आइल बा वोट के जवाना हो, पिया मुखिया बनिजा दाल-चाउर खूब मिली, खूब मिली चीनी फेल होई झरिया-धनबाद के कमीनी पाकिट में रही खजाना हो, पिया मुखिया बनिजा जेकरा के मन करी, रासन तू दीहऽ जेकरा से मन करी, घूस लेइ लीहड हाथ में कचहरी आ थाना हो, पिया मुखिया बनिजा तोहरा से बेसी के करेला सेवा?
जिनिगीन ओढ़त रहलऽ टाट अउर लेवा कबो ना मिलल नीमन खाना हो, पिया मुखिया बनिजा अहरा आ पोखरा के लीहऽ तू ठीका कीनि दीहऽ हमरा के झुमका आ टीका गावे के फिलिमी तराना हो, पिया मुखिया बनिजा आइल बा वोट के जवाना हो, पिया मुखिया बनिजा।