तोहरा गठरी में लागल बडुए चोर बबुआ हो जा अवहूं से, तूहूं अंखफोर बबुआ मुंह से बोलत बा श्रीराम करत रावन के बा काम कुर्सी खातिर देखऽ लगवले बहुए जोर बबुआ भेख बनवले बा केसरिया भीतर बडुए बहुते करिया गहुंमन खातिर अब त बने के बा मोर बबुआ करि के किसिम किसिम के टीका लेता बड़का-बड़का ठीका कबले सूतल रहबऽ, देखऽ भइल भोर बबुआ अमेरिका के ई बनल दलाल बनावत बा रेशम के जाल खुरपी ले के चलऽ छीले एकर सोर बबुआ ई ह दंगा के सरदार खाली बोली बा रसदार आगे बढ़ऽ होवे लागल अंजोर बबुआ तोहरा गठरी में लागल बडुए चोर बबुआ।