राजा बाबू राजा भइलें रानी जी के बाद खानदानी रजवा के कइलन आबाद मिले लागल माफिया गिरोहवन के खाद जनता प बढ़ल अत्याचार SSS बनावे चलऽ अब तू आपन राज।
रोज-रोज बनत बा नयका कानूनवा हक के लड़इया के करे खातिर खूनवा देखते-देखत देस भइल देहरादूनवा कवले करेके इन्तजार SSS? बनावे चलऽ अब तू आपन राज।
कतना जिनिगिया के भइल बरबदिया, • कबसे बहत इहवां खूनवा के नदिया भइल हराम इहवां रोटिया अजदिया मिलि-जुलि उलटीं जा धार SSS बनावे चलऽ अब तू आपन राज।
एकता अखंडता के देइ-देइ नरवा जनता के खूनवा से बनत वा घरवा भोथरावल जात वा सहीदवन के घरवा, लहकत गाँव के बधार SSS बनावे चलऽ अब तू आपन राज।
टोपी वाला नेतवा करेला तूमाफेरिया एही से होखतवा अजदिया में देरिया आगे बढ़ऽ एक संगे, टूटि जाई बेड़िया जनता उठवलस लुकारऽऽऽ बनावे चलऽ अब तू आपन राज।