पिया, हमरा के काहे भुलाइ गइलऽ? एक बरिस बीत गइल, ना आइल पतिया कइसे अकेले हम, काटीं बिपतिया, पिया, दुनिया से काहे डेराइ गइलऽ?
गांव-घर हमरा प बोलेला बोलिया, काढ़े करेजवा कुहुंकके कोइलिया, पिया, नगरी में जा के हेराइ गइलऽ?
महंगी से मचल वा वहुते तवाही, चूल्हा पर रोजे ना चढ़े कराही, पिया, जेहल में हमके बिठाइ गईलऽ पिया, हमरा के काहे भुलाइ गइलऽ?