हम त नमन करीले केशरी कुमार के । जे वाहन हउवे अवध सरकार के ना ।।
हउवन अतुलित बल के धाम, जेकरा बस में बारे राम । अपना कान्ह पर उठवले जगदाधार के ।। केशरी कुमार के...।।
शोभे जाँघ लगोटी लाल, भाल तिलक विशाल । रूनझुन बाजेला खरऊआँ झनकार के ।। केशरी कुमार के...।।
काँधे मूज जनेऊ साजे, सिंदूर रोम-रोम विराजे । शोभा अनुपम लागे अंजनि कुमार के ।। केशरी कुमार के...।।
हउवन राम कथा के प्रेमी, पटक के मरले कालनेमी । उ तऽ दानव दल के फेकले उजार के ।। केशरी कुमार के...।।
बानर रूप में महादेव, हउवन 'भूषण' के गुरूदेव । हमार विपति मिटाई प्रभु जार के ।। केशरी कुमार के...।।