडिले

10 November 2023
1
0
0

आगे जवन हम बतावे जात हईं तवन भोजपुरियन बदे ना, हमरा मतिन विदेशियन बदे हौ त केहू कह सकत हौ कि भइया, जब ईहे हो त अंग्रेजी में बतावा, ई भोजपुरी काहे झारत हउअ ? जतावल चाहत हउअ का कि तोके भोजपुरी आवेला

---

एगो किताब पढ़ल जाला

अन्य भाषा के बारे में बतावल गइल बा

english| hindi| assamese| bangla| bhojpuri| bodo| dogri| gujarati| kannada| konkani| maithili| malayalam| marathi| nepali| odia| punjabi| sanskrit| sindhi| tamil| telugu| urdu|