हम त हई खेत मजूर, हमरा आपन हिस्सा चाहीं नेता भइलन दगाबाज उनुका तनिको नइखे लाज केकरा पर हम करीं गरूर, हमरा आपन हिस्सा चाहीं केहू बांटत बा तिरसूल केहू लाठी में मसगूल आखि में झोंकत बा सब धूर, हमरा आपन हिस्सा चाहीं होखत वा कुर्सी के खेल हमरा खातिर खाली जेल सिखनीं ना हम नयका लूर, हमरा आपन हिस्सा चाहीं अब अंगड़ाई लेता भोर अब ना निकली हमरा लोर लड़ाई होई अव भरपूर, हमरा आपन हिस्सा चाहीं हम त हई खेत मजूर, हमरा आपन हिस्सा चाहीं ।