रउआ खाये के ना लूर बा, जिआन करीला संउसे देसवा के काहे, परेसान करीला?
करिया पइसा के बूता प दोकान खोलिके रऊआ कंठी लेके राम के घेयान करीला
जेकर खूनवा पसेनवा बहेला हरदम, काहे जिनिगी के गाड़ी ओकर जाम करीला
रऊआ साहेबन के सोझवा डोलाइ पोंछिया अपना कबजा में फैक्टरी-खदान करीला
अपना छंवड़ा के देबे खातिर गद्दी सोगहग संउसे देसवा के निनिआँ हराम करीला
रउरा बीवी के मजार प त ताज बनेला हमरा मउगी के दिने में नीलाम करीला । बिड़ला से मिलिके
रोपेआ के दरिया बहादऽ चुनाव में, गोरन से पूछऽ करिअन से पूछऽ डालर भा रूबल मँगा लऽ चुनाव में, 'काँगरेस' के बोली 'जनता' के बोली हिटलर के बोली सुना दऽ चुनाव में बैलट चोरालऽ बकसा चोरालऽ बुथवा प कबजा जमालऽ चुनाव में, पोस्टर निकालऽ
रोस्टर निकालऽ जनता के उल्लू बनालऽ चुनाव में, ए बबुआ टोपी बनालऽ चुनाव में।