केकरा से करीं अरजिया हो, सगरे बंटमार । राजा के देखनीं, सिपहिया के देखनीं नेता के देखनीं, उपहिया के देखनीं, पइसा प सभकर मरजिया हो, सगरे बंटमार।
देखनीं कलट्टर के, जजो के देखनीं राजो के देखनीं आ लाजो के देखनीं, कमवा बा सभकर फरजिया हो, सगरे बंटमार ।
देस भइल बोफर्स के तोप नियन सउदा लोकतंत्र नाद भइल, संविधान हउदा, कइसे भराई करजिया हो, सगरे बंटमार ।
छप्पन गो छूरी से गरदन रेताइल सांपन के दूध अउर लावा दिआइल, गाई जा नयका तरजिया हो, सगरे बंटमार । केकरा से करीं अरजिया हो, सगरे बंटमार ।