चेतऽ चेतऽ चेतऽ मोर मनवाँ हो, तनि चेतऽ सबेरे । पारस छोड़िके लोहा अगोरेलऽ । बनि गइल माया के चेरे.... हो तनि चेतऽ सबेरे ।
छानऽलऽ बजरिया झुठ कपट के, पड़ गइल अपने से फेरे हो, तनि चेतऽ सबेरे...
परनिंदा में लागल रात-दिन, उमर बितावेलऽ अनेरे हो, तनि चेतऽ सबेरे...
राम भजन में रम जा मनुआ, कट जाई पाप घनेरे हो, तनि चेतऽ सबेरे...
'भूषण' भूलऽ ना अपना हरि के, काम उहे अइहन तेरे हो, तनि चेतऽ सबेरे...