ज्ञान ध्यान होई नाहीं घोर कलजुगवा में, सीताराम नाम जप बहुते आसान बा ।
शिव सनकादि मुनि सिद्ध लोग जपे इहे, नानक कबीर सूर तुलसी के प्राण बा ।
राम नाम जप से त सभे सहमत बाटे, वेदवा पुराणवा में लिखल प्रमाण बा ।
'भूषण' जपऽ ना इहे नाम विसवास कके, एही पर टिकल तोहर सब अरमान बा ।