हमरा प कृपा करी हे हनुमान। रउरा पलट दीलें सब अनुमान ।। टेक....।।
एक बेर डाल दिहीं आपन निगाह, खुल जाव जिनगी के बन्द सब राह । सेवक आपन हमरा के लिहीं रउरा मान ।। हमरा प...।।
एकबेर याद करी रउरा आपन बल, दूर करीं जिनगी के हमरा खलबल । रामजी के सेवक हई रउरा महान ।। हमरा प...।।
दुखिया के दुख रउरा राम से कहीले, उनके शरण में रउरा हरदम रहीलें । उनहीके इष्ट रउरा लेले बानीं मान ।। हमरा प...।।
'भूषण' भरोस कइले रउरे पर भारी, जिनगी के दूर करीं सकल लाचारी । सुनिले कि हई रउरा बड़ा दयावान ।। हमरा प...।।