केकर ह ई देस अउर के काटत बडुए चानी ? केकर जोतल, केकर बोअल के काटेला खेत ? केकर माई पुआ पकावे केकर चीकन पेट ? के
मरि-मरि सोना उपजावे, के बनि जाला दानी? ताजमहल केकर सिरजल ह केकर ह ई ताज? केकर ह ई माल खजाना?
करत आजु के राज? पांकी-कांदों में के बइठल, के सेवे रजधानी ? केकरा खून-पसेना से लउकत बडुए हरियाली ? के सीमा पर खून बहावे केकरा मुँह पर लाली?
के अमरित के घड़ा बनावे, के पीयेला पानी? केकर ह ई देस अउर के काटत बडुए चानी ?