हम कवीर के वानी, हमरा पानी कहां मिली ? टापू में बइठल वानीं, रजधानी कहां मिली?
सांप अउर सीढ़ी के खेला, होखत बा इहवां देस भइल माटी, अब सोना-चानी कहां मिली?
भइल अन्हरिया अउर सघन, जोन्हिन से का होई प्रेम अउर ममता से सनल, कहानी कहां मिली ?
सिंहासन प देखऽ गेंडुर मारि सांप बइठल या घुलल हवा में जहर, चुनरिया धानी कहां मिली ?
लाल दुपट्टा सवुज भइल, भालू अगराइल बा ताजमहल दरकल, रस-मातल बानी कहां मिली?
चक्रव्यूह ना टूटल, अभिमन्यू फिर जवह भइल अर्जुन जवले ना जगिहें, कुरवानी कहां मिली?