राजा बेटा आवड
रानी बेटी आवड
के-के खेली चोर-सिपाही, हमरा के बतलावऽ
चोर बने खातिर उज्जर
कुरूता पैजामा चाहीं खाकी वर्दी जे-जे पहिनी ऊहे बनी सिपाही
केकरा पासे कइसन टोपी, ई पहिले बतलावऽ राजा बेटा आवड
चोर के टोपी उज्जर होई लाल-पिअर ना चाहीं
जे केहू कंटोप ना पहिनी ऊ ना बनी सिपाही, राम-रहीम, कोरान बाइबिल, कवनो के गोहरावड राजा बेटा आवड जे जे चोर बनी, ऊ चश्मा घड़ी, कलम ले के आई लकड़ी के पिस्तौल, सिपाही अपना खातिर बनवाई
जल्दी-आँखि मूँदि के आपन किस्मत के अजमावड राजा बेटा आवड चोर चलाई कलम, सिपाही
ओकरा कनखी पर नाची चोरी ओकरा घर में होई जेकरा माथा पर खाँची
बारी-बारी चोर सिपाही बनि के खेल जमावड राजा बेटा आवड रानी बेटी आवड
के के खेली चोर सिपाही, हमरा के बतलावऽ ।